चीन अनेरिया का साथे त कांग्रेस गद्दारन का साथे

by | Mar 14, 2019 | 0 comments

काल्हु सुरक्षा परिषद में आइल मसूद अजहर के आतंकी करार देबे वाला प्रस्ताव पर चीन अडंगा डाल दिहलसि. एह खबर पर कांग्रेस उछाह में आ गइल आ आजु ऊ एलान क दिहलसि कि अगर ओकर सरकार बनल त ऊ भारत तेरे टुकड़े होंगे कहे वाला गिरोहन पर लागे वाला देश द्रोह के मुकदमा उठा ली आ कानूने बदल दी जवना का बाद देश के गद्दारन का खिलाफ कवनो सरकार कुछ ना कर सकी.

जेल में बन्द चारा चोर लालू के ट्वीट आ फेसबुकिया बयानबाजी पर चुनाव आयोग नजर टेढ़ कइले बावे. आयोग पता लगावत बा कि लालू जेल में रहला का बादो कइसे सोशल मीडियन पर आपन बयानबाजी जारी रखले बावे. ऊ आपन अकाउन्ट खुदही चलावत बा कि ओकरा नाम के इस्तेमाल ओकर कवनो आदमी करत बा. जाँच का बादे सोचल जाई कि ओकरा पर कवन कार्रवाई कइल जाव भा ना कइल जाव.

महागठबन्हन में भितरी दाँव पेंच जारी बा. हिन्दुस्तानी अवाम मोर्चा के जीतन राम माँझी छरियाइल बाड़न कि उनुका गोल के सीट उपेन्द्र कुशवाहा के गोल से अधिका होखे के चाहीं. एह माँग के अनुरुप फैसला ना होखत देखि माँझी दिल्ली से पटना आ गइल बाड़न. अब पटना में होखे वाला महागठबन्हन के मीटिंग में एह पर कवनो फैसला लीहल जाई.

दिल्ली में 18 मार्च से शुरु होखे जा रहल उर्दू के छठवां विश्व सम्मेलन में 15 देशन से साहित्यकारन के नेवतल गइल बा बाकिर पाकिस्तान के कवनो साहित्यकार के एह सम्मेलन में नइखे बोलावल गइल.

आतंक का खिलाफ लड़ाई में नरेन्द्र मोदी के मनमोहन सिंह से मजगर नेता बतावे वाला बयान से शीला दीक्षित मुकर गइली आ कहत बाड़ूी कि उनुका बयान के तूड़ मरोड़ के परोसल गइल बा.

काल्हु बिहार के बड़हन हिस्सा में बदरी छवले रही आ कहीं कहीं बूना बानी हो सके के अनुमान मौसम विभाग लगवले बा.

यूपी के 16 लोकसभा सीट से कांग्रेस अपना उमीदवारन के सूची जारी कइले बिया. एह सूची में मुरादाबाद से राज बब्बर, कानपुर से श्रीप्रकाश जायसवाल, सुल्तानपुर से डॉ संजय सिंह, प्रतापगढ़ से रत्ना सिंह, मिर्जापुर से ललितेश त्रिपाठी, लखीमपुर खीरी से जफरअली नकवी, संतकबीर नगर से परवेज खान, बहराइच से सावित्री फूले, सीतापुर से कैसर जहाँ के नाम शामिल बा.

भगवान कृष्ण के नगरी मथुरा में आजु से होली के शुरुआत हो गइल. श्री द्वारिकाधीश मन्दिर में आजु होली रसाया गवनई का साथे अबीर गुलाल से भक्त लोग होली खेले के शुरुआत क दीहल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up