चुनाव जीत मारीशस के प्रधानमंत्री पद के किरिया धइलन प्रविन्द

by | Nov 12, 2019 | 0 comments

साल 2017 में बिना चुनाव जीतले तब के पीएम आ अपना पिता अनिरुध जगनाथ से मारीशस के कमान धरे वाला पीएम प्रविन्द कुमार जगनाथ हालही में करावल गइल चुनाव में अपना गठबन्हन के शानदार जीत दिअवला का बाद आजु 12 नवम्बर 2019 के फेरु प्रधानमंत्री बन गइलन. 7 नवम्बर के भइल चुनाव में उनुका गठबन्हन – मारिशियन एलाएन्स – के 70 में से 42 सीट पर जीत मिलल जबकि उनुकर नजदीकी विरोधी नवीन रामगुलाम के गठबन्हन – नेशनल एलाएन्स – महज 17 सीट जीत पवले. मारीशस के राजनीति में जगनाथ दक्खिनपंथी आ रामगुलाम वामपंथी मानल जालें. धुर बँवारा गिरोह मारिशियन मिलिटेन्ट मूवमेन्ट के 9 सीट मिलल बा.

25 दिसम्बर 1961 का दिने जनमल प्रविन्द कुमार के पाँच बरीस ला पीएम पद के किरिया मारीशस के राष्ट्रपति बारलेन बैपूरी धरवलन. प्रविन्द कुमार के मंत्रिमंडल में 23 गो मंत्री बाड़न. एहमें 3 गो औरत मंत्री बाड़ी. बैंक आफ मारीशस के डेपुटी गवर्नर रहल रंगनादेन पड़याक के नयका वित्तमंत्री बनावल गइल बा.

मारीशस में भोजपुरी आ क्रिओल भासियन के बहुमत बा. अंग्रेज सरकार ओहिजा ऊँख के खेती करावेला भारत से गिरमिटहा – मजूरी करे का एग्रीमेन्ट पर – ले गइल रहल. बाद में इहे लोग अब ओहिजा के राजनीति में पोढ़ हो गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up