चैन से गुजरल ईद, बेचैन क गइल देशद्रोहियन के

by | Aug 12, 2019 | 0 comments

ईद के नमाज

जम्मू कश्मीर के धारा 370 से मिलल आजादी का बाद आजु सोमार का दिने सरकार आ प्रशासन के बड़का इम्तिहान रहुवे कि कइसे गुजरत बा ईद. बाकिर खुशी के बाति रहल कि सिकूलरन के बेचैन क के ईद चैन से गुजर गइल. जम्मू आ कश्मीरे ना, पूरा देश में मुसलमानन के ई बड़का पर्व अमन चैन आ हँसी-खुशी गुजर गइल.
जम्मू आ कश्मीर में जगहे जगह स्थानीय मस्जिदन में ईद के नमाज अदा करे ला भीड़ उमड़ल बाकिर श्रीनगर में कुछ रोक का चलते बड़हन मस्जिदन में भीड़ ना जुटे दीहल गइल. राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल पूरा हालात पर खुद नजर रखले रहलन आ श्रीनगर समेत कई इलाकन के हेलीकॉप्टर से निरखत रहलें.

कांग्रेसी जमात उठा नइखे रखले कि कवनो तरह कश्मीर में बवाल शुरु होखे. कांग्रेस के बड़का नेता आ कई दर्जन बेर जमानत पावे वाला आ एक जमाना में देश के गृहमंत्री आ वित्त मंत्री रहल पी चिदम्बरम कहलन कि धारा 370 मोदी सरकार एह चलते हटवलसि कि ई मुस्लिम बहुल राज्य रहुवे. हिन्दू मुसलमान करत चिद्दू कहलन कि अगर ई हिन्दू बहुल राज्य रहल रहीत त ई काम ना कइते रहीत मोदी सरकार. अब या त चिद्दू बुड़बकाही करत बाड़ें भा देश के जनता के बुड़बक बूझत बाड़न. अगर कश्मीर हिन्दू बहुल रहीत त ई सगरी समस्या के ना त शुरुआत भइल रहीत ना नेहरु ओकरा के कवनो खासियत दिहले रहितन.

आजु के ईद चैन से गुजरल देखि के कांग्रेसियन के करेजा में लहर उठत होखी. पाकिस्तानी पईसा ले के लेख लिखेवाला मीडियो केआजु नींद ना आई. देश में पाकिस्तान के हाई कमिश्नर रहल बासित आजु कहियो दिहलन कि शोभा दे पाकिस्ताने का कहला पर पाकिस्तान आ आतंकवादियन के समर्थन करे वाला लेख लिखत रहली. हालांकि शोभा दे एह बाति से इन्कार करत बाड़ी. अलग बाति बा कि बहुते लोग उनुका बाति पर अब भरोसा नइखे करे वाला.

बासित एह तरह के खुलासा कवना रणनीति से कइलन, एहू पर कई तरह के राय सामने आवत बा. जइसे कि हो सकेला कि शोभा दे से भुगतान के कवनो विवाद होखो, शोभा दे अब आगे ओह तरह के लेख लिखे से मना कइले होखसु भा अधिका भुगतान माँगत होखसु, दोसरा पत्रकारन के पाकिस्तान का तरफ से चेतावनी होखे कि लाइन से बेलाइन भइला पर ओहू लोग के खुलासा हो सकेला, भा नवका लिखनिहारन के इशारा होखे कि तुहुं लोग लिखअ लोग आ भुगतान लीहल शुरु करअ लोग.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up