छूरी खरबूजा पर गिरे भा खरबूजा छूरी पर, कटाई खरबूजे

by | Jul 1, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, बियफे, आषाढ़ अन्हरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी)

आँख पर पट्टी बन्हले न्याय करे वाली न्यायपालिका काल्हु फैसला सुनवलसि कि देश में कोरोना से मरे वाला लोग के परिवार के मुआवजा देबे ला सरकार मजबूर बिया. सुप्रीम कोर्ट के कहना बा कि राष्ट्रीय आपदा प्रबंधन अधिनियम के धारा 12 के प्रावधान का तहत राष्ट्रीय आपदा प्रबंधन प्राधिकरण एकरा ला बाध्य बावे आ ऊ अपना एह जिम्मेदारी से भाग ना सके. गनीमत अतने बा कि ई नइखे बतवले कि कम से कम कतना मुआवजा देबे के पड़ी. एकरा के तय करे के जिम्मा राष्ट्रीय आपदा प्रबंधन प्राधिकरण पर छोड़ दीहल गइल बा. जान जाईं कि कवनो ना कवनो तरह से देश के हालात बिगाड़े में लागल विरोधी नेता मुआवजा के बात उठावत रहलें.
अब आईं एगो हिसाब लगावल जाव. काल्हु ले देश में कोरोना से मरे वाला मरीजन के गिनिती 3 लाख 98 हजार 454 हो चुकल बा. एह चार लाख मौतन के मुआवजा एकएको लाख दीहल जाव त कुल्हि मुआवजा 40 अरब रुपिया के होखी. आ गणित विशेषज्ञ राहुल गाँधी के बात मानल जाव त चार चार लाख का हिसाब से 1खरब 60 अरब रुपिया चाहीं. अब एकरा ला सरकार या त नोट छाप के देश के मँहगाई के मैदान बना देव भा टैक्स लगा के आम परिवारन पर डाका डाल देव. छूरी खरबूजा पर गिरे भा खरबूजा छूरी पर, कटाई खरबूजे.

मुकुल गोयल के उत्तर प्रदेश के पुलिस महानिदेशक (डीजीपी) नियुक्त करे के फैसला हो चुकल बा. अबहीं केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पर एडीजी आपरेशन्स, बीएसएफ के पद पर तैनात 1987 बैच के आइपीएस अधिकारी मुकुल गोयल जल्दिए डीजीपी के पदभार सम्हारे अइहें. शामली जिला से आवे वाला मुकुल गोयल जालौन, मैनपुरी, गोरखपुर, वाराणसी, सहारनपुर आ मेरठ के एसएसपी अउर आजमगढ़ आ हाथरस के एसपी, कानपुर, आगरा व बरेली रेंज के डीआइजी, बरेली जोन में बतौर आइजी आ एडीजी रह चुकला का चलते यूपी के जमीनी हकीकत से निकहा वाकिफ बाड़ें.

केन्द्रीय मंत्रिमंडल गाँव गाँव ले ऑप्टिकल फाइबर नेटवर्क पसारत ब्रॉडबैंड इंटरनेट सुविधा मुहैया करावे खातिर 29 हजार 430 करोड़ रुपिया के कार्यक्रम पीपीपी मॉडल पर करावे के तय कइले बिया.

दक्षिण कश्मीर के कुलगाम में बुध का दिने सुरक्षा बलन आ आतंकवादियन के मुठभेड़ में तीन गो आतंकवादी मरा गइलें आ एगो जवान घवाहिल हो गइल.

दुनिया भर से आवत नकारात्मक संकेतन का बीच देशो के शेयर बाजार में गिरावट के रुख लगातार बनल बा. काल्हुओ गिरावट का साथे बाजार बंद भइल. आजु कुछ सुधार के संकेत बा बाकिर वायदा बाजार के साप्ताहिक निपयान के दिन होखला का चलते ऊँट कवना करवट बइठी से अंदाज ना लगावल जा सकेला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up