जतवो गइल भतवो ना मिलल

by | Nov 12, 2019 | 0 comments

महाराष्ट्र में सरकार बनावे का फेर में अपना औकात से बाहर जाके फउँके का फेर में शिवसेना आपन जवन हाल कर लिहलसि तवना पर भोजपुरी में कई एक गो कहाउत बा. खबर त सभे जानत बा बाकिर खबर का बहाने एह कहाउतन के चरचा कइल हमरा बेसी सही लागत बा.

जतवो गइल भतवो ना मिलल वाली कहाउत के मतलब भइल कि आपन समूह छोड़ि के दोसरा समूह में शामिल होखे का कोशिश में आपन समूह त छोड़ि गइल शिवसेना बाकिर दोसरका समूह में ओकर समिलात ना हो सकल आ एह खुशी में होखे वाला भोज ना मिल पावल.

दोसर कहाउत हवे कि – चउबे गइलन छब्बे बने, दूबे बनि के अइलन. एह कहाउत के मतलब भइल कि अपना योग्यता से अधिका के पुरस्कार भा सम्मान लावे का कोशिश में आदमी उहो गवाँ बइठेला जवना के ऊ स्वाभाविक हकदार रहुवे. अगर शिवसेना के लालच सीमा का भितरे रहल रहित त आजु ओकरा लगे उप मुख्यमंत्री पद का साथही सरकार में कई गो रसगर मंत्रालयो भेंटाइल रहित. अब बाबा जी के ठुल्लू लेके संतोष करे के पड़ी.

लाजे भवे बोलसु ना, सवादे भसुर छोड़सु ना. एह कहाउत के मतलब होला कि अपना लाजवश छोट भाई के मेहरारु कुछ बोल ना पावे बाकिर बदचलन भसुर – पति के बड़ भाई – ओकरा के छेड़त रहेला. भाजपा अपना संस्कारवश शिवसेना के असलियत जगजाहिर कइल ना चाहच रहुवे बाकिर हवस का वशे हो गइल शिवसेना खुदे आपन चरित्र उजागर करा दिहलस.

अब देखे जोग रही कि काठ के हाँड़ी दुबारा चढ़त बा कि ना. अब अगर शिवसेना लवटहूं के चाहो त भाजपा के ओकरा के फरदवले राखे के चाहीं. काहें कि चोर चोरी से जाई त जाई बाकिर तुम्बाफेरी ना छोड़ि पाई.

चलत चलत अब खबरवो के चरचा करिए देत बानी. महाराष्ट्र में सरकार बनावे का फेर में जब कवनो गोल भा गिरोह सफल ना हो सकत तब राज्यपाल ओहिजा राष्ट्रपति शासन लगावे के सलाह दे दिहलन. केन्द्रीय मंत्रीमंडल उनुकर सलाह मान के राज्य में राष्ट्रपति शासन लगावे के निहोरा राष्ट्रपति के भोज दिहलसि.

ओने शिवसेना सुप्रीम कोर्ट में गोहार लगवले बिया कि ओकरा कुछ समय अउरी चाहत रहुवे जवन राज्यपाल ना दिहलन. ओकरा ई याद नइखे पड़त कि संजय राउत के दावा रहुवे कि शिवसेना का लगे 170 विधायकन के समर्थन मौजूद बा आ राज्यपाल जबे कहिहन तबे उनुका के ई सूची सँउप दीहल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up