जान बचावे खातिर माँद में वापिस लवटे लगलें घासफूसिया

by | Jun 12, 2021 | 0 comments

टटका खबर, शनीचर, जेठ अँजोरिया दूज, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में भाजपा के बयार बहत देखि बहुते तृणमूलिया उधियात भाजपा में शामिल होखे आवत गइलें आ भाजपा सभका के सकारत चलि गइल. बाकिर चुनाव बाद जब फेरु ममता के निर्ममता वाली सरकार बनि गइल आ साफ हो गइल कि भाजपा में बेंवत नइखे कि अपना कार्यकर्चन के जान माल के रक्षा करि सके त अपना के घासपात साबित करत कई गो तृणमूलिया वापस ममता के अँचरा के छाँह तरे जाए लागल बाड़ें. अइसने एगो तृणमूलिया साबित भइलें भाजपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष ले बनावल गइल मुकुल राय जे काल्हु शुक का दिने अपना बेटा समेत तृणमूल में शामिल हो गइलें. हो सकेला कि उनुका सुवेन्दु अधिकारी के नेतृत्व में काम कइल मंजूर ना भइल होखी. बाकिर एह सब खातिर दोसरा के दोष ना दे के सगरी दोष मोदी आ शाह के माने के चाहीं जे अत्याचारी गिरोहन से अपना कार्यकर्तन के जान माल के रक्षा करे आ बंगाल में कानून वमयवस्था बनवले राखे में कायर साबित भइल बावे.

प्रेस कान्फ्रेस में सुवेन्दु अधिकारी के नाम सुनते ममता खतम कर दिहली कान्फ्रेंस – ट्वीट खोल के देखीं,

This is 1st Day of #MukulRoy in TMC..

Journalist to Mukul Roy : How do you see Suvendu Adhikari???

Mamata: Press Conference is over now. pic.twitter.com/r1gCRZkurL— Akshay Singh (@iakshaysinghel) June 11, 2021

शुक का दिने शेयर बाजार लगातार दुसरका दिने नया ऊँचाई छुवलें. वइसे निफ्टी अपना दैनिक चार्ट पर डोजी बनवले बिया जवन बतावत बावे कि बाजार अबहीं एकमत नइखे कि केने चलल जाव. वायदा बाजार में 15800 का स्तर पर तेजड़िया आ मंदड़िया दुनु के बराबर बराबर ताकत लागल बा. देखे के होखी कि अगिला हफ्ता बाजार केने के रुख तय करत बा. शुक का दिने निफ्टी एगो नया शिखर 15799 पर बंद भइल. सेंसेक्सो 52400 अंक का पार बंद भइल बा.

अपना जमाना के मशहूर अभिनेता दिलीप कुमार अस्पताल से ठीक हो के घरे लवटि आइल बाड़न. कुछ दिन पहिले फेफड़ा में पानी भरला का चलते साँस लेबे में होखत परेशानी का बाद उनुका के अस्पताल में भरती कइल गइल रहुवे.

बियफे का दिन के कोरोना आंकड़ा का पीछे बिहार के आंकड़ा दुरुस्त कइल कारण रहुवे. जान जोग बा कि बिहार सरकार कोरोना से होखे वाला मौतन के आंकड़ा कम देखवले रहुवे जवन बाद में सही कइल गइल. एह चलते उ सगरी आंकड़ा एकही दिन जोड़ा गइल आ एगो रिकार्ड बना दिहले रहुवे एक दिन में छह हजार से बेसी लोग के मरला के. केन्द्र के कहना बा कि बियफे ले देश में करीब पौने पचीस करोड़ लोग के कोरोना टीका लगावल जा चुकल बा. शुक का दिने कोरोना के करीब 91 हजार नया मरीज मिललें त 1 लाख 34 हजार से बेसी मरीज ठीको हो गइलें. अबले देश में करीब 2 करोड़ 93 लाख कोरोना के छूत के शिकार हो चुकल बा जवना में से करीब 3 लाख 63 हजार मरीजन के मौत हो गइल आ करीब 2 करोड़ 78 लाख लोग ठीक हो गइल बा. अब देश में करीब 11 लाख 21 हजार कोरोना छूताह मरीज बाड़ें जिनका ठीक होखे के इंतजार बा.

कौशांबी में बसपा नेता महताब आलम आ ओकरा चार गो साथियन के गोमांस को तस्करी के आरोप में गिरफ्तार कर लीहल गइल बा.

बिना छुट्टी लिहले गैरहाजिर रहत तीन गो सिपाहियन के शुक का दिने देवरिया पुलिस अधीक्षक बर्खास्त कर दिहलन. एहमें से एगो सिपाही 25 मार्च 2012 से गैर हाजिर रहुवे बाकिर कार्रवाई अब जा के भइल बा.

सारण के नगरा इलाका के रामपुर मोड़ पर वेल्डिंग के काम करत गौरा इलाका के सिसवां रसूलपुर गांव के रहे वाला एगो कारीगर के बिजली के करंट से मौत हो गइल. दोसर खबर बा कि रिविलगंज टीसन का नियरा भदपा गांव का लगे एगो आदमी के लाश ट्रेन से कटाइल हालत में बरामद भइल बा. ओकरा के चिन्हल नइखे जा सकल.

बलिया के मनियर इलाका के असना गाँव का लगे गड़हा में नहाए उतरल दू गो लइकन के मौत डूबला से हो गइल.

मिर्जापुर के हलिया इलाका में अहुगीकला गाँव के बहरा एगो जंगली भालू का हमला में दू गो आदमी घवाहिल हो गइलें. ओकरा बाद लोग भालू के चहेटल त ऊ वीरपुर गाँव का ओर भागल आ ओहिजो दू आदमी के घवाहिल करत गइल.

जौनपुर के मड़ियाहूं इलाका के हीनौती गाँव में एगो आदमी के फाँसी लगा के जान दिहला के खबर बा.

बस्ती जिला पुलिस गढ़हा गौतम गाँव का नियरा से दू गो गांजा तस्करन के मुठभेड़ का बाद गिरफ्तार कर लिहलसि.

भदोही के औराई इलाका के उगापुर समधा दवनपुर गांव में चुनावी रंजिश ले के भइल मारपीट आ फायरिंग में दू आदमी के घवाहिल होखे के खबर बा.

गोरखपुर के पिपराईच इलाका में एगो अधबूढ़ मौलवी अपना मदरसा में पढ़े वाली एगो लइकी के ढेर दिन से भोगत रहुवे. मामिला उजागर भइला का बाद कौम के पंचायत ओकरा के पुलिस के सँउपे का बदले दुनु के निकाह करवावे के फैसला सुनवले बा. आ शर्त रखले बा कि ऊ मौलवी अपना पहिलका बेगम के आपन आधा संपति दिहला का बाद ई निकाह करी. हालांकि अब पुलिस का निगाह में आ गइल बा.

मिर्जापुर के अहरौरा इलाका के इमलिया गांव में एगो औरत के गरजृदन काट के खून करे के शिकायत ओह औरत के बाप थाना में लिखववले बा कि ओकरा दामादे अपना पत्नी के हत्या क दिहले बावे.

औरंगाबाद के जसौईया मोड़ का लगे एगो सड़क हादसे में बाइक से जात दादा-पोता के मौत हो गइल आ तिसरका सवार घवाहिल हो गइल बा. एगो ट्रक वाला बाइक के धक्का मारत भाग निकलल रहुवे.

जौनपुर के बरसठी इलाका के करीब 80 बरीस के एगो बूढ़ पर एगो लइका से कुकर्म करे के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. दोसर खबर बा कि सरपतहां इलाका में करीमपुर बिन्द गाँव का लगे नहर पुलिया पर एगो नवही के गोली मार के घवाहिल क के ओकर मोटर साइकिल छीन भगले स बदमाश.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up