जे जान बचावे ना आइल ऊ मान बचावे का आई

by | Jun 14, 2021 | 0 comments

भाजपा नेतृत्व एह घरी जवना कायराना अंदाज में अपना विरोधियन का सोझा नवल नजर आवत बा ओकरा से ई साफ हो गइल बा कि ओकर नेतृत्व सत्ता पावे के साधन भर मानेला अपना समर्थकन के आ काम निकलते ओकरा ओरि से आपन आँख मूंद लेबेला. पश्चिम बंगाल के चुनाव का पहिलहीं से सभही जानत रहुवे कि ई चुनाव बंगाल के हिन्दुवन ला जीवन मरण के सवाल बने वाला बा आ एही चलते बहुते लोग भाजपा का साथे आइल. बाकिर चुनाव बीतते जवना तरह से बंगाल में हिन्दुवन पर अत्याचार हो रहल बा ओकरा तरफ से भाजपा के मुँह फेरल अधिका दुखदायी लागत बा. मीडिया आ न्यायपालिका से त कवनो उमेदे ना कइल जा सके बाकिर भाजपा के मोदी आ शाह के जोड़ी जवना तरह बंगाल के हिन्दुवन के टूअर बना के रख दिहले बा ओकरा बाद अगर चिराग पासवान ई सोचत होखसु कि भाजपा अपना हनुमान के मान राखे ला सामने आई त उऩुका ले बड़हन बेवकूफ दोसर केहू ना होखी.
जवन गोल अपना लाखन हनुमानन के जान बचावे सामने आवे से कतरात बा ऊ एगो अकेला हनुमान के मान बचावे आगे ना आई. आ भाजपा के सगरी दुश्मन आ साथी दुनु ओकरा एह कमजोरी के बढ़िया से जान लिहले बाड़ें. तय बा कि नीतीश कुमार देर सबेर भाजपा के साथ छोड़बे करीहें बाकिर भाजपा उनुकर साथ देबे ला मजबूर बन के काम करत बिया. बात केहू माने भा ना बाकिर ईहो साँचे होखी कि चिराग भाजपा का शहे पर नीतीश से पंगा लिहले रहुवन. उनुको मालूमे रहल होखी कि अगर ई साँप जिन्दा बच निकली त डँसबे करी आ उहे हो रहल बा. पहिले त नीतीश लोजपा के अकेला विधायक के अपना में मिला लिहलें ओकरा बाद अकेला पार्षदो के उहे गति भइल. अब चाचा के चढ़ा के भतीजा के मान मर्दन करे खातिर हथियार बना लिहले बावे नीतीश के गोल. पशुपति पारस अपना भाई के मरला का बाद जवना तरह उनुका वारिस के निपटावे में लागल बाड़ें ओकर कतनो निंदा कइल जाई कमे रही.
आखिरी उमेद चिराग पासवान खातिर एके गो पा कि जुझारु पासवान समाज अपना रामविलास के वारिस का साथे अन्याय करे वालन के साथ ना दी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up