टटका खबर. अतवार, जेठ अन्हरिया चउथ, 2078 विक्रमी

by | May 30, 2021 | 0 comments

गैर ईसाई डॉक्टरन आ मेडिकल के पढ़ाई करे वाला विद्यार्थियन के धर्मान्तरण के योजना बनावे का आरोप में इण्डियन मेडिकल एसोसिएशन के अध्यक्ष डॉ जयलाल का खिलाफ दिल्ली में मुकदमा दर्ज करावे के खबर बा. सोशल मीडिया पर एह तरह के खबर छवले बा कि अपना हिन्दू विरोधी मानसिकता का चलते डॉ जयलाल के अध्यक्षता में चलत इण्डियन मेडिकल एसोसिएशन सबले पुरान चिकित्सा पद्धति आयुर्वेद का खिलाफ जंग छेड़ दिहले बावे. आईएमए के कोशिश बा कि कवनो तरह से आयुर्वेद के रोक दीहल जाव जेहसे ईसाई चिकित्सा पद्धति से ईलाज करे वाला डॉक्टरन के लूठ जारी रह सको. जयलाल के कहना बा कि मोदी सरकार एने कई बरीस से आयुर्वेद के बढ़ावा देबे में लागल बिया काहे कि आयुर्वेद हिन्दू पद्धति हवे. कोरोना महामारी का दौरान आयुर्वेदिक उपाय अपनवले लोग का चलते डॉक्टरन, कार्पोरेट अस्पतालन आ फार्मा कम्पनियन के बेलाग कमाई में आयुर्वेद बड़हन बाधा का रुप में सामने आइल बा.

कोरोना का चलते अपना माता-पिता-अभिभावक के गँवा चुकल बचवन के मदद करे खातिर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एगो बड़हन काम कइले बाड़न. अब पीएम केयर फंड से अइसन बचवन के शिक्षा आ स्वास्थ्य बीमा के खर्च दीहल जाई. 18 बरीस के उमिर होखला का बाद एह बचवन के मासिक भत्ता आ 23 बरीस के हो गइला पर 10 लाख रुपिया के अनुदान मिल जाई. एह बचवन के शिक्षा ऋण दिआवे के व्यवस्था कइल जाई जवना के ब्याज भुगतान पीएम केयर फंड करी. आयुष्मान भारत योजना में एह बचवन के 18 बरीस के उमिर होखे ले 5 लाख रुपिया तक के सालाना इलाज सुविधा दीहल जाई. प्रधानमंत्री के कहनाम बा कि बचवा बचिया हमनी के भावी होखेलें आ अपना भावी के सुरक्षित कइल हमनी के कर्तव्य हवे. एह बचवन के केंद्र सरकार के अधीन चले वाला कवनो ना कवनो आवासीय विद्यालय में प्रवेश दिआवल जाई. अगर दादा-दादी भा परिवार के देखरेख में राखल जाए के होखी त निजी स्कूल में प्रवेश दिआ के ओकर फीस, किताब कापी के खर्च वगैरह के भुगतान शिक्षा के अधिकार का नियमन से कइल जाई.

कोरोना महामारी के देखत उत्तर प्रदेश सरकार काल्हु एलान कर दिहलसि कि राज्य बोर्ड अब मैट्रिक परीक्षा ना करा के एह साल सगरी विद्यार्थियन के अगिला कक्षा में भेज दीहल जाई. सरकार के एह फैसला से एह साल परीक्षा देबे ला पंजीकृत हो चुकल 29 लाख 94 हजार 312 विद्यार्थियन के राहत मिल जाई.

केन्द्र सरकार अफगानिस्तान, बंगलादेश, अउर पाकिस्तान से जान बचावत भाग के भारत आइल ओह देशन के अल्पसंख्यक हिंदू, सिख, बौद्ध, जैन, पारसी, ईसाई लोगन के भारतीय नागरिकता देबे खातिर ओह लोग से आवेदन माँगल गइल बा.

कौशांबी के शीतला धाम कड़ा इलाका में कुछ अनेरिया एगो आदमी के जान ले लिहलें जे अपना साली साथे छेड़खानी रोके के कोशिश करत रहुवे. काल्हु शनीचर का दिने पुलिस दू गो अनेरियन के गिरफ्तार कर लिहलसि. कमालपुर गांव के एगो आदमी अपना चचेरा साला का शादी में लेहदरी गांव आइल बारात में आइल रहुवे. बारात में दुलहा के बहिनो आइल रहुवे आ कुछ अनेरिया ओकरा से छेड़खानी करत रहलें जवना के ऊ विरोध कइलसि त ओकरा के पीट के मुआ दिहले सँ अनेरिया.

औरैया के अछल्दा इलाका में बिभूना रोड पर एगो बाइक बिछला के गिर गइल आ ओहमें अझुराइल एगो नवही पर पीछे से आवत कार चढ़ गइल. हालांकि कार चालक के हादसा बचावे का कोशिश में कारो सड़क किनारे गड़हा में जा गिरल.

जौनपुर के बदलापुर कोतवाली इलाका के पुरामुकुंद गांव के दवा दुकानदार के गाँव का नियरा गोली मार दिहले सँ बाइक सवार कुछ बदमाश आ भाग गइले सँ. दुकानदार के मौत अस्पताल चहुँपावे से पहिलहीं हो गइल.

सारण जिला के बनियापुर इलाका में शनीचर का दिने एगो हादसा में बनियापुर प्रखंड कार्यालय का लगे सहाजितपुर इलाका के हाफिजपुर गांव के एगो नवही पर सूखल गाछ अचके में गिर पड़ल. घवाहिल नवही के बाद में मौत हो गइल.

बलिया जिला के रसड़ा इलाका के पचहुँआ गाँव में बरखा का दौरान अपना घर के चौखट पर बइठल एगो नवही पर ठनका गिर गइल. एह आसमानी बिजली का आग से झँउसला से ओकर मौत हो गइल.

जौनपुर मेडिकल कॉलेज में 8 अगस्त से पढाई के काम शुरू हो जाई. ई जानकारी देत जिलाधिकारी मनीष कुमार वर्मा बतवलें कि एह शिक्षा सत्र में एक सौ विद्यार्थियन के दाखिला होखी आ 9 अगस्त से पढ़ाई शुरू हो जाई. ओकरा पहिलहीं हॉस्टल, क्लास रुम, ओपीडी बनावे वगैरह काम पूरा करा लीहल जाई.

मिर्जापुर के हलिया इलाका के नौगवां गांव में एगो बेटा अपना बाप के टांगी से काट के जान ले लिहलसि. ओकर बाप दू गो शादी कइले रहलें आ ई पहिलका मेहरारु के बेटा रहुवे. दुसरका शादी का बाद ऊ पहिलका मेहरारु आ ओकरा बचवन के निकाल दिहले रहल. अब जमीन बेच दिहला से नाराज बेटा ओकर जान ले लिहलसि.

बलिया के रसड़ा कोतवाली इलाका में शनीचर सबेरे टहले निकलल अहिरपुरा गांव के एगो औरत के सकलही पुलिया का नियरा कवनो वाहन धक्का मारत भाग गइल. एह हादसा में ओह औरत के मौत हो गइल.

जौनपुर के बक्शा इलाका के लखनीपुर गांव का लगे सड़क के डिवाइडर पर बइठल एगो नवही एगो टवेरा वाहन का चपेटा में पड़ गइल आ ओकर मौत हो गइल. एगो दोसर हादसा में शिवगुलामगंज रेलवे क्रासिंग का नियरा शुक के अधरतिया का बाद ट्रेन से कटा के चकपटैला गांव के एगो आदमी के मौत हो गइल.

सारण जिला के दरियापुर इलाका के मटिहान गाँव के एगो सात बरीस के लइका के मौत खेत में गिरल बिजली के तार से लागल करंट से हो गइल.

कोरोना महामारी का चलते अपना कमाई के मौका पर आफत आइल देखत बीसीसीआई अब तय कइले बा कि आईपीएल 2021 सीजन के बाकी बाचल 31 गो मैच सितंबर-अक्टूबर में संयुक्त अरब अमीरात में करावल जाई. बोर्ड अगिला बीसबीसा विश्वकप आयोजन करे के समय में बदलाव करे के माँग अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद से कइले बा. अबहीं एह विश्वकप के आयोजन अक्टूबर नवंबर में भारत में होखे के योजना बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up