टटका खबर, अतवार, त्रयोदशी. चईत अँजोरिया 2078 विक्रमी

by | Apr 25, 2021 | 0 comments

राष्ट्रपति भवन में काल्हु भइल एगो सादा समारोह में न्यायमूर्ति एन. वेंकट रमणा के भारत के प्रधान न्यायाधीश के किरिया धरावल गइल. ऊ देश के 48वां प्रधान न्यायाधीश होइहें. 16 महीना ले अपना पद पर रहला का बाद न्यायमूर्ति रमणा अगिला साल 26 अगस्त के सेवानिवृत हो जइहें. एह किरिया धराई समारोह में राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद न्यायमूर्ति एन. वेंकट रमणा के किरिया धरवलें आ एह मौका पर उपराष्ट्रपति एम. वेंकैया नायडू, प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला, कानून मंत्री रविशंकर प्रसाद, उच्चतम न्यायालय के न्यायाधीश आ कईएक वरिष्ठ अधिकारी उपस्थित रहलें.

दुनिया में कोरोना के कहर बेलगाम जारी बा. अबले सबसे बेसी कोरोनाह अमेरिका में मिलल बाड़ें. ओहिजा करीब 3 करोड़ 20 लोग के कोरोना हो चुकल बा आ एहसे करीब पौने छह लोग के जान जा चुकल बा. भारत में काल्हु ले 1 करोड़ 66 लाख से अधिका लोग को कोरोना हो चुकल बा. एहमें से 1 करोड़ 38 लाख लोग ठीको हो चुकल बा. दुखद बा कि काल्हु ले 1 लाख 89 हजार 544 लोग कोरोना का चलते काल कवलित हो चुकल बा. सबले तेज रफ्तार से चलत टीकाकरण कार्यक्रम में देश के 14 करोड़ लोग के कोरोना के टीका लगावल जा चुकल बा.

पहिला मई से शुरु होखे जा रहल टीका करण के तिसरका दौर में अब 18 बरीस से अघिका उमिर के हर आदमी टीका लगवा सकेला. एह चरण से पहिले केन्‍द्र सरकार राज्‍य आ केन्‍द्र शासित प्रदेशन से कहले बिया कि जतना अधिका संभव होखे ओतना नया टीकाकरण केन्द्र खोल लीहल जाव. एह केन्‍द्रन पर भीड़ पर काबू करे ला पर्याप्त व्यवस्था होख के चाहीं. जाने जोग बा कि देश के विरोधी गोल-गिरोह एह मौका पर अराजकता पसारे के भरपूर कोशिश करीहें. आ कुछ मीडिया चैनलो लोग के हिम्मत तूड़े में लागल बाड़ें. हालात जतना खराब नइखे ओहसे अधिका खराब बतावे-बनावे के कोशिश चालू बा. जाने जोग इहो बा कि कांग्रेस हाल ही में सोशल मीडिया पर लाखन लोग के लगवले बिया. एह लोगन के केन्द्र सरकार के काम का खिलाफ माहौल बनावे के कहल गइल बा.

पश्चिम बंगाल में विधानसभा चुनाव के सतवाँ डेग सोमार के उठे वाला बा आ चुनाव आयोग मतदान करावे के सगरी तइयारी करा रहल बा.

आज़मगढ़ जिले के जहानागंज इलाका में सुहवल गाँव का लगे भइल वाहनन के टक्कर में चार लोग के मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइलें. गाजीपुर के मरदह इलाका से तिलक ले के ई लोग मऊ के रानीपुर इलाका के गाँव में गइल रहुवे. ओहिजे से लवटत में ई सड़क हादसा हो गइल. एह लोग के बोलेरो सड़क पर खड़ा ट्रक से टकराइल आ पीछे से आवत दू गो अउरी वाहन एह टक्कर का चपेटा में आ गइलें.

सोनभद्र जिला के पिपरी इलाका में शनीचर रात भइल सड़क हादसा में तीन जने के मौत हो गइल आ करीब दी दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा.

पश्चिम चंपारण जिला के बगहा नगर थाना इलाका के बनकटवा मुहल्ला में जमीनी झगड़ा में घवाहिल भइला का बाद 75 बरीस के एगो बूढ़ औरत के मौत हो गइल.

शनीचर का दिने वाराणसी के कछवां-कपसेठी रोड पर मिल्कीपुर गांव का लगे भइल एगो सड़क हादसा में मोटरसाइकिल सवार दू गो नवहियन के मौत पिकअप वाहन से टकरइला का चलते हो गइल.

आईपीएल के काल्हु भइल क्रिकेट मैच में राजस्थान रॉयल्स टीम छह विकेट से कोलकाता नाईट राइडर्स के हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up