टटका खबर, अतवार राति 10 बजे, 29 मार्च 2020

by | Mar 29, 2020 | 0 comments

अपना मन के बाति कार्यक्रम में आजु पीएम सोदी देश के जनता से माफी मँगलन कि तीन हप्ता के लॉकडाउन से सभका परेशानी झेले के पड़त बा. बाकिर अतना बड़हन आबादी के कोरोना बिपति से बचावेला दोसर कवनो राहो नइखे. जब दुश्मन लउकत ना होखे त लुकाईए गइल बेहतर होला. अगर लॉकडाउन में इचिको कसर रहि जाई त कोरोना पर काबू ना पावल जा सकी. कहलन कि एह दौरान मामाजिक दूरी बनवले राखीं बाकिर दुराव ना होखे के चाहीं.

केन्द्र सरकार सगरी राज्यन से कहलसि कि कवनो हालत में प्रवासी कामगारन आ ओह लोग के परिवार के अइला गइला पर कड़ाई से रोक लगावल जाय. दिल्ली में बिगड़ल हालात का चलते दू गो अफसारान के निलम्बित कइल गइल आ दू जने अउरी से पूछल गइल बा कि अइसन हालात कइसे बनल आ एह तरह के विस्थापन पर समय रहते रोक काहे ना लगावल गइल. सबले दोषी ओह अधिकारियन के मानल गइल जे एह मजदूरन ला डीटीसी के बस मुहैया करवलें. देसरा तरफ यूपी आ बिहार सरकार साफ कह दिहले बाड़ी सँ कि दोसरा जगहा से आवे वाला लोगन के 14 दिन के एकांतवास में रहहीं के पड़ी. बढ़िया रहीं कि जे जहाँ बा ओहिजे रहो आ सरकार ओहिजो ओह लोगन ला छाजन-भोजन के इन्तजाम करवाई.

भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा अपना गोल के सगरी राज्य ईकाईयन से कहलन कि एह ल़कडाउन का हालात में रोज कमाए वाला आ प्रवासी मजदूरन के खयाल राखल जाव. ओह लोग के हर जरुरी सहायता चहुँपावल जाव

कोरोना विपति का दौरान देश के स्वास्थ्य सेवा आ आर्थिक गतिविधियन के बनवले राखे आ बढ़ावे का दिशाईं नजर राखे ला एगारह गो मजगर समूह वबावल गइल. एगो अइसने समूह के अगुआ नीति आयोग के अधिकारी के बनावल गइल बा.

कोरोना इलाज में लागल स्वास्थ्य कर्मियन ला बीमा योजना के मंजूरी दे दिहलसि केन्द्र सरकार. एह बीमा से कोरोना इलाज में लागल करीब 22 लाख डाक्टर आ स्वास्थ्य कर्मियन के पचास पचास लाख के मुआविजा मिल पाई.

देशद्रोही गिरोह में शामिल मीडिया आ राजनीतिक गोल परेशान बाड़ें कि भारत में कोरोना से बड़हन संख्या में जान काहे नइखे जात. ई गिरोह ल़कडाउन के असफल करे ला कवनो हद ते गिरे खातिर तइयार बाड़ें. अमेरिका इंगलैन्ड के मीडिया अमेरिका इंगलैन्ड के बिगड़त हालात से ओतना चिन्तित नइखे जतना कि एह बाति से कि हिन्दुस्तान में कोरोना काल बनि के काहे नइखे उपटत. एहसे सगरी हिन्दुस्तानिचन से निहोरा बा कि देश के अइसनका दुश्मन के चीन्ह लेब आ एह लोग के हरकत का प्रभाव से बाचल रहे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up