टटका खबर, अतवार, वैशाख अँजोरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी

by | May 23, 2021 | 0 comments

शनीचर का दिने भइल अंतर्राष्ट्रीय हॉकी महासंघ अध्यक्ष के चुनाव में भारत के डॉ नरेंद्र ध्रुव बत्रा बेल्जियम के अपना प्रतिद्वंद्वी मार्क काउड्रोन के दू वोट से हरावत दुबारा अध्यक्ष बन गइलें. 47 बरीस में पहिला बेर अइसन भइल बा कि कवनो भारतीय दुबारा अध्यक्ष बनल बाड़ें. अब डॉ बत्रा साल 2024 तक ले अंतर्राष्ट्रीय हॉकी महासंघ के अध्यक्ष बनल रहीहें. डॉ बत्रा दुबारा अध्यक्ष चुनइला का बाद अपना सम्बोधन में कहलन कि उऩुकर पहिल प्राथमिकता होखी हॉकी के दुनिया में मजबूत करे के. एकरा खातिर एकर नया नया प्रारुप आ इवेंट्स खोजल जाई. एकर विजिबिलिटी आ पहुंच के बढ़ावे के होखी.

पछिमारा तट पर हालही में आइल ताउते चक्रवात का बाद अब भारत के पुरबारा तट पर चक्रवाती तूफान यास से निपटे के तइयारी हो रहल बा. मौसम विभाग के कहना बा कि शनीचर का दिने उत्तरी अंडमान सागर आ एकरा से सटल पूर्वी मध्य बंगाल के खाड़ी पर बनल निम्न दबाव 24 मई ले तेज होखत चक्रवाती तूफान में बदल जाई. मछुआरन के सोमार से समुद्र में आवे से मना कर दीहल गइल बा.

नेपाल के विरोधी गोल संसद भंग करे के फैसला का खिलाफ कानूनी आ राजनीतिक लड़ाई लड़े के एलान कइले बाड़ें. ओह लोग के कहना बा कि राष्ट्रपति विद्या देवी भंडारी प्रधानमंत्री के पी शर्मा ओली का साथे मिल के संवैधानिक प्रावधानन के बेजा इस्तेमाल कइले बाड़ी. नेपाली संसद के भंग कर के 12 आ 19 नवंबर के एकर चुनाव करावे के एलान कइल गइल बा. पिछला बेर नेपाल के सुप्रीम कोर्ट भंग संसद के फेरू से बहाल कर दिहले रहुवे बाकिर ओली संसद में आपन बहुमत साबित ना कर पवलें. बाद में विरोधी गोल का तरफ से नेपाली कांग्रेस के अध्यक्ष शेर बहादुर दोउबा प्रधानमंत्री पद पर आपन दावा पेश कइलें बाकिर राष्ट्रपति एह दावा के नकार दिहली. उनुका विचार से दोउबा स्थायी सरकार ना दे पइतें. जाने जोग बा कि पिछला साल 20 दिसम्बर का दिने संसद के भंग कइल गइल रहुवे जवना के सुप्रीम कोर्ट एह साल फरवरी में फेर से बहाल कर दिहले रहुवे.

एगो विमान हादसा में नाइजीरिया के सेना प्रमुख लेफ्टिनेंट जनरल इब्राहिम अथाहिरू के मौत हो गइला के जानकारी ओहिजा के सेना जारी कइले बिया. कहल गइल बा कि मध्य कादूना राज्य में भइल विमान हादसा में विमान चालक समेत 10 गो अधिकारियन के मौत हो गइल. हादसा कवना कारण से भइल एकर कवनो जानकारी अबहीं सामने नइखे आइल.

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार काल्हु फेरु दोहरवलें कि पूरा देश में बिजली के एक समान दर होखे के चाहीं. ऊर्जा विभाग के समीक्षा बइठक का दौरान मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि घर घर ले बिजली कनेक्शन चहुंपा दीहल गइल बा आ लोग के लगातार बिजली मिल रहल बा. आ निर्बाध बिजली देबे खातिर सरकार बाहरो से बिजली खरीदत बिया.

भाजपा के बिहार प्रदेश प्रवक्ता मनोज शर्मा काल्हु कहलें कि सेनारी नरसंहार के आरोपियन के थाना में टेस्ट आईडेंटिफिकेशन परेड ना करावल गइल रहुवे आ ओह समय के राजद – कांग्रेस गठजोड़ के सरकार का इशारा पर पुलिस मामिला के जानबूझ के कमजोर बना दिहले रहे.

जौनपुर के कोतवाली इलाका के बल्लोचटोला में एगो आदमी अपना पड़ोसन माशूका के जान ले लिहला का बाद अपनहूं जहर खा के मुए के कोशिश कइलसि.

भदोही जिला के औराई इलाका में बभनौटी उचेठा एफसीआई गोदाम में ठेकेदार करीब 40 गो मजदूरन के नौकरी से हटा दिहले बा आ बकाया भुगतानो नइखे करत. एकरा खिलाफ काल्हु मजदूर प्रदर्शन कइलें.

सारण जिला के जनता बाजार इलाका के लहलादपुर में एगो ट्रक से लागल धक्का से मोटरसाइकिल से अपना महतारी साथे जात नवही के ठाँवे पर मौत हो गइल आ पीछे बइठल महतारी घवाहिल हो गइली. ई लोग सीवान जिला के महाराजगंज इलाका के रहुवे.

सारण जिला के तरैया इलाका के गलिमापुर गाँव में पाँच बरीस के एगो लइका के मौत साँप कटला से हो गइल बा.

मिर्जापुर के देहात कोतवाली इलाका के लहौली गाँव में आर्केस्ट्रा देखे का झगड़ा में एगो लइका के शनीचर का दिने पीटपीट के मुआ दीहले तीन गो अनेरिया नवही. ओह लइका के दोष इहे रहुवे कि ऊ एहनी का आगे कुर्सी लेके बइठ गइल रहुवे आ एहनी के देखे में दिक्कत होत रहुवे.

कौशांबी जिला के शीतला धाम कडा कोतवाली इलाका के लहरी गांव का लगे बारात में आइल एगो नवही के गरदन काट के ओकर लाश खेत में फेंक दिहल गइल रहे. लाश बरामद क के पुलिस तहकीकात करत बिया.

जौनपुर के मीरगंज इलाका के असवां गाँव में शुक के देर राति बाइक सवार बदमाश एगो दुल्हा के कार पर गोली चलवले सँ जवना में दुलहा के भाई के गोली लाग गइल.

चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद खातिर राहत के खबर मिलल जब सीबीआई लालू के डीएलएफ रिश्वत घोटाला में क्लीनचिट दे दिहलसि.

पाकिस्तान अमेरिकी सेना के वायुयानन के अपना आकाश से उड़े के अनुमति दे दिहलसि. एहसे अमेरिका के अफगानिस्तान में मौजूद अपना सैनिकन के मदद मुहैया करावे में आसानी होखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up