टटका खबर, अतवार, वैशाख अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

by | May 2, 2021 | 0 comments

आजु कुछ देर बाद चार गो राज्य विधानसभा आ एगो केन्द्र शासित प्रदेश पुड्डुचेरी विधानसभा चुनाव में पड़ल मतन के गिनिती शुरु होखे जा रहल बा. अनुमान बा कि असम, पश्चिम बंगाल आ पुड्डुचेरी में भाजपा नीत गठबन्हन के जीत होखी. केरल में अब तक के इतिहास पलटत बँवारा गोल फेरु सत्ता में आ जाई आ तमिलनाडु के ऊँट कवना करवट बइठी अबहीं ले थाह नइखे लागत. जान जाईं कि केरल के चुनाव पर राहुल गाँधी के बहुते उमेद रहुवे. उमेद के कारण उनुकर योग्यता ना हो के केरल में हर चुनाव में सरकार बदले के परंपरा रहुवे. बाकिर राहुल के प्रताप अइसन निकलल कि ओहिजा के परंपरा बदल गइल अबकी. देखल जाई कि राहुल के समर्थक एह चुनाव परिणामन पर कवन रुख लेत बाड़ें.

यूपी के तीन तल्ला पंचायत चुनावो के मतगणना आजु होखे जा रहल बा. विपक्षी दल पूरा जोर लगवले रहलें कि कवनो तरह से एह चुनाव के रोकवा दीहल जाव. चुनाव ना रोक पवलें त अब मतगणना रोके पर आपन जोर लगा दिहलें. मामिला सुप्रीम कोर्ट ले पँहुच गइले बाकिर ओहिजो से उनुका असफलते हाथ लागल बा. अब आजु पंचायत चुनाव के मतगणना हो डाई आ देर रात ले सगरी परिणामो आ जाई.

अपना प्रमुख सचिव अरुण कुमार सिंह के कोरोना से भइल मौत का बाद बिहार सरकार काल्हु शनीचर का दिने भारतीय प्रशासनिक सेवा के 1985 बैच के बड़हन अधिकारी त्रिपुरारी शरण के प्रमुख सचिव बनावे के एलान क दिहलसि. साथ ही छह गो अउरिओ अधिकारियन के तबादला कइल गइल बा.

सीवान के आतंक आ राजद के सांसद रहल शहाबुद्दीन के काल्हु कोरोना के मौत मिल गइल. अठारह बरीस से जेल में बन्द शहाबुद्दीन पर अनेके क्रूर हत्यन के आरोप रहुवे. दू गो नवहियन के त ऊ तेजाब से नहवा के मुअववले रहुवे. ओकरा मौत का बाद राजद गोल में बहुते दुख पसर गइल बा. लालू के जमानत के खबर पर शहाबुद्दीन के मौत घइलन पानी डार दिहलसि.

काल्हु भाजपा के स्टार प्रचारकन में शामिल अभिनेता मिथुन चक्रवर्ती पश्चिम बंगाल के राज्यपाल जगदीप धनखड़ से राजभवन में मुलाकात कइलन. कहलन कि ई शिष्टाचार भेंट रहुवे आ एहमें कवनो राजनीतिक पेंच खोजल बेकार बाति बा.

कोरोना के महामारी का बावजूद देश में आर्थिक गतिविधियन में कवनो कमी नइखे आइल ई एह से बुझात बा कि जीएसटी राजस्व संग्रह में तेजी के रुख बरकरार बा. अप्रैल महीना में कर संग्रहण रिकार्ड 1 लाख 41 हजार 384 करोड़ रुपिया के भइल बा.

पश्चिम चंपारण जिला के भीतहा इलाका में जिगनही पंचायत के पूर्व पंचायत समिति सदस्य पचास बरीस के हीरा यादव के मौत संदेह वाला हालात में हो गइल बा.

सारण जिला में गोलडेनगंज-सोनपुर टीसनन का बीच अवतार नगर टीसन का लगे शनीचर का दिन ट्रेन से गिर के पचास बरीस के एगो औरत के मौत हो गइल. ओकर पहिचान नइखे हो पावल.

कौशांबी जिला के मोहब्बतपुर पैसा इलाका में एगो किशोरी से कुकर्म करे के आरोपी के पुलिस गिरफ्तार कर के जेल भेज दिहले बिया. औने दोसर खबर बा कि शीतला धाम कड़ा कोतवाली इलाका में गंगा नहाए गइल तीन गो नवही शनीचर का दिने डूब गइलें. दू जने के लाश त मिल गइल बा बाकिर तिसरका के तलाश जारी बा.

मिर्जापुर जिला के मड़िहान इलाका के करौदा गांव में अपना नइङर आइल एगो औरत अपना लइका का साथे तालाब में डूब मरल. कारण के पता नइखे.

यूपी में बढ़त कोरोना छूत का घेरा में मुख्तार अंसारी के अइला के खबर त रहबे कइल, अब सुने में आवत बा कि आजम खान आ उनुकर बेटो कोरोना छूताह हो गइल बाड़े.
देश के बड़हन उद्यमी अदार पूनावाला अपना परिवार समेत इंगलैण्ड चलि गइल बाड़न आ अब कुछ समय ले ओहिजे रहीहन. कहले बाड़ें कि कुछ प्रभावशाली लोग हिन्दुस्तान में उनुकर रहल मुश्किल क दिहले बाड़े आ मजबूरन उनुका इंगलैण्ड आवे के फैसला करे के पड़ल. हालांकि केन्द्र सरकार उनका के वाई श्रेणी के सुरक्षा दे दिहले रहुवे बाकिर लगाताल सुरक्षा का घेरा में रहत आपन उद्यम चला पावल उनुका मुश्किल लागल होखी.

बल्लेबाज कीरोन पोलार्ड ने नाबाद 87 रन के सहारे मुंबई इंडियंस शनीचर का दिने भइल आईपीएल मैच में चार विकेट से चेन्नई सुपरकिंग्स के हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up