टटका खबर, अतवार, 4 अप्रैल 2021

by | Apr 4, 2021 | 0 comments

विधानसभा चुनाव में अपना गोल तृणमूल कांग्रेस के संभावित हार के अनेसा से परेशान पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अब मुसलमानन से एकजुट हो के उनुका गोल के वोट देबे के गोहोर लगवले बाड़ी. शा्डिल्य गोत्र के ब्राह्मण होखे के एलान उनुका अपने खिलाफ जात लउकत बा. जान गइल बाड़ी कि अबकी हिन्दू समाज के एका मजगर बा आ ओकरा के तूड़ल आसान नइखे त अपना वोट बैंक के शरण में लवटि आइल बाड़ी. शनीचर का दिने एगो जन सभा में कहली कि ऑल इंडिया मजलिस-ए-इत्तेहादुल मुस्लिमीन अउर इ्डियन सेकूलर फ्रंट भाजपा के बोलावल साजिश ह आ ई लोग भाजपा से मिलीभगत क के मुसलमान वोट बाँटे-बँटवावे का कोशिश में लागल बा. कहली कि ई दिल्ली ना बंगाल के चुनाव ह आ मुसलमान लोग उनुका त़णमूल के वोट देसु ना त बंगाल छोड़े के पड़ जाई मुसलमानन के.
परसों 6 अप्रैल के पश्चिम बंगाल आ असम के तिसरका चरण के, आ तमिलनाडु, केरल अउर पुद्दुचेरी के एके चरण के वोटिंग होखी आ एह इलाकन में प्रचार के काम आजु साँझ से बन्द हो जाई.

भारतीय जनता पार्टी के प्रचार करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी हुगली जिला के ताड़केश्‍वर में एगो चुनाव सभा में कहलन कि बंगाल के लोग अब विकास का साथे चले के किरिया ले लिगले बा आ अब असली परिवर्तन चाहत बा. कहलन कि पिछला दू चरण का बाद मुख्‍यमंत्री ममता बनर्जी आपन हार सकार चुकल बाड़ी आ ओही निराशा में चुनाव आयोग आ सुरक्षा बल के जवानन पर दोष लगावत बाड़ी. हर चरण के चुनाव के बाद दीदी के बौखलाहट बढत जाई आ हमरा के गरियावलो बढावत जइहें.

कोरोना के तेजी से पसरत दुसरका दौर सभका के चिन्तित कइले बा. हालांकि देश कोरोना से लड़ाई में आपन पूरा बेंवत लगावे में कवनो कोर कसर नइखे छोड़ले. अबहीं ले करीब साढ़े सात करोड लोग के कोविड टीका लगावल जा चुकल बा. संतोष कइल जा सकेला कि तेजी से बढ़ला का बावजूद कोरोना के सफल इलाजो बढ़ल बा आ एहसे मरे वाला सरीजन के आंकड़ा ओह रफ्तार से नइखे बढ़त जवना रफ्तार से नया मरीज भेंटात बाड़ें. असल में पहिले का मुकाबले अब अधिक सहजता से लोग आपन जाँच करावत बा. पहिले लोग डरे लुकाल-भागत रहुवे.

कोविड से निपटे में देश कतना सफल बा एकर प्रमाण देखल जाव त देखीं कि देश के निर्यात मार्च 2021 में 34 अरब डॉलर के भइल. पिछला साल का मार्य में ई साढ़े 21 अरब डॉलर के रहुवे. आयातो में अइसने तेजी आइल बा आ पिछला साल मार्च 2020 में साढ़े 31 अरब का मुकाबले एह साल मार्च 2021 में 48 अरब के पार हो गइल बा.

छत्‍तीसगढ के बस्‍तर संभाग का बीजापुर जिला में काल्हु नक्सली मुठभेड में पांच गो सुरक्षाकर्मियन के बीरगति हो गइल. जगरगुंडा इलाका के जोनागुड़ा गांव का नियरा घात लगा के नक्सली सुरक्षा बल पर हमला कइले स. एनिओ से जवाबी फायरिंग कइल गइल आ करीब तीन घंटा ले मुठभेड़ चलल.

दुबई पैरा बैडमिंटन इंटरनेशनल टूर्नामेंट में भारतीय खिलाड़ी आपन शानदार प्रदर्शन करत 17 गो पदक पक्का क लिहले बाड़ें. प्रमोद भगत, मनोज सरकार, सुकांत कदम, नितेश कुमार, कृष्णा नगर, मानसी जोशी अउर पारुल परमार सेमीफाइनल में पहुंच गइल बा लोग.

रोहतास जिला के डेहरी मुफ्फसिल इलाका में जीटी रोड पर सशस्त्र अपराधी एगो ई-कॉमर्स कंपनी के कर्मचारियन से सात लाख रुपिया लूट ले भगले.

वाराणसी के महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ में स्नातक अउर स्नातकोत्तर में दाखिला परीक्षा ला ऑनलाइन आवेदन शनीचर से शुरू हो गइल बा. तीन मई ले आवेदल कइल जा सकेला.

करगहर इलाका में शनीचर का दिने एगो ट्रक का धक्का से एगो ठेला चालक के मौत हो गइल आ ओकर बेटा घवाहिल हो गइल.

उत्‍तर प्रदेश के महराजगंज जिला के कोठीभार इलाका के पटखौली गाँव तीन दिन से एगो हुँड़ार के आतंक से हलकान बा.

जौनपुर में पूर्व सांसद धनंजय सिंह आ उनुका करीबी आशुतोष सिंह जमैथा के गिरफ्तारी ला कई जगहा छापा का बावजूद अपराधी पुलिस का हाथे ना लगले.

जौनपुर जिले के मुंगराबादशाहपुर क्षेत्र में शनिवार शाम ट्रक और बाईक की टक्कर में बाइक सवार दो युवकों की मृत्यु हो गई।
प्रतापगढ जिला के बलीपुर के पूरे गोसाईं के रहे वाला दू जने साँझ बेरा मुंगरा बादशाहपुर से गैस सिलेंडर लेके बाइक से वापस अपना घरे जात रहुवे जब सटवा स्कूल का नियरा एगो ब्रेकर से असंतुलित होके प्रतापगढ़ ओर जात एगो ट्रक का पीछे घुस गइले. दुनु के मौत ठाँवे पर हो गइल.

सारण जिले के गड़खा इलाका में कमालपुर गाँव का लगे शनीचर का दिने भइल सड़क हादसा में एगो औरत आ ओकरा बेटी के मौत हो गइल जबि परिवार के जाँच ने अउर धवाहिल हो गइलें. गया जिला के रहे वाला ई परिवार देवघर से पूजा क के सीवान लवटत रहलें जब ओह लोग के स्कार्पियो सामने एगो ट्रक से टकरा गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up