टटका खबर, बियफे, चईत अँजोरिया तृतिया 2078 विक्रमी

by | Apr 15, 2021 | 0 comments

कोरोना महामारी का हाहाकार का बीच बेबस सरकार आखिरकार सीबीएसई के 10वीं के परीक्षा रद्द क के एगो नियत पैमाना का हिसाब से परिणाम तय कर दी. अगर कवनो विद्यार्थी एबसे सहमत ना होखी त ऊ बाद में होखे वाला परीक्षा देके आपन परिणाम सुधरवावे के मौका पा सकी. 12वीं का परीक्षा अबहीं टारल गइल बा. बाकिर कुकुरबझाँव का हालत देखत कहल जा सकेला कि एकरो परिणाम वइसने होखे जा रहल बा. परीक्षन का बारे में ई फैसला प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी केन्‍द्रीय शिक्षा मंत्री आ मंत्रालय के वरिष्‍ठ अधिकारियन का साथे बइठक का बाद लिहलन,

पश्चिम बंगाल में होखत विधानसभा चुनाव के पाँचवा डेग में 45 सीटन पर चुनाव प्रचार के काम काल्हुवे साँझ से बन्द हो गइल, छह जिलन में पसरल एह चनावी डेग के मतदान 17 अप्रैल शनीचर के करावल जाई. आ चुनाव आयोग एह डेग में एक दिन पहिलहीं प्रचार रोक दिहलसि,

कोरोना महामारी का चलते लॉकडाउन का अनेसा का बीच राहत के खबर बा कि रेल सेवा बन्द ना होखी आ जरुरत का हिसाब से स्पेशल ट्रेन चलावल जात रही.

अमरीका में राष्ट्रपति जो बाईडन प्रशासन 11 सितंबर ले अफगानिस्तान में तैनात अमरीकी सैनिकन के हटा लेबे के फैसला क लिहलसि. जान जाईं कि अफगानिस्तान में अमरीका के अढ़ाई हजार सैनिकन का अलावे सात हजार अउरिओ विदेशी सैनिक तैनात बाड़ें जे नाटो गठबन्हन के देशन से बाड़ें. ओह लोग का बारे में फेसला ऊ देश करिहें.

सत्ता के नशा में बउराइल भाजपा नेता आ बिहार के स्वास्थ्य मंत्री मंगल पाण्डेय पर एहसे कवनो असर ना पड़ल कि उनुका निरीक्षण का चलते अस्पताल मरीजन के भरती करे से मना कर दिहलसि आ एगो रिटायर्ड फौजी जवान के मौत एंबुलेन्से में इंतजार करत में हो गइल. आ बदमिजाज मंत्री उनुका परिजनन से एगो सहानुभूति के बोलो ना बोललें आ मीडिया का सोझा अस्पताल के बड़ाई क के निकल लिहलें. जान जाईं कि लखीसराय से 60 बरीस के रिटायर्ड कोरोना पीड़ित फौजी एनएमसीएच में भरती होखे आइल रहुवन. बाकिर ओह घरी बिहार के स्वास्थ्य मंत्री मंगल पांडेय एमसीएच वार्ड में भरती मरीजन के मिले वाला सुविधा देखत रहलें आ इलाज का अभाव में ओह मरीज के मौत एंबुलेंसे में हो गइल.

कौशांबी के करारी इलाका के मीरापुर गांव में बुध उपरी बेरा पोखरा में नहात एगो लड़िका के मौत डूबला से हो गइल.

वाराणसी आवे स् परहेज करे के गोहार लगावत प्रशासन तय कइले बा कि श्री काशी विश्वनाथ मंदिर, मां अन्नपूर्णा मंदिर, आ श्री संकट मोचन मंदिर में दर्शन ला आवे वाला लोग का लगे आटीपीसीआर जांच के नेगेटिव परिणाम होखल जरुरी रही.

गोण्डा जिला के कौड़िया इलाका में एगो नाजायज असलहा कारखाना अहियाचेत गांव मे मिलल. पुलिस ओहिजा से नौ गो असलहा का साथे एगो आदमी के गिरफ्तार क लिहलसि.

पलामू जिला के सतबरवा इलाका में काल्हु बुध का भोर में भइल कार आ ट्रक के टक्कर में एके परिवार के तीन जने के जान चलि गइल.

सारण जिला के बनियापुर इलाका में चुनावी रंजिश का चलते सुपारी लेके पिछला 2 मार्च के हत्या करेवाला दू गो अपराथियन के गिरफ्तार क लिहलसि पुलिस. सारणे जिला के रिविलगंज इलाका में बुध का दिने सरयू नदी में डूबला से दू गो नवहियन को मौत हो गइल. एगो अउर खबर छपरा शहर के प्रभुनाथ नगर मुहल्ला में पानी टंकी का नियरा सड़क हादसा में अमनौर इलाका के शेखपुरा गांव के एगो आदमी के मौत हो गइल.

सुपौल जिला के पिपरा इलाका के महिचंदा गांव में एगो आदमी के गोली मार के हत्या क दिहले सँ बदमाश.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up