टटका खबर, बियफे, वैशाख अँजोरिया द्वितीया, 2078 विक्रमी

by | May 13, 2021 | 0 comments

ममता बनर्जी नइखी चाहत कि तृणमूल के हिंसा के मामिला के सचाई देश का सोझा आवे. ना त ऊ राज्यपाल के, ना केन्द्र के सवालन के जबाव दीहल चाहत बाड़ी, अब जब पश्चिम बंगाल के राज्यपाल जगदीप धनखड़ चुनावी हिंसा से पीड़ित रहल कूचबिहार जाए वाला बाड़न त ममता उनुका के एह दौरा पर ना जाए के कहत बाड़ी. आजु बीएसएफ के विमान से राज्यपाल धनकड़ कूचबिहार जइहें आ सर्किट हाउस में आम जनता आ मीडिया से भेंट करीहें. राज्यपाल असमो जाए के कहले बाड़न जहाँ बंगाल से भागल लोग शरण लिहले बा. ममता बनर्जी के मनाही दरकिनार करत राज्यपाल उनुका के जबाब लिखले बाड़न कि उनुका से ओह संविधान खातिर प्रतिबद्ध रहे के कहले बाड़न जवना के माने के ऊ किरिया खइले बाड़ी. इहो कहले बाड़न कि ऊ संविधान के अनुच्छेद 159 का तहत मिलल जबाबदेही का हिसाब से अपना बेंवत भर संविधान आ कानून के संरक्षण, रक्षा अउर बचाव खातिर काम करीहें आ पश्चिम बंगाल जनता के भलाई आ सेवा ला अपना के समर्पित सेवक बनइहें.

दुनिया भर में कोरोना के कहर बढ़त रहे के खबर आवत बा. करीब 16 करोड़ लोग दुनिया भर में कोरोना छूताह हो गइल बाड़ें आ 33 लाख से अधिका लोग कोरोना का चलते आपन जान गँवा चुकल बा. दुनिया में कोरोना पीड़ित देशन में दुसरका नम्बर पर बा भारत. एहिजा अबहीं ले 2 करोड़ 33 लाख 40 हजार 938 लोग कोरोना छूताह हो चुकल बा जवना में से 1 करोड़ 93 लाख 82 हजार 642 लोग एह छूत से ठीक हो चुकल बा आ 2 लाख 54 हजार 197 लोग के जान जा चुकल बा कोरोना से. वइसे आंकड़ा के पसार देखि के लागत बा कि अब भारत कोरोना के दुसरका कहर के खराब दौर से निकले का ओर बढ़ रहल बा.

सारण जिला के नगर इलाका के नगर पालिका चौक का लगे एगो निजी फाइनेंस कंपनी के कार्यालय में चार गो लूटेरा घुस गइलें आ असलहा के डर देखा के सभका के हड़कावत कार्यालय में मौजूद सोना, विदेशी मुद्रा अउऱ रूपया समेत 11 लाख रूपिया के संपति लूट लिहलें.

कौशांबी जिला के सराय अकिल इलाका में एगो बेकाबू डंपर से कचरा के उस्मानपुर विगहरा गांव के एगो औरत के मौत ठाँवे पर हो गइल. ऊ अपना बेटा के मोटरसाइकिल पर बइठ बाजार जात रहली जब ई हादसा हो गइल. बेटो घवाहिल हो गइल बा.

प्रयागराज शहर के मुट्ठीगंज इलाका में एगो मोबाइल का दुकान में लागल आग से लाखों रुपिया के सामान जर के राख हो गइल.

जौनपुर जिला के शाहगंज कोतवाली इलाका के मजडीहा गाँव में जमीनी विवाद का चलते भइल मारपीट से एगो नवही के मौत हो गइल. पिटाई करे वाला ओकरा बाद फरार हो गइल बाड़े.

रोहतास जिला में आरा सासाराम सड़क पर संझौली इलाका के सिकठी गांव का नियरा भइल एगो सड़क हादसा में बाइक सवार चार जने के मौत हो गइल.

देश के शेयर बाजार में लगातार दुसरका दिने गिरावट के दौर रहल. सेंसेक्स 471 अंक आ निफ्टी 154 अंक गिर के बंद भइल. आजु ईद के छुट्टी का चलते शेयर बादार बंद रही.

इजरायल पर फिलिस्तिनी रॉकेट हमला का जबाब में जारी इजरायली हमला के दौर बदस्तूर जारी बा. अब फिलिस्तिनी युद्धबंदी करे खातिर गिड़गिड़ात बाड़ें बाकिर इजरायल ओह लोग के गोहार अनसुनी कइले आपन हमला जारी राखे के बात कहत बा. कहले बा कि जबले एह लोग के डाँड़ हमेशा ला ना तूड़ दी तबले हमला जारी राखी. अपना देश में हिन्दुवन का खिलाफ होखे वाला हिंसा पर चुप्पी साधे वाला जमात एहघरी सोशल मीडिया पर रोवत बा कि मानवतावादी लोग इजरायल के आलोचना करे आ निहोरा करे कि फिलिस्तीन पर हमला रोके. बाकिर ई जमात कबो फिलिस्तिनियन के सलाह ना देव कि इजरायल पर हमला आ आतंकी वारदात कइल बंद कर देव.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up