टटका खबर, बियफे, वैशाख अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी

by | May 6, 2021 | 0 comments

नंदीग्राम में ममता के हरा के विधायक बनल सुवेंदु अधिकारी काल्हु कहलन कि साफ हो गइल बा कि तृणमूल कांग्रेस प्राइवेट लिमिटेड कंपनी हउवे. 213 गो विधायक जीतला का बादो ओहमें से केहू के नेता ना बना के चुनाव हारल ममता के मुख्यमंत्री बनावल एकरा के साबित करत बा.
जान जाईं कि ममता के हरा के आपन कद बहुते बढ़ा चुकल सुवेंदु अधिकारी के नेता प्रतिपक्ष पद मिलल करीब करीब तय हो गइल बा. एकरा साथही हर दिन ममता विधानसभा में उनुका के अपना सोझा देखीहें आ उनकर खीझ बरकरार रही.

बंगाल में चुनावी नतीजन का बाद से शुरु हिंसा पर केंद्र सरकार के तेवर सख्त लउकत बा. मांगल रिपोर्ट ना मिलला का बाद काल्हु फेरु चेतवले बिया कि अगर राज्य सरकार पूरा रपट जल्दी नइखे भेजत त एकर गंभीर परिणाम हो सकेला. राज्य सरकार जल्दी से जल्दी हालात पर काबू पावे.
भाजपा अध्यक्ष जे पी नड्डा काल्हु बुध का दिने दावा कइलन कि चुनाव के बाद से शुरु हिंसा में नाहियो त 14 गो भाजपा कार्यकर्तन के हत्या कइल गइल बा, लाखों लोग आपन घरबार छोड़ के पड़ोसी राज्यन में शरण लिहले बाड़ें, एह हालात पर ममता के चुप्पी पर सवाल उठावत नड्डा ममता पर एह हिंसा में सनाइल होखे के आरोप लगवलन.

कोरोना के जारी कहर का बीच एकरा से छूताह भइल लोगन के गिनिती लगातार बढ़ल जात बा. उपलब्ध ताजा आंकड़ा बतावत बा कि दुनिया के 192 देशन में कोरोना छूताह भइल लोग के गिनिती 15 करोड़ 43 लाख 66 हजार 761 हो गइल बा आ एकरा से 32 लाख 27 हजार 887 लोगन के मौत हो चुकल बा. सबले बेसी मरीज अमेरिका में बाड़ें जहाँ कोरोना छूताहन के गिनिती 3 करोड़ 25 लाख 12 हजार 934 हो गइल बा आ एहमें से 5 लाख 78 हजार 499 मरीजन के मौत हो चुकल बा. दुनिया में दुसरका नंबर भारत के बा जहाँ 2 करोड़ 6 लाख 65 हजार 148 कोरोना छूताह मरीजन में से 2 लाख 26 हजार 188 लोग के जान जा चुकल बा. मरे वाला मरीजन का मामिला में ब्राजील में भारत से अधिका लोग मरल बा. ओहिजा कोरोना से 4 लाख 11 हजार 588 लोग के मौत भइल बा.

बिहार के नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव लॉकडाउन के फैसला के देरी से लीहल फैसला बतवले त लोकसभा में जदयू संसदीय दल के नेता ललन सिंह उनुका से सवाल कइले बाड़न कि बिहार के जनता जानल चाहत बिया कि आखिर कवना बिल में लुकाइल बाड़न तेजस्वी यादव.
जान जाईं कि दिल्ली में बईठ के ट्वीटर से राजनीतिक बयानबाजी करत तेजस्वी से मुसलमानो नाराज हो गइल बाड़े काहें कि दिल्ली में रहला का बावजूद तेजस्वी शहाबुद्दीन के मातमपुर्सी करे ना अइलन. जब शहाबुद्दीन के सुपुर्दे-खाक कइल गइल ओहू बेरा तेजस्वी ना अइलन.

गोण्डा जिला महिला अस्पताल के मुख्य चिकित्साधीक्षक डा.ए पी मिश्र के कोरोना का चलते मौत हो गइल बा.

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार लोग से निहोरा कइले बाड़न कि कोरोना के कहर से उपजल हालात में शादी बियाह जइसन सामाजिक आयोजन अबहीं कुछ समय ला टार दीहल जाय.

उत्तर प्रदेश सरकार राज्य में कोरोना कर्फ्यू के मियाद बढ़ा के अब सोमार सबेरे सात बजे ले क दिहले बिया. जान जाईं कि तीन दिन खातिर लगावल कर्फ्यू गँवे गँवे बढ़ा के दस दिन के क दीहल गइल बा. एहसे आम जनता के फजीहत हो रहल बा. जरुरी सामान के इंतजाम ना रहला से लोग के दिक्कत बहुते बढ़ गइल बा. सरकार के चाहत रहुवे कि एको साथे एलान कइले रहीत भा एक दिन के ब्रेक दे दीत एह कर्फ्यू में त लोग आपन जरुरी बाजार कर लीत.

जौनपुर जिला के महाराजगंज इलाका के करछुली गाँव के एगो आदमी के चुनावी रंजिश में गोली मार दीहल गइल. बजावल जात बा कि उ कवनो उमीदवार के वोट दिआवे के ठीका लिहले रहुवे जवना के पूरा ना करा सकल. एगो दोसर खबर बा कि शाहगंज कोतवाली इलाका में एगो ट्रैक्टर का चपेटा में पड़ के बाईक सवार अधिवक्ता के मौत हो गइल.

गोपालगंज जिला के नगर इलाका से बुध का दिने पुलिस वाहन चोर गिरोह के पांच गो बदमाशन के बसडिला ब्रह्म स्थान का नियरा ओहनी के एगो ठिकाना पर छापा मार के गिरफ्तार कर लिहलसि.

सारण जिला के अवतार नगर इलाका के सखनौली गाँव के एगो आदमी खेत में लगावल बिजली के बाड़ से छुआ गइल आ करंट का चलते ओकर मौत हो गइल.

जौनपुर जिला के सरायख्वाजा इलाका में अतरही गाँव के एगो गल्ला व्यवसाई के मरला का बाद ओकरा कर्ज का दबाव में व्यवसाई के बेटा अपना के गोली मार के जान दे दिहलसि. सूदखोर ओकर जीयल मुश्किल क दिहले रहुवन स.

देश के स्वास्थ्य संरचना में लागल उद्यमन के आसान करजा दिआवे के भारतीय रिजर्व बैंक के एलान का बाद काल्हु शेयर बाजार में जान लवटि आइल. काल्हु सेंसेक्स 424 अंक बढ़ि के आ निफ्टी 121 अंक बढ़ि के बन्द भइल. आजु दुनिया के शेयर बाजारन से मिलल संकेत बतावत बा कि देश के शेयर बाजार बढ़त का साथे खुलीहें सँ.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up