टटका खबर, बियफे, वैशाख अन्हरिया तृतिया, 2078 विक्रमी

by | Apr 29, 2021 | 0 comments

कोविड महामारी के बहुते खराब दौर से गुजरत हालात में पूरा दुनिया से भारत के सहायता के प्रसाताव आइल बा. बाकिर भारत सरकार ओहि देशन के सहायता प्रस्ताव पर विचार करत बा जिनका से भारत के विकास साझेदारी चलत बा. चीन आ पाकिस्तान का तरफ से आइल प्रस्तावन पर सरकार कुछुओ बोले से परहेज करत बिया. वइसे चीन के बाजार से सामान खरीदला पर कवनो मनाही नइखे भारत सरकार के.

पश्चिम बंगाल में आजु आठवाँ आ आखिरी दौर के मतदान करावल जा रहल बा. आजु के मतदान में 35 सीटन पर वोट डालल जा रहल बा. आजु साँझ से टीवी चैनलन पर एक्जिट पोल के कुकुरबझाँव शुरु हो जाई आ एकरा से संतोष इहे रही कि कुछ दिन ला चैनलन के पैनल से कोरोना के कहर उतर जाई. अगर भाजपा के पक्ष में परिणाम ना आईल त करीब सगरी चैनल जश्न मनइहें बाकिर अगर पक्ष में फैसला आइल त कहल जाई कि अपना धनबल का ताकत पर देश के हरा के भाजपा जीत गइल.

रक्षा अनुसंधान अउऱ विकास संगठन – डीआरडीओ – काल्हु हवा से हवा में मार करे वाला अपना पाइथन-5 मिसाइल के सफल परीक्षण कइलसि. एह मिसाइल के देशे में बनल हलुका लड़ाकू विमान तेजस पर लगावल जाई.

कोरोना के बढ़त दुसरका लहर का चलते बिहार सरकार राज्य में दुकानन आ आफिसन के साँझ चारे बजे बन्द कर देबे के कहले बिया आ साँझ छह बजे के अगिला दिने सबेरे छह बजे ले रात्रि कर्फ्यू लागल करी.

पश्चिम चंपारण जिला बगहा अनुमंडलीय अस्पताल में तैनात दू गो एंबुलेंस चालकन के नशा का हालत में गिरफ्तार कर लीहल गइल बा.

कौशांबी के कोखराज इलाका में काल्हु साँझ कानपुर प्रयागराज नेशनल हाइवे पर एगो कार पहिले मोटरसाइकिल के टक्कर मरलसि आ ओकरा बाद ट्रक से टकरा गइल. एहसे मोटर साइकिल सवार जिन लोग के मौत हो गइल. कार सवार दू जने घवाहिल हो गइलें.

आजु उत्तर प्रदेश के पंचायत चुनावन के चउथा दौर के मतदान 17 जिलन में हो रहल बा.

सारण जिला के परसा इलाका में सीवान सीतरपुर रोड पर मंगल देर राति भइल एगो सड़क हादसा में एंबुलेंस चालक के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें. सीवान अस्पताल से एगो गभीराह मरीज के लेके एंबुलेंस पटना मेडिकल कॉलेज अस्पताल जात रहुवे.

एगो दोसरा हादसा में सारण जिला के गड़खा इलाका के सलहा गांव के पैदल जात एगो बूढ़ के मोटरसाइकिल से लागल धक्का का बाद मौत हो गइल.

जौनपुर जिला के लाइनबाजार इलाका में काल्हु भइल ट्रक आ ऑटो के टक्कर में ऑटो सवार एक आदमी के मौत हो गइल आ चार जने घवाहिल हो गइलें.की हुई भिड़ंत में एक व्यक्ति की मृत्यु हो गयी जबकि एक महिला समेत चार लोग हुए गंभीर रूप से घायल हो गये।

मऊ पुलिस काल्हु बुध का भोरे सरायलखंसी इलाका के भंवरेपुर गांव का लगे डेढ लाख के इनामी बदमाश लालू यादव के मार गिरवलसि.

मिर्जापुर शहर कोतवाली इलाका के छोटी गुदरी मोहल्ला में काल्हु एगो पुरान जर्जर मकान के छत गिरला का चलते ओह में किराया पर रहे वाला एगो पूरा परिवार के मौत हो गइल. एहमें मरद-मेहरारु, दू गो बेटा आ एगो बेटी के मौत शामिल बा.

आईपीएल मैच में काल्हु चेन्नई सुपरकिंग्स सात विकेट से सनराइजर्स हैदराबाद के हरा के फेरु अंकतालिका के माथ पर आ गइल. परसों एह जगहा बेंगलुरू टीम ओकरा के हटा के आइल रहुवे.

काल्हु शेयर बाजारन में लगातार तिसरका दिने लिवाली के जोर बनल रहल आ सेंसेक्स 790 अंक आ निफ्टी 211 अंक चढ़ि के बंद भइल. आजु साप्ताहिक आ मासिक वायदा बाजार के आखिरी दिन ह आ आजुओ लिवाली बनल रहे के उमेद जलावल जा रहल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up