टटका खबर, बियफे, 1 अप्रैल 2021

by | Apr 1, 2021 | 0 comments

सतरह बरीस लागल बाकिर अहमदाबाद के विशेष सीबीआई अदालत फैसला सुना दिहलसि कि इशरत जहाँ आतंकवादी रहुवे आ ओकरा के मार गिरावल कवनो तरह से अपराध ना मानल जा सके. एह मामिला में आरोपी बनावल गइल तीनो पुलिस अधिकारियन के अदालत निर्दोष मान लिहलसि, जान जाईं कि जून 2014 में गुजरात के तब मुख्यमंत्री रहल नरेन्द्र मोदी के खून करे के साजिश में शामिल इशरत जहाँ आ जावेद शेख के पुलिस मुठभेड़ में मौत हो गइल रहुवे.

आजु असम आ पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के दुसरका चरण के वोटिंग करावल जा रहल बा. देश दुनिया के नजर नंदीग्राम चुनाव पर टिकल बा जहाँ से ममता बनर्जी शुवेन्दु अधिकारी के जोरदार टक्कर हो रहल बा. एह चुनाव के परिणाम देश के राजनीतिओ पर असर डाली. एही बीच ममता अपील कइले बाड़ी कि देश के सगरी विरोधी अगर एक ना होखीहें त मोदी आ भाजपा के हरावल मुश्किल हो जाई.

कोरोना के दुसरका लहर में लखनऊ के बाद अब कानपुर आ बनारसो में हालात गंभीर होखे लागल बा. उत्तर प्रदेश में पिछला 24 घंटे में कोरोना के 1230 नया मामिला मिलल बा. आजु एक अप्रैल से देश भर में 45 वर्ष से अधिका उमिर के हर आदमी औरत कोविय के टीका लगवा सकेला. पहिला दोसरा बीमारियन से पीडिते लोग टीका लगवा सकत रहुवे.

वाराणसी के चौबेपुर इलाका के बराई गांव में मामूली बाताबाती का बाद एगो भाजपा समर्थक पूर्व बीडीसी सदस्य के हत्या कर दीहल गइल. एह मामिला में पुलिस दू जने के गिरफ्तार कइले बिया.

माफिया बाकिर विधायक बन गइल मुख्तार अंसारी पर पोटा लगावे वाला पुलिस उपाधीक्षक शैलेंद्र सिंह के तब के समाजवादी सरकार के दबाव ना मनलन आ पोटा हटावे का बदले नौकरी से इस्तीफा दीहल पसन्द कइले रहले. एकरा बाद समाजवादी सरकार उनुका पर गलत आरोप लगा के मुकदमा ठोक दिहले रहुवे. अब योगी सरकार उनुका पर लगावल सगरी मुकदमा वापस ले लेबे के आदेश दे दिहलसि.

आजमगढ़ में नकाबपोश बदमाश काल्हु फजीरे छत पर सूतल मरद मेहरारु पर हमला क दिहलें. मरद के गरदन रेत के जान ले लिहले सँ आ मेहरारुओ के छीरा घोंप घवाहिल करत भाग गइले सँ.

आज़मेगढ़ जिला के रौनापार इलाका के देवारा खास राजा गांव में कुछ बदमाश मंगल के राति चुनाव प्रचार से लवटत निवर्तमान ग्राम प्रधान के बेटा के गोली मार घवाहिल क दिहले सँ.

झारखंड के कांग्रेस समर्थित सरकार का राज में हिन्दूवन पर अनेत हो रहल बा. कांग्रेस के कहना बा कि रामनवमी जुलूस निकाले के माँग करे भा एकर कोशिश करे वालन पर सख्त कार्रवाई कइल जाव.

सारण जिला में पूर्वोत्तर रेलवे के छपरा कचहरी-थावे रेलखंड के टेढ़ा हाल्ट स्टेशन का नियरा काल्हु एगो मेहरारु ट्रेन से कटा के मर गइल.

रोहतास जिला के इंद्रपुरी बराज का नियरा सोन नदी में नहात घरी डूबल चार जने के लाश काल्हु बुधवार के मिल गइल.

सारण जिला के रसूलपुर इलाका में मंगलवार का दिने एगो औरत के मौत आग से जरला का चलते हो गइल. ओकरा नइहर के लोग एह मामिला के दहेज के मसला बताबत आरोप लगवले बाड़न कि ससुराल के लोग ओकरा के जरा का मार दिहले बा.

अबहीं टटका टटका खबर आइल बा कि वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण ट्वीट क के बचवले बाड़ी कि छोट छोट बचत योजना में ब्याज दर कम करे के फैसला अबहीं टार दीहल गइल बा. पहिले आजु से एकरा के कम करे के खबर रहुवे. देश भर में आजु से रसोई गैस के दामो घटा दिहले बाड़ी सँ तेल कंपनी.

झारखंड के सिमडेगा में 3 अप्रैल से शुरू होखे वाला जूनियर नेशनल महिला हॉकी चैंपियनशिप कोरोना महामारी का चलते टार दिहल गइल बा. जान जाईं कि एहमें शामिल होखे आइल कई खालाड़ियन के कोरोना जाँच में छूत मिलला का बाद ई फैसला कइल गइल.

विश्‍व बैंक के अनुमान बा कि वित्‍तवर्ष 2021-22 का दौरान भारत के सकल घरेलू उत्‍पाद (जीडीपी) के वृद्धि दर 10.1 प्रतिशत रही, पहिले ओकरा लागल रहुवे कि ई दर 5.4 प्रतिशत रही.

दुनिया के माथ महिला टेनिस खिलाड़ी ऑस्‍ट्रेलिया के ऐश्‍ली बार्टी मियामी ओपन टेनिस टूर्नामेंट के महिला सिंगल के सेमीफाइनल में पहुंच गइल बाड़ी. आजु मीफाइनल में उनुकर मुकाबला पांचवां जगहा पर आइल खिलाड़ी यूक्रेन के एलीना स्वेतोलीना से होखी.

दुनिया भर के शेयर बाजारन के गिरावट देखत आ कोरोना महामारी के पुरहर पसार होखला से चिन्तित निवेशन के बिकवाली का दबाव से देश के शेयर बाजार में बुध का दिने गिरावट दर्ज कइल गइल. सेंसेक्स 627 अंक गिर के आ निफ्टी 154 अंक गिर के बन्द भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up