टटका खबर, बियफे, 4 जनवरी 2018

by | Jan 5, 2018 | 0 comments


यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे का दिने आजमगढ़ जिले के सठियांव ब्लॉक का किसान सहकारी मिल के मैदान में आसवनी आ एथेनॉल प्लांट समेत पांच सौ बावन करोड़ रुपिया के अनेके परियोजनन के शिलान्यास भा लोकार्पण करत कहनी कि उहाँ के सरकार राज्य के बाईस करोड़ लोगन के सुरक्षा के जिम्मेदारी आ नवहियन अउर किसानन के खुशहाली ला किरिया खइले बिया. बतवनी कि एक सौ सोलह गो चीनी मिलन में पेराई शुरु हो गइल बा आ तीन गो अउरियो मिल जल्दिए पेराई शुरु क दीहें.

शामली जिला के कैराना इलाका के जंधेड़ी गांव में मंगल रात बदमाशन से भइल मुठभेड़ का दौरान घवाहिल सिपाही अंकित तोमर के निधन नोएडा का अस्पताल में हो गइल. एह शहीद सिपाही के परिजन ला कुल मिला के पचास लाख रूपिया के मदद देबे के एलान मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कइले बानी. एहमें से चालीस लाख रुपिया सिपाही के मेहरारू के आ दस लाख रुपिया उनुका बाप महतारी के दीहल जाई.

सुप्रीम कोर्ट काल्हु क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड के आदेश दे दिहलसि कि ऊ बिहार क्रिकेट संघ के रणजी ट्रॉफी आ राष्ट्रीय स्तर के सगरी मैचन में खेले देव. झारखंड आ बिहार के बोर्डन के झगड़ा बादो में फरिआवत जा सकेला. जाने जोग बा कि बिहार के बंटवारा का बाद बीसीसीआई बिहार क्रिकेट संघ के पूर्ण सदस्य के दर्जा दीहल रोक दिहले रहुवे जवना चलते पिछला सतरह बरीस से बिहार के टीम क्रिकेट प्रतियोगितन में शामिल ना हो पावत रहुवे आ बिहार के खिलाड़ी दोसरा राज्यन का टीमन का तरफ से खेलत रहलें.

जम्मू में आतंकवादियन के घुसपैठ रोके ला 192 किलोमीटर लमहर सीवान प बीएसएफ आपरेशन अलर्ट चलावत बिया. एह दौरान बियफे का दिने एगो घुसपैठिया के मार गिरावल गइल आ बुध का दिने दू गो पाकिस्लानी चौकियन के बरबाद क दिहल गइल. एह हमला में नाहियो त दस गो पाकिस्तानियन के मराए के खबर बा. पाकिस्तानी गोलीबारी में शहीद बीएसएफ के जवान के बदला लेबे ला ई हमला कइल गइल रहे.

अरबों रुपिया के चारा घोटाला में अपराधी मान लिहल लालू के सजा सुनावे के सुतार बियफहुँ का दिने ना बन पावल. उनुका वकील के कहना बा कि अदालत से 70 बरीस के बूढ़ आ बीमार लालू ला मुलायमियत बरते के गोहार लगावल जाई. ओने जज के कहना बा कि लालू के समर्थक लोग उनुका के फोन करत बा. फोन प का कहत बा एकर जानकारी त ना दिहलें बाकिल लालू के भरोसा दिहलें कि घबरासु जिन, उनुका के कानूने मुताबिक सजा सुनावल जाई. लालू अपना के हाई कोर्ट आ सुप्रीम कोर्ट के वकील बतावत जेल में अउरी सुविधा मँगलन त जज के कहना रहल के एकरा फायदा का साथे अउरियो बहुत कुछ जोड़ा जाई.

इस्लामिक शिक्षण संस्था दारूल उलूम देवबंद फतवा जारी क के बैंककर्मियन के हराम काम करेवाला बतवले बावे आ कहले बावे कि ओहनी किहाँ शादी बियाह ना करे के चाहीं. दारूल उलूम के कहना बा कि बैंक सूद प चलेला जवना के इस्लाम में हराम मानल गइल बा.

अफगानिस्तान का राजधानी काबुल बियफे का दिने भइल फिदायिन हमला में नाहियो त बीसन लोग के जान चल गइल.

देश के टुकड़ा करे का मकसद से हिन्दुवन में फूट डाल के हिंसा के आग लगावे वाला टुकड़खोरन का खिलाफ महाराष्ट्र पुलिस भीमा कोरेगांव हिंसा मामिले में जिग्नेश मेवानी आ उमर खालिद का खिलाफ मामिला दर्ज क के ओहनी का खिलाफ सर्च वारंट जारी कइले बिया. दुनु कतहीं तुकाइल बाड़ें सँ. जान जाईं कि कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गाँधी एहनिए का भरोसे आपन राजनीतिक वापसी के सपना देखत बाड़ें. सत्ता में आवे खातिर हर कुकर्म करे ला तणयार लउकत बाड़ें कांग्रेसी आ ओहनी के पोसुआ कुछ मीडिया.

अपना मुल्ला भोट बैंक बचावे ला विरोधी दल राज्यसभा में तीन तिलाक का खिलाफ बने जात विधेयक प चरचा होखल नइखन देत. एह लोग के कोशिश बा कि एह विधेयक के हर हाल में लटका दीहल जाव. बियफहुँ का दिने राज्‍यसभा के कार्यवाही ना चले दीहल गइल.

पिछला तीन दिन से जारी गिरावट से उबरत देश के शेयर बाजारन में बियफे का दिने तेजी दर्ज भइल आ सेंसेंक्स आ निफ्टी बढ़ के बंद भइली सँ.

बक्सर जिला के कोरान सराय इलाका में मोटरसाईकिल पर सवार तीन गो बदमाश एगो औरत के गोली मार के ओकरा से पचास हजार रुपिया लूट के फरार हो गइलें.

मिर्जापुर के मड़िहान इलाका में भइल सड़क हादसा में पटेहरा गाँव के एगो सड़क पार करत एगो नौ बरीस के लड़िका के मौत हो गइल.

जौनपुर के मुंगराबादशाहपुर मंडी समिति में भ्रष्टाचार निवारण संगठन के वाराणसी टीम बियफे सँझिया शाम धान क्रय केंद्र के प्रभारी के अढ़ाई हजार रुपिया घूस लेत पकड़ लिहलसि.

गोपालगंज जिला के भोरे इलाका में मिसरौली हाई स्कूल का नियरा यूपी के देवरिया के एगो गल्ला व्यापारी से डेढ़ लाख रुपिया लूट लिहलें.

बिहार के पुरनिया पत्रकार कैमूर जिला के भभुआ के हरिशंकर तिवारी के निधन बियफे का दिने हो गइल. 86 बरीस के तिवारी जी ढेरे दिन से बीमार चलत रहलन.

जौनपुर पुलिस ने ट्रक लूट काण्ड के खुलासा करत मुठभेड़ क के एगौ औरत समेत पाँच गो लूटेरन के गिरफ्तार क लिहलसि.

निजी विमानन सेवा कंपनी इंडिगो अब बिहार के राजधानी पटना से उत्तर प्रदेश के वाराणसी ला उड़ान भरल शुरु करे वाली बिया.

बलिया के बांसडीह इलाका में एगो बेकाबू स्कार्पियो बांसडीह-सहतवार रोड पर छाता गांव का सोझा सड़क पार करत सात बरीस के एगो लड़िका के कचार के मुआ दिहलसि. एह हादसा का बाद ड्राइवर भाग निकलल बाकिर लोग स्कार्पियो के आग लगा दिहलें.

देवरिया के भाटपाररानी इलाका में यूपी के उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्या के कार्यक्रम में सुरक्षा ड्यूटी पर आइल पीएसी के एगो जवान के मौत दिमाग के न फटला का चलते हो गइल.

एगो दोसरा हादसा में बांसडीह कोतवाली इलाका में सबेरे टहले निकलल विद्याभवन नारायनपुर के एगो आदमी के एगो गाड़ी कचारत भाग गइल.

जौनपुर के मुंगराबादशाहपुर इलाका में सोहासा गाँव के एगो छात्र के हत्या क के ओकर लाश रेल लाइन प फेंकल मिलल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up