टटका खबर, बुध, जेठ अन्हरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी

by | Jun 2, 2021 | 0 comments

कोरोना के कहर झेलत देश आ समाज के हालात देखत केन्द्र सरकार काल्हु केन्द्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के बारहवीं के परीक्षा रद्द करे के फैसला ले लिहलसि. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी का अध्यक्षता में काल्हु मंगल का दिने भइल एगो उच्च स्तर के बइठक में ई फैसला लीहल गइल. इहो कहल गइल कि आगे जा के अगर हालात ठीक रहल त ओह विद्यार्थियन खातिर परीक्षा करावल जा सकेला. तब ले पूरा तरह से परिभाषित मानदंड बना के सीबीएसई बोर्ड बारहवीं के परिणाम तइयार कराई.

साँप छुछुन्दर वाली लड़ाई में फँसल पश्चिम बंगाल के मुख्य सचिव रहल अलापन बंदोपाध्याय के बुझात ना होखी कि विलापस कि अलापस. अब केंद्रीय गृह मंत्रालय अलापन के आपदा प्रबंधन अधिनियम का तहत नोटिस जारी क के तीन दिन का भीतर जबाब माँगल गइल बा. अगर उनुकर जबाब ना आइल भा जबाब सही ना लागल त अलापन का खिलाफ आपराधिक मुकदमा चल सकेला आ दोषी साबित भइला पर उनुका के दू बरीस के जेल तक हो सकेला. या है। इस मामले में दोष सिद्ध होने पर उन्हें दो साल तक कैद की सजा हो सकती है। मंत्रालय के एक अधिकारी ने मंगलवार को बताया कि बंदोपाध्याय को सेवानिवृत्ति से कुछ घंटे पहले, सोमवार को केंद्र सरकार के आदेश का पालन करने से इंकार करने की वजह से नोटिस जारी किया गया।

कोरोना का चलते टराइल पंचायत चुनाव का बाद नीतीश सरकार पुरान प्रतिनिधियन के कार्यकाल ना बढ़ावे के फैसला कइलसि आ पंचायतन के काम देखे करे खातिर परामर्श समिति बनावे के तय कइले बिया.

उत्तर प्रदेश में कोरोना का कहर में आइल कमी आ छूताही में आइल कमी देखत तीन गो अउरी जिलन में कोरोना कर्फ्यू में ढील दे दीहल गइल बा. अब राज्य के 75 जिलन में से एगारहे गो जिलन में कर्फ्यू बाचल बा.

उत्तर प्रदेश के उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य दावा कइले बाड़न कि अगिला साल होखे वाला चुनावो का बाद भाजपे के सरकार बनी आ अउऱी बढ़िया बहुमत ले के.

सात दिन के तेजी का बाद देश के शेयर बाजार काल्हु सुस्ता गइल. सेंसेक्स शुरु में 300 अंक चढ़ला का बाद उपरि बेरा आइल गिरावट का बाद 51935 अंक पर आ निफ्टी अपना ऐतिहासिक स्तर से करीब 8 अंक नीचे गिर के 15575 अंक पर बंद भइल. विदेशी बाजारन से मिलत संकेत बहुत उत्साहित नइखे करत बाकिर बाजार में आइल नयका निवेशकन के शैली के थाह अबहीं ले नइखे लगला का चलते बाजार केनियो जा सकेला. जाने जोग बा कि अबकी के तेजी में एही निवेशकन के हाथ मानल जात बा.

पूर्वांचल में काल्हु मंगल का दिने झमाझम बरखा से गरमी से त राहत मिलल बाकिर कुछ जगहा आइल आन्ही आ ठनका गिरला से नाहियो त नौ लोग के मरे के खबर बा. गाछन आ बिजली के खंभन के गिरला का चलते कई जगहा बिजली आपूर्ति बन्द हो गइल. वाराणसी आ जौनपुर में दू दू जने के, चंदौली में तीन जने, आ संतकबीरनगर अउर महराजगंज में एक एक जने के मरे के खबर बा एह आन्ही पानी ठनका का चलते. उत्तरी बिहारो में काल्हु मौसम के मिजाज बदलल. पटना, आरा, बक्सर, खगड़िया, नवादा, सासाराम, छपरा, बेतिया, रक्सौल, अउर पश्चिमी चंपारण में आन्ही पानी के खबर बा.

गोण्डा के कर्नलगंज कोतवाली इलाका के सकरौरा कस्बा में एगो सार्वजनिक सुलभ शौचालय में एगो नाबालिग लइकी के लाश बरामद भइल.

कौशांबी के कोखराज इलाका के निधियावा गांव का सोझा एगो आशिक जोड़ी ट्रेन का सोझा कूद के आपन जान दे दिहले. बताबल जात बा कि ई जोड़ी शिवपुरगांव के रहुवे आ सामाजिक कारणन से दुनु के परिवार एहनी के बियाह करावे पर राजी ना रहलें.

सारण के मढ़ौरा इलाका के माधोपुर गाँव के एगो आदमी के मौत पानी भरल गड़हा में गिरला का चलते हो गइल.

जौनपुर के नेवढ़िया इलाका के उत्तर पट्टी गांव में जमीन का झगड़ा में एगो आदमी के जान चल गइल. पुलिस तीन जने के गिरफ्तार कइले बिया.

प्रयागराज के दारागंज इलाका के अलोपीबाग में अपना मौसी का घरे रह के बीए फाइनल के पढाई करे वाली एगो लइकी पता ना कवना कारण फाँसी लगा के जान दे दिहलसि.

कुशीनगर में दू गो नाबालिग लइकियन के पूछताछ का नाम पर ओकनी के घर से जबरिया उठाके थाना ले आवे का आरोप में देवरिया के रामपुर कारखाना थाना में तैनात पुलिस उपनिरीक्षक आ मुख्य आरक्षी के निलबित कर दीहल गइल बा.

जाली नोट के धंधा करे वाला गिरोह के एगो गुर्गा के काल्हु उत्तर प्रदेश पुलिस के स्पेशल टास्क फोर्स प्रयागराज के कीडगंज इलाका से गिरफ्तार क लिहलसि. ओकरा लगे से पाँच पाँच सौ रुपिया के दू सौ जाली नोट बरामद भइल बा.

वाराणसी के फूलपुर इलाका में काल्हु मोटरसाइकिल सवार बदमाश एगो सेवानिवृत्त फौजी के गोली मार के घवाहिल कर दिहले सँ. फौजी के हालत बहुते खराब बा.

वाराणसी में चलत श्री काशी विश्वनाथ मंदिर कॉरिडोर का काम में लागल दू गो मजदूरन के मौत एगो जर्जर मकान के ढहला से ओकरा मलवा में दबइला से हो गइल. चार गो मजदूर घवाहिलो भइलें. एह हादसा पर दुख जतावत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी घटना के जानकारी जिलाधिकारी से लिहलें आ हर संभव सहायता करे के निर्देश दिहलें.

पूर्वी चम्पारण के पचपकड़ी इलाका के मुड़ली गांव का मदली गाछी पोखरा में नहाए गइल तीन गो लइकियन के मौत डूबला का चलते हो गइल.

छपरा के मुफस्सिल इलाका के मेहिया में एगो मकान भसला से एक आदमी के मौत हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up