टटका खबर, बुध, नवमी. चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

by | Apr 21, 2021 | 0 comments

रउरा सभे के श्रीरामनवमी के पावन पर्व पर हार्दिक अभिनन्दन आ शुभकामना.

बिना कवनो पूर्व सूचना प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु सँझिया में राष्ट्र का नामे आपन संदेश देत संत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहनी कि तूफान बनिके आइल कोरोना महामारी के दुसरकी लहर एगो बड़हन चुनोती बनल बा बाकिर हमनी का एकजुट हो के धीरज, अनुशासन, आ संकल्प का साथ एकरा के हरा देब.
कहनी कि पिछला बेर बाति अउर रहुवे अबकि बाति अउर बा. अब हमनी का लगे एकरा से निपटे के पूरहर तइयारी बा. डॉक्टर एह बीमारी के जानकार हो गइल बाड़ें आ सभकर जान बचावे में लागल बाड़ें. एह समय एक दोसरा पर दोष लगावे आ मीन मेख निकालल छोड़ि के एकजुटता देखावे के जरुरत बा. कहलन कि हदसला के जरुरत नइखे. टीका करण से लेके उपचार आ आक्सीजन के उपलब्धता तेजी से बढ़ावल जा रहल बा. मजदूरन के गोहार लगावत पीएम कहनी कि देश में ल़कडाउन लागे नइखे जा रहल आ काम बंद नइखे होखे जात. राज्य सरकारन के गोहार लगवलें कि ऊ लोग मजदूरन के भरोसा जीते आ मजदूरन के खयाल राखे. काहे कि देश के अर्थव्यवथा सम्हारलो ओतने जरुरी बा.

पीएम के गोहार का उलटि वसूली घोटाला में बदनामी झेलत महाराष्ट्र सरकार ल़कडीउन लगावे के तइयारी में बिया आ हो सकेला कि आजु राति से एकर एलान हो जाव. सरकार के कहना बा कि कोरोना के कहर कम नइखे हो पावत.

एही बीच काल्हु कोरोना के नया मामिला परसों से करीब 14 हजार सात सौ कम रहल. अबहीं ले कोरोना छूताह भइला का बाद 1 करोड़ 31 लाख 08 हजार 582 मरीज ठीक हो चुकल बाड़ें. करीब तेरह करोड़ लोग के टीका लगावल जा चुकल बा.

जौनपुर के खेतासराय इलाका के जोगियाना मोहल्ला में भइल सड़क हादसा में ट्रक से धक्का लगला का बाद दू गो बाइक सवार नवहियन के ठाँवे पर मौत हो गइल. बाइक पर तीन जने सबार रहलें. टकरइला का बाद बाइक चलावे वाला दोसरा तरफ फेंकाइल आ पीछे बइठल दुनु जने ट्रक का पहिया का नीचे आ गइलें.

पश्चिम चंपारण जिला के वाल्मीकि नगर इलाका के जंगल में सशस्त्र सीमा बल के जवान दू गो तस्करन के तीन करोड़ रुपिया दाम के चरस का साथे गिरफ्तार क लिहलें.

मऊ से बाहुबली विधायक मुख्तार अंसारी के हनक से डेरा के ओकर एम्बुलेंस अपना नाँवे रजिस्टर करवावे वाला डॉ अलका राय आ उनुका भाई शेष नाथ राय के बाराबंकी पुलिस मऊ से गिरफ्तार क के ले आइल आ काल्हु बाराबंकी के रिमाण्ड मजिस्ट्रेट का अदालत में पेश कइलसि. अदालत दुनु जने के जेल भेज दिहलसि.

रोहतास जिला के काराकाट इलाका में सोमार का दिने चिल्हा गांव में भइल हत्या के आरोपी जवन मरे वाला के भतीजो हवे गिरफ्तार करे में सफल हो गइल. चाचा के गोली मार के भतीजा फरार हो गइल रहुवे.

मिर्जापुर में सोमार का दिने कुबाखुर्द गाँव का लगे भइल सड़क हादसा में घवाहिल दरोगा के मौत इलाज का दौरान काल्हु वाराणसी ट्रामा सेन्टर में हो गइल.

सारण जिले के मढ़ौरा इलाका में काल्हु एगो सड़क हादसा में दाउदपुर इलाका के बंगरा गांव के एगो महिला के मौत हो गइल. ऊ छठ के प्रसाद ले के अपना नईहर परसुरामपुर गइल रही. लवटत घरी उनुकर बाइक सामने से आवत एगो बाइक से टकरा गइल. उऩुकर बाइक चलावत पतिओ घवाहिल हो गइल बाड़ें आ इलाज चल रहल बा.

आई पी एल क्रिकेट में काल्हु चेन्‍नई में खेलल मैच में डेल्‍ही कैपिटल्‍स छह विकेट से मुंबई इंडियन्‍स के हरा के एह लीग में आपन तिसरका जीत दर्ज करवलसि.

कोविड-19 का दहशत में काल्हु देश के शेयर बाजार एक बेर फेरु ढिमलाइल. सेंसेक्स में 244 अंक आ निफ्टी में 63 अंक के गिरावट दर्ज भइल. एकरा साथही पिछला एगारह हफ्ता के निचला स्तर पर आ गइल बा बाजार.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up