टटका खबर, बुध, वैशाख अँजोरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी

by | May 19, 2021 | 0 comments

तीन गो निर्दोष साधुवन के बेदर्दी से हत्या कइला के पाप से शापित महाराष्ट्र के पालघर जिला में चक्रवाती तूफान ताउते साढ़े तीन सौ मकानन के नुकसान चहुँपवलसि आ तीन जने के जान ले लिहलसि. जब जब पालघर के नाम सुने के मिलेला तब तब ओह साधुवन के मौत के दृश्य आँखिन को सोझा दहकावे लागेला.

सूचना के अधिकार का तहत माँगल गइल जानकारी से पता चलल बा कि केंद्र में नरेंद्र मोदी के सरकार वनला का बाद से अबले डेढ़ दर्जन आईपीएस अधिकारियन के जबरिया सेवा मुक्ति दीहल गइल बा. एकरा अलावे पाँच जने पर मुकदमा चलावे के अनुमति दीहल गइल बा आ करीब दू दर्जन आईपीएस अधिकारी निलंबित चलत बाड़ें.

जौनपुर जिला के जलालपुर इलाका के सिरकोनी गॉव का मुसहर बस्ती में परसो सोमार का दिने लागल आग में कई गो मढ़ई जर के राख हो गइली सँ. एह आग का चपेया में 50 बरीस के एगो बीमार मेहरारु के मौत हो गइल.

सोनभद्र जिला के राबर्ट्सगजं शहर का फ्लाईओवर पर तेज रफ्तार से जात बाइक सवार के बाइक बेकाबू हो के डिवाइडर से टकरा गइल आ उधियात फ्लाईओवर से निचे गिर गइल. एह हादसा में बाइक पर सवार दू गो नवहियन के मौत ठाँवे पर हो गइल.

बलिया जिला के खेजूरी थाना का बहेलिया गाँव में माटी डलवावे के लेके दू गो पड़ोसी परिवारन में लड़ाई हो गइल. एह मारपीट में घवाहिल चार लोग में से एगो बूढ़ के मौत काल्हु मंगल का दिने हो गइल.

पश्चिम चंपारण जिला के पिपरासी थाना के गौरेया गाँव में एगो पाँच बरीस लईका के मौत पानी भरल गड़ही में गिरला से हो गइल.

बलिया जिला के फेफना थाना के पाँच गो सिपाहियन के निलंबित कग दीहल गइल जब एगो वायरल वीडियो में देखल गइल कि कइसे ई लोग सोमार रात गंगा नदी में बहत आइल एगो लाश के अंतिम संस्कार बेहूदा तरीका से कइल.

सारण जिला के डोरीगंज इलाका के बलवन टोला के एगो आदमी नदी में नहाए गइल बाकिर गहीर पानी में डूबे लागल. लोग तुरते ओकरा के निकाल के अस्पताल ले गइल बाकिर तबले ओकर मौत हो चुकल रहुवे.

मिर्जापुर जिला के जिगना इलाका के गुनौरा गाँव के एगो औरत के करेंट लगला से मौत हो गइल. ऊ पेटो से रहुवे.

सारण जिला के बनियापुर इलाका में पेट्रोल पंप का लगे खड़ा ट्रक के तलाशी लिहला पर ओहमें विदेशी शराब के 316 कार्टन लादल मिलला का बाच पुलिस ओकरा ड्राइवर के गिरफ्तार कर लिहलसि.

देवरिया में सरकारी कोरोना अस्पताल में भरती मरीजन के उनुका परिवार के लोग अब बाहर लगावल टीवी पर देख सकेला. जिलाधिकारी आशुतोष निरंजन के निर्देश पर लगावल एह टीवी से मरीजन के देखरेख में पारदर्शिता आई.

वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय में राष्ट्रीय शिक्षा नीति 2020 का हिसाब से समान पाठ्यक्रम शैक्षिक सत्र 2021 -22 से लागू कइला का बारे में विचार करे खातिर मंगल का दिने आनलाइन बइठक कुलपति प्रो. निर्मला एस.मौर्य का अध्यक्षता में भइल. तय कइल गइल कि 25 मई तकले हर विषय के अध्ययन परिषदन के बइठक करवा के संस्तुति विश्वविद्यालय के भेज दीहल जाव.

देश के शेयर बाजारन में काल्हु मंगल का दिने लगातार दूसरको दिन जोरदार लिवाली देखल गइल आ सेंसेक्स सेंसेक्स 50 हजार पार कर गइल. निफ्टी 15100 से उपर बंद भइल. बाकिर दुनिया के बाजारन से मिलत संकेत बतावत बा कि बिकवाल आजु आपन दम देखइहें आ बाजार में गिरावट देखे के मिल सकेला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up