टटका खबर, बुध, वैशाख अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी

by | May 5, 2021 | 0 comments

भारत आ ब्रिटेन अब एक दोसरा के रणनीतिक साझेदार बनि के रहिहें. काल्हु प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ ब्रिटेन के प्रधानमंत्री बोरिस जॉनसन का बीच भइल ऑनलाइन शिखर बईठक में एकरा साथही आठ गो अउर समझौतो पर दस्तखत भइल.

सुप्रीम कोर्ट पश्चिम बंगाल आवास उद्योग नियमन कानून 2017 के असंवैधानिक बतावत रद्द कर दिहलसि. राज्य द्वारा बनावल ई कानून घर खरीददारन के अधिकार कम करे वाला रहुवे आ केन्द्र सरकार के बनावल रियल इस्टेट (नियमन एवं विकास), कानून 2016 का उलुटा रहुवे. अदालत कहलसि कि राज्य के कानून संसद के अधिकार क्षेत्र में लँघले बा आ पश्चिम बंगाल के घर खरीदारन के हित शामिल नइखे कइले.

चुनाव हरला का बावजूद सगरी नैतिकता के ताक पर राखत ममता बनर्जी आजु पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री पद के किरिया धरीहें. चुनाव का बाद उऩुका गोल तृणमूल के पिछलो बेर से अधिका सीट मिलल बा बाकिर ममता खुद आपन चुनाव नंदीग्राम से हार गइल बाड़ी. बाकिर ममता से ममता आ नैतिकता के उमेद कइल बेकार बाति बा. पश्चिम बंगाल में भाजपा समर्थकन पर तृणमूलियन के कहर बरपल बा आ एकरा बावजूद कतहीं कवनो सुनवाई होखत नइखे लउकत.

कोरोना के कहर से परेशान हो के आखिरकार बीसीसीआई आईपीएल के मौजूदा लीग के टारे के फैसला कर लिहलसि. अब कवनो आईपीएल मैच ना होखी.

देश के शेयर बाजार हाल के चुनावी परिणामन से अइसन दहशत में आइल बा कि काल्हुओ जोरदार बिकवाली देखे के मिलल. काल्हु सेंसेक्स 465 अंक आ निफ्टी 138 अंक गिर के बन्द भइल. आजुओ बाजार सपाट रहे के उमेद बा.

भारतीय जनता पार्टी के प्रवक्ता आ सुप्रीम कोर्ट के अधिवक्ता गौरव भाटिया पश्चिम बंगाल में विधानसभा चुनावन का बाद होखत हिंसा के जांच केन्द्रीय जांच ब्यूरो से करवावे के गोहार लगवले बाड़न सुप्रीम कोर्ट से. उमेद त नइखे कि सुप्रीम कोर्ट उनुकर गोहार सुनी बाकिर देखल जाव अदालत के न्याय का कहत बा.

कुशीनगर के जटहां बाजार में एगो औरत अपना आशिक का साथे मिल के अपना भतार के गरदन काट दिहलसि. मरे वाला के भाई का तहरीर पर पुलिस दुनु आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. बियाह दस बरीस पहिले भइल रहुवे आ तीन गो बच्चो बाड़ल सा ओह औरत के.

बक्सर जिला में नदाव गाँव के रहे वाला आ अवकाश पा चुकल मानद लेफ्टिनेंट सह असिस्टेंट कमांडेंट रामविलास दूबे के निधन 98 बरीस के उमिर में हो गइल.

पलामू के छतरपुर प्रखंड कार्यालय में काम करे वाला रोजगार सेवक के कंचनपुर गाँव के एगो आदमी से ओकर काम करवावे ला दस हजार रुपिया घूस लेत रंगे हाथ पकड़ लिहलसि पुलिस.

पलामू जिला के हरिहरगंज इलाका में ढाब गाँव का लगे भइल एगो सड़क हादसा में तीन लोग के जान चलि गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें. एगो ट्रेलर बेकाबू हो के एगो मोटरसाइकिल के धक्का मारत एगो घर में घुस गइल.

बक्सर जिला के इटाढ़ी इलाका के नुआँव गाँव में स्टेट बैंक के ग्राहक सेवा केन्द्र चलावे वाला उनवांस गांव के आदमी के बक्सर-इटाढ़ी रोड पर महदह पुल का नियरा लूट लीहल गइल. ऊ बैंक से 48 हजार रुपिया निकाल के सेवा केन्द्र पर आवत रहुवे. एगो लुटेरा धरा गइल बा बाकिर रुपिया ले के बाकी दू गो लूटेरा मोटरसाइकिल से भाग निकललें.

कौशाम्बी जिला के सैनी कोतवाली इलाका में साढोगांव का सोझा एगो औरत अपना दू गो बेटा आ एगो बेटी लिहले ट्रेन का सोझा कूद के जान दे दिहलसि. बचवनो के मौत हो गइल एह हादसा में.

गोरखपुर पुलिस रामगढ़ताल इलाका में चोरी करे वाला गिरोह के छह गो चोरन के कठऊर गाँव का लगे से गिरफ्तार कर लिहलसि. ओहनी का लगे से चोरी के गहना आ रुपियो बरामद भइल बा.

पश्चिम चंपारण जिला के पथरिया इलाका में बथवरिया गांव में एगो आदमी का घर का दुआर पर पड़ल एगो नवही के लाश बरामद भइल बा. लाश मुज्जफरपुर जिला के गायघाट के रहे वाला एगो निजी फाइनेंस कंपनी के कर्मचारी के बतावल जात बा.

रोहतास जिला के चुटिया इलाका के मधुकुपिया गांव के एगो नवही के मौत रणजीतगंज गांव का नियरा एगो ट्रक से धक्का लगला का बाद हो गइल. हादसा का बाद ट्रक चालक ट्रक लिहले भाग निकलल.

गोण्डा नगर कोतवाली इलाका के रोडवेज बसस्टैंड पर दू गो बस का बीच में पीसा के एगो परिचालक के मौत हो गइल.

बलिया जिला के हल्दी इलाका में सोनवानी गाँव के एगो नवहिन फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. पुलिस मामिला के जाँच करत बिया.

मिर्जापुर में पंचायत चुनाव में गंगासागर गाँव के प्रधान पद के प्रत्याशी के जीतला के परिणाम उनुका मौत का बाद आइल.

यूपी में भइल तीनतल्ला पंचायती चुनाव के सगरी परिणाम आ गइल बा आ हर गोल आपन आपन दावा करे में लागल बा. सपा के दावा बा कि सबले अधिका ओकरे उमादवार जीतल बाड़ें. हालांकि ई जीत पिछला बेर के चुनाव में मिलल जीत से बहुते कम बा. भारतीय जनता पार्टी पिछला बेर से बहुते अधिका सीट पर जीते के दावा करत बिया. अगर बागी उमीदवार ना लड़ल रहतें त जीत अउरी शानदार भइल रहीत.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up