टटका खबर, बुध, वैशाख अन्हरिया प्रतिपदा, 2078 विक्रमी

by | Apr 28, 2021 | 0 comments

कोलकाता उच्च न्यायालय काल्हु मंगल का दिने चुनाव आयोग से कहलसि कि कोरोना का चलते बनल हालात काबू में राखे खातिर आयोग मद्रास उच्च न्यायालय के एह बारे मे दीहल फैसला के सटीक तरीका से आ सख्ती का साथ पूरा के पूरा लागू करे. ओने मद्रास उच्च न्यायालय आयोग के चेतवले बा कि अगर 30 अप्रैल ले आटोग मतगणना खातिर कोरोना प्रोटोकॉल के ब्लूप्रिंट अदालत के नइखे देत त ऊ 2 मई का दिने होखे वाला मतगणना पर रोक लगा सकेला. एह बीच चुनाव आयोग कह दिहले बावे कि चुनाव जीतला का बाद कवनो उमेदवार भा गोल विजय जुलूस ला निकाल सकी. भाजपा अध्यक्ष जे पी नड्डा एह फैसला के स्वागत कइले बाड़न.

अटल बिहारी बाजपेयी के भतीजी बाकिर कांग्रेस के नेता रहल करुणा शुक्ला के निधन सोमार देर रात हो गइला के खबर बा.

पश्चिम चंपारण जिला के सहोदरा इलाका से पुलिस बुद्ध के मूर्तियन के तस्करी करे वाला चार गो तस्करन के गिरफ्तार कर लिहलसि.

भोजपुर जिला के मुफस्सिल इलाका में दू गो बाइक से आइल अपराधी पिरौंटा गांव में चलत पंजाब नेशनल बैंक के शाखा पर धावा बोल के करीब अढ़ाई लाख रुपिया लूट ले गइलें. लोग के डरावे खातिर अपराधी फायरो कइलें आ एही फायर में ओहनिए के साथी घवाहिल हो गइल. बाकी लुटेरा त भाग गइलें बाकिर घवाहिल लूटेरा पुलिस का हाथे चढ़ि गइल बा. अब ओकरा के बकवावे के कोशिश करी पुलिस आ बाकी साथियन के जानकारी ओकरे से हासिल कर ली पुलिस.

पश्चिम चंपारण जिला के सेमरा इलाका के रमवलिया गाँव में झाड़-फूंक करे आइल लौरिया इलाका के दुबौलिया गांव के एगो सोखा के लोग पीट-पीट के मुआ दीहल.

कुशीनगर के कसया इलाका के गांव बरवां जंगल का नियरा हाइवे पर एगो होटल का सोझा खड़ा मिनी बस से काल्हु मंगल का दिने एगो कार जा टकराइल आ एगो नवही के मौत बो गइ आ दू जने गभीराह घवाहिल हो गइलें.

जौनपुर में कांग्रेस के बड़का नेता आ शहर कांग्रेस के अध्यक्ष अउर मरकजी सीरत कमेटी के अध्यक्ष रहल साजिद हमीद के काल्हु दफना दीहल गइल. 70 बरीस के साजिद हमीद के मौत सोमार देर रात भइल रहुवे.

बलिया जिला के सहतवार इलाका में पंचायत चुनाव खतम भइला का बाद दूबेछपरा गाँव के एगो बूथ पर भइल झगड़ा में छूरी चल गइल रहे. ओह में घवाहिल भइल एगो आदमी के मौत काल्हु मंगल का दिने हो गइल.

सारण जिला के भेल्दी इलाका के सरैया बसंत गांव में एगो आदमी गोड़ बिछला के पोखरा में गिर पड़ल. ओकरा के डूबत देख लोग दउड़ल आ आ के ओकरा के निकाल के स्वास्थ्य केंद्र चहुँपल बाकिर तब ले ओकर मौत हो चुकल रहुवे.

सारण जिला के बंसी छपरा गाँव के रहे वाला आ रसूलपुर थाना के चौकीदार के मौत मंगल का दिने एगो सड़क हादसा में हो गइल.

भदोही जिला के शहर कोतवाली इलाका के डुडवा धर्मपुरी ग्राम सभा के प्रधान पद के प्रत्याशी रहल आदमी के ओकरे पटीदार जमीन के झगड़ा में लाठियन से पीट-पीट के मुआ दिहलें.

आईपीएल मैच में काल्हु रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु एक रन से दिल्ली कैपिटल्स के हरावत फेरु से अंकतालिका के माथ पर आ गइल.

घरेलू शेयर बाजार में काल्हु लगातार दुसरका दिने लिवाली बनल रहल आ सेंसेक्स 558 अंक बढ़ के आ निफ्टी 168 अंक बढ़ के बंद भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up