टटका खबर, बुध 26 अगस्त 2020 के

by | Aug 27, 2020 | 0 comments

NEET आ JEE(Main) परीक्षा टारे खातिर हो रहल लगातार नेतागिरी का बावजूद परीक्षा अबहीं टरल नइखे. केन्द्र सरकार नइखे चाहत कि विद्यार्थियन के एक साल बरबाद हो जाव. काल्हु नीट परीक्षा में शामिल होखे जात करीब सात लाख परीक्षार्थी पहिले दिने आपन एडमिट कार्ड नेट से उतारि लिहलें. जी (मेन) परीक्षा कें करीब साढ़े सात लाख परीक्षार्य़ी आपन एडमिट कार्ड उतार चुकल बाड़ें. महज 332 गो परीक्षार्थी आपन केन्द्र बदलवावे के गोहार लगवले बाड़ें जवना पर विचार कइल जा रहल बा.

राजस्थान में कांग्रेस के प्रभारी पद से हटावल गइल महासचिव अविनाश पांडे के अब बिहार कांग्रेस के उमीदवार चुने के जिम्मेवारी दीहल गइल बा. एह कमिटी में उनुका साथे काजी निजामुद्दीन आ देवेन्द्र यादव के राखल गइल बा.

अमर सिंह के निधन से खाली भइल राज्यसभा सीट ला होखे वाला चुनाव में भाजपा अपना राष्ट्रीय बोलतुआ सैयद जफर इस्लाम के उमीदवार बनवले बिया. विधानसभा में विधायकन के संख्या देखत उनुकर चुनाइल तय बा.

पश्चिम चंपारण के बोतिया लौरिया रोड पर परसा मठिया का नियरा बुध का दिनं दू गो मोटरसाइकिलन के भिड़न्त में कालीबाग इलाका के एगो नवही के मौत हो गइल आ दोसरका घवाहिल हो गइल.

गोरखपुर के झगहा इलाका में मोटरसाइकिल से जात अमडीहा के एगो आदमी के गाँवे के कुछ लोग पीट पीट के घवाहिल क दीहल. गभीराह घवाहिल हो चुकल आदमी के लखनऊ ला रेपर क दीहल गइल अस्पताल से आ ले जात में रास्ता में ओकर मौत हो गइल.

सीवान जिला के गुठनी इलाका के डरइला गाँव के एगो औरत अपना बेटी के फाँसी पर लटका के अपनहूं लटक गइल. पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया.

बिहार में महागठबंधन में पहिले से शामिल गोलन में सीट बाँटे में होखत मथकुच्चन का बीचे तीन गो बँवारा गोल एह गठबंधन में अउर शामिल हो गइलें.

सारण जिला के इसुआपुर इलाका के चकहन गाँव में दू बरीस के एगो लड़िका अपना घर का सोझा लागल बाढ़ के पानी में डूबला से मर गइल.

कुशीनगर के तुर्कपट्टी इलाका में अगवां गाँव का नियरा सड़क हादसा में एगो ट्रक ओवरटेक करे का फेर में एगो पिकअप वाहन के रगड़ दिहलसि जवना चलते पिकअप के चालक ओही में दबा के मर गइल आ दू गो अउर आदमी घवाहिल हो गइलें. एगो दोसरा हादसा में पडरौना से खड्डा जात एगो पिकअप लीलाधर छपरा का लगे एगो ऑटो से टकरा गइल जवना चलते ऑटो पर सवार तीन लोग के मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइलें.

सारण जिला के सोनपुर इलाका में सबलपुर गाँव का लगे गंगा नदी में बालू भरल नाव से पलटि गइल. ओह पर करीब बीस लोग सवार रहुवे. बाकी लोग त पँवड़ि के पार हो गइल बाकिर चार लोग बह गइल. अबहीं ओह लोग के पता नइखे कि डूबल कि उपराइल.

जौनपुर के शाहगंज इलाका में मैदाने गइल एगो आदमी के ओकरे दोस्त छूरा मार के मुआ दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up