टटका खबर, बुध, 7 अप्रैल 2021

by | Apr 7, 2021 | 0 comments

लोग के उमेद तूड़त मुख्तार अंसारी के जियतं बाँदा जेल चहुँपवलसि यूपी पुलिस. 900 किलोमीटर के सफर 16 घंटा में तय करे में पुलिस आपन रुट तून बेर बदललसि. जान जाईं कि एह पूरा सफर में मीडिया मुख्तार के ले आवत एंबुलेंस का साथे लागल रहली सँ. ओहू लोग के उमेद रहल होखी कि कुछ ना कुछ ब्रेकिंग न्यूज मिलबे करी. ब्रेकिंग न्यूज इहे रहल कि परछाईं का तरह मुख्तार का साथे लागल मीडिया वालन के बाँदा जेल से एक किलेमीटर फरके रोक दीहल गइल आ ओह लोग के जेल में घुसत मुख्तार के फोटो लेबे के मौका ना मिलल.

काल्हु मंगल का दिने पश्चिम बंगाल के तिसरका चुनावी डेग में 84.21 प्रतिशत, असम में आखिरी चुनावी डेग में 82.29 प्रतिशत, केरल में 74.02 प्रतिशत, तमिलनाडु में 72 प्रतिशत आ पुड्डूचेरी में 81.64 प्रतिशत मतदान होखे के खबर बा. छिटपुट हिंसा का बावजूद पश्चिम बंगाल के मतदान शांति से करा लीहल गइल.

ब्रिक्स में शामिल देशन के वित्त मंत्रियन आ केंद्रीय बैंकन के गवर्नरन के पहिलका बइठक कोरोना का चलते वर्चुअल तरीका से भइल आ भारत एकर मेजबानी कइलसि. बअठक के अध्यक्षता केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण आ भारतीय रिजर्व बैंक के गवर्नर शक्तिकांता दास संयुक्त रूप से कइलें.

दुनिया भर के बाजारन में तेजी का साथे अपनो देश के बाजारन में मंगल का दिने मंगल रहल आ निचला स्तर पर लिवाली होखला का चलते सेंसेक्स 42 अंक बढ़ के आ निफ्टी 46 अंक बढ़ के बंद भइल.

दुनिया में कोरोना छूताह होखे वालन के गिनिती 13 करोड़ 1ब लाख का पार हो गइल आ अबले दुनिया भर में करीब 28 लाख 59 हजार लोग के मौत हो चुकल बा. अमेरिका में कोरोना छूत तीन करोड़ से अधिका लोग के छू लिहले बा अबले. ओहिजा साढ़े पाँच लाखलोग के मौतो भइल बा कोरोना से. भारत में कोरोना छूत सावा करोढ़ से अधिका लोग के हो चुकल बा. अपना देश में कोरोना से अबले 1 लाख 65 हजार 547 लोग के जान जा चुकल बा.

यूपी के त्रिस्तरीय पंचायत चुनाव में चटकार खबर आइल बा कि सीट महिला सुरश्रिल हो जाए का चलते एगो राजनितिक बाप अपना बेता के बियाह खरमासे में करवा दिहलसि आ पतोहु के परचा दाखिल करवा दिहलसि.ओकरा के बसपा से टिकिटो मिल गइल बा. खबर जौनपुर के खुटहन ब्लॉक के उसरौली गांव के ह.

बिहार में लोजपा के अकेला जीतल विधायक राजकुमार सिंह काल्हु जनता दल यूनाइटेड (जदयू) में शामिल हो गइलें.

गोंडा नगर कोतवाली इलाका के सदभावना पुलिस चौकी का नियरा भइल एगो सड़क हादसा में मनकापुर ब्लाक के अपर खण्ड विकास अधिकारी के मौत हो गइल. उनुका बाइक के एगो ट्रक धक्का मारत भाग गइल.

आज़मगढ़ जिला में मुँहजाबी लगावे के अभियान का चलते मंगल का दिने व्यापारियन आ प्रशासनिक अफसरान का बीचे जमके कहासुनी भइल. बाद में हालात बिगड़ल त पुलिस डंडा भाँज के काबू पवलसि.

बलिया जिला के गड़वार इलाका के एगो गाँव में गेहूं कटाई क के घरे लनटत अगो लइकी का साथे बलात्कार के मामिला सामने आइल बा.

सारण जिला के गौरा पुलिस चौका इलाका में खालिसपुर गांव के एगो आदमी के मौत सड़क हादसा में छपरा-सतर घाट रोड पर हो गइल.

मिर्जापुर जिला के पडरी इलाका के जरहा गांव में मँड़ई में लागल आग में सात बरीस के एगो लइका के मौत हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up