टटका खबर, मंगल, चईत अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी

by | Apr 13, 2021 | 0 comments

आजु से अपना देश में नया संवत के शुरुआत हो रहल बा. एह मौका पर राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद आ उप राष्ट्रपति वेंकैया नायडू चैत्र शुक्लादि, उगादी, गुड़ी पड़ा अउऱ वैशाखी समेत अनेक रुप में मनावल जाए वाला त्योहारन पर देशवासियन के बधाई आ शुभकामना दीहले बानी.

अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान, नयी दिल्ली में भइल सफल बाईपास सर्जरी का बाद राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद के काल्हु सोमार का दिने छुट्टी दे दीहल गइल. साँझ बेरा ट्वीट क के राष्ट्रपति बतवनि बताया कि रउरा सभ के शुभकामना आ प्रार्थना अउर एम्स आ सेना के रिसर्च एवं रेफरल अस्पताल के चिकित्सकन आ परिचारकन के उत्कृष्ट सेवा का बदौलत उनुका स्वास्थ्य में तेजी से सुधार हो रहल बा.

राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद निर्वाचन आयोग में वरिष्ठतम निर्वाचन आयुक्त सुशील चंद्र के भारत के मुख्‍य चुनाव आयुक्त नियुक्त क दिहनी. सुशील चंद्र आजु मंगल से आपन कार्यभार संभाल लीहें. सोमार के साँझ पुरनका मुख्‍य चुनाव आयुक्त सुनील अरोड़ा रिटायर हो गइलन.

चुनाव आचार संहिता लँघला चलते निर्वाचन आयोग पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी पर सोमार राति आठ बजे से मंगल राति आठ बजे ले चुनाव प्रचार करे पर रोक लगा दिहलसि. आयोग के एह फैसला से छनछनाइल ममता आजु दुपहरिया से घरना पर बइठिहें. जान जाईं कि ममता खुलेआम भाषण देत मुसलमानन से एकजुट होके तृणमूल के वोट देबे के गोहार लगवले रहली.

अनुसूचित जाति वालन के भिखमंगा कहे वाला तृणमूल का खिलाफ चुप्पी सधले राजद आ कांग्रेस पर सवाल खड़ा कइले बिया बिहार भाजपा. जान लीं कि पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में अनुसूचित समाज समेत हर तबका भाजपा के साथ दे रहल बा आ एही पर तिलमिलाइल तृणमूल कांग्रेस के नेता अलुसूचित जातियन के भिखमंगा कहत बाड़ें.

सोमार का दिने तीर्थ नगरी हरिद्वार में चलत महाकुंभ में अमावस्या पर होखे वाला दुसरका शाही स्नान में करीब साढ़े 31 लाख श्रद्धालु नहा में शामिल भइलें,

राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी प्रमुख शरद पवार के पित्ताशय के आपरेशन सोमार का दिने बढ़िया से हो गइल.

गाय-बैल के चारा में घोटाला कइला का चलते जेल में बन्द लालू के छोटकी बेटी एलान कइले बिया कि उ उनुका सलामति खातिर अब अल्लाह से दुआ मँगिहे आ एक महीना ले रोजा रखीहें.

सारण जिला के खैरा इलाका में एगो लइका साथे भइल सामूहिक दुष्कर्म के वीडियो वायरल‌ भइला बाद पुलिस तीन जने के गिरफ्तार क लिहलसि.

बक्सर जिला में दानापुर से पंडित दीनदयाल रेलखंड पर बक्सर टीसन का लगे पांडेयपट्टी का नियरा ट्रेन से कटा के नया बाजार के एगो नवही के मौत हो गइल.

जौनपुर के जलालपुर इलाका के सिरकोनी रोड पर अतवार का राति में भइल कार आ ई-रिक्शा टक्कर में ई-रिक्शा पर सवार तीन गो मजदूरन के मौत हो गइल. दू जने घवाहिलो भइल बाड़ें.

मुलायम सिंह यादव परिवार के हनक के अनदेखी करत अबकी उनुका गांव सैफई में पहिला बेर प्रधान पद के मतदान होखे जा रहल बा. अबकियो मुलायम परिवार अपना एगो करीबी
दलित बुजुर्ग रामफल बाल्मीकि के प्रधान पद देबे ला चुन लिहले रहुवे बाकिर एगो महिला तबो आपन परचा दाखिल क दिहलसि. अब ओहिजा 19 अप्रैल के मतदान करावल जाई.

सारण जिला के रेवाघाट पूल का नियरा बालू लदले एगो ट्रैक्टर के लूट लीहल गइल.

बलिया के भलुअनी इलाका के सोनाड़ी गाँव में भूसा राखे का झगड़ा में ओगो आदमी के भाला घोंप के मार दीहल गइल आ उनुका बेटो के घाहिस कर दीहल गइल.

भोजपुर जिला के उदवंतन नगर इलाका के बकरी गांव को एगो बूढ़ के मार के जरा देबे वाला हत्यारो के लोग पीट के मुआ दीहल आ ओकरो के ओहिजे जरा दीहल.

सारण जिला के छपरा में मोहन नगर मुहल्ला में एगो आदमी पारिवारिक विवाद का चलते फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. एगो दोसर खबर बा कि इसुआपुर इलाका के बजरहियां गांव के एगो लइका पोखरी में डूब गइल, लोग तुरते ओकरा के निकाल के अस्पताल चहुँपावल बाकिर ओकर मौत हो चुकल रहुवे.

भोजपुर जिला के संदेश इलाका में खंडोल गांव के 10 बरीस के एगो लइकी मिक्सिंग मशीन में अझूरा के मर गइल.

चौतरफा बिकवाली का चलते सोमार का दिने शेयर बाजार मुँहकुरिए भहरा गइल. सेंसेक्‍स एक हजार 708 अंक त निफ्टी 524 अंक के गोता लगवलसि.

फ्रांस के विदेश मंत्री ज्‍यां -वेस ली द्रियां पांच दिन के भारत यात्रा पर आइल बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up