टटका खबर, मंगल, जेठ अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

by | Jun 1, 2021 | 0 comments

देश के विरोधी गोलन के केन्द्र बिन्दु बने का चाहत में पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अब देश में भाजपा विरोधी सरकारन के एकजुट होखे के गोहार लगवले बाड़ी. डायलॉग मरले बाड़ी शोले वाला कि जो डर गया समझो मर गया, काश उऩुका एह डायलॉग के बंगाल के विरोधी गोल के समर्थको इशारा समुझतन आ अपना पर होखत अत्याचार का खिलाफ एकजुट हो के लड़े के हिम्मत देखवतें त बंगालो शान्त हो गइल रहीत. ममता से सीख लेबे के जरुरत मोदी सरकारो के बा. उनुका देखे के चाहीं कि हमेशा नियम माने के मजबूरी कायरता जइसन लउके लागल बा. सत्ता में होखल आ शासन के शक्ति देखावे के ताकत अलग अलग होला. जवना तरह ममता बनर्जी जइसन मुख्यमंत्री अपना अनेरियन के साथे खड़ा हो जाली, सब परम्परा आ नैतिकता के तिलांजली देत, ओही तरह भाजपो के चाहीं कि अपना समर्थकन के रक्षा करे ला हर उपाये ना, हर तिकड़मो अपनावे. बाकिर इहो साँच बा कि जवना तरह मीडिया आ न्यायपालिका विरोधी गोलन के साथ देत लउकेले ओह हालात में केन्द्र सरकार ओह तरह से काम ना कर सके जवना तरह ओकरा विरोधियन के सरकार काम करेले. अगर केन्द्र में कांग्रेसी गोल भा गिरोह के सरकार रहीत आ कवनो मुख्यमंत्री एह तरह के काम कइले रहीत त ओह राज्य में राष्ट्रपति शासन लगावे में इचिको देर ना होखीत आ न्यायपालिको ओकरा खिलाफ वइसन ना करीत जइसन ऊ हमेशा मोदी सरकार का खिलाफ करे के तइयार लउकेले.
पश्चिम बंगाल के मुख्य सचिव रहल आ ममता के पालतू बनल अलापन बंदोपाध्याय काल्हु अपना सेवा विस्तार के नकारत अवकाश ले लिहलें आ केन्द्र के ठेंगा देखावत ममता बनर्जी उनुका के तीन बरीस खातिर आपन मुख्य सलाहकार बना लिहले बाड़ी. केन्द्र के कहना बा कि ऊ अलापन का खिलाफ अनुशासनहीनता के कार्रवाई करी बाकिर सभे जानत बा कि मौजूदा हालात में अब ऊ कुछ ना कर पाई अलापन का खिलाफ. देखे जोग होखी कि नया मुख्य सचिव बनावल गइल हरि किशन द्विवेदी कवना तरह काम करत बाड़न.

सुप्रीम कोर्ट काल्हु दू गो तेलुगू चैनलन का खिलाफ राजद्रोह के मामिला में कवनो तरह के दंडात्मक कार्रवाई करे पर रोक लगावत कहलसि कि समय आ गइल बा कि राजद्रोह के नया व्याख्या कइल जाव. न्यायमूर्ति डी वाई चंद्रचूड़, न्यायमूर्ति एल नागेश्वर राव, अउर न्यायमूर्ति एसरवीन्द्र भट के अवकाशकालीन खंडपीठ के कहना बा कि पहिले नजर में लागत बा कि आंध्र प्रदेश पुलिस का ओर से राजद्रोह के आरोप लगावत प्राथमिकियन के मकसद मीडिया के आजादी कचारे के कोशिश बा. खंडपीठ कहलसि कि भारतीय दंड संहिता के धारा 124ए (राजद्रोह) अउऱ 153 (साम्प्रदायिक नफरत फइलावे) के नया व्याख्या प्रेस आ अभिव्यक्ति स्वतंत्रता का दृष्टिकोण से कइल जाव.

कोरोना मरीजन के लगातार घटत संख्या से उछाह में आइल निवेशक काल्हु सोमार का दिने शेयर बाजार में जम के लिवाली कइलें. एह चलते निफ्टी ऐतिहासिक ऊँचाई बनावल 15583 अंक पर बंद भइल आ सेंसेक्सो एक प्रतिशत बढ़त लेत 51937 अंक पर बंद भइल. सोमारो का दिने एह बढ़ोतरी के बड़का कारण रहल रिलायंस का शेयर में आइल जोरदार तेजी.

उत्तर प्रदेश सरकार एलान कइले बिया कि पंचायत चुनाव के ड्यूटी अब 30 दिन के मानत एह दौरान मरल चुनाव कर्मियन के आश्रितन के तीस-तीस लाख रुपिया के मुआवजा दीहल जाई.

अगिला साल उत्तर प्रदेश में होखे जात विधानसभा चुनाव के तइयारी करत भाजपा के बड़का नेतवन के बइठक काल्हु सोमार का दिने राष्ट्रीय महासचिव (संगठन) बीएल संतोष आ उपाध्यक्ष अउर प्रदेश प्रभारी राधा मोहन सिंह के अगुअई में कइल गइल. बइठक में योगी आदित्यनाथ शामिल ना रहलें आ बइठक का बाद वीएल संतोष आ राधामोहन सिंह मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सरकारी आवास जाके उनुका से भेट कइलन. तरह तरहे के हवा सोशल मीडिया पर पसरत बा जवना में से कुछ के कहना बा कि संघ योगी से खुश नइखे आ चुनाव से पहिले उनुका के बदलल जा सकेला. ओहिजे भाजपा समर्थक होखे के दावा करे वाला कुछ लोग एह तरह के फैसला के आत्मघाती होखे के बात करत बाड़न. का होखी से त अब जल्दिए सामने आ जाई बाकिर तय माने के चाहीं कि अगर योगी के कमजोर करे के कोशिश भइल त भाजपा के बड़हन नुकसान होखे से इंकार ना कइल जा सके. बंगाल में अपना समर्थकन के जानमाल के सुरक्षा ना कर पावे वाला भाजपा से पहिलहीं नाराजगी बढ़ल बा.

पलामू के हरिहरगंज इलाका के बलरा सरसोंत रोड पर एगो ट्रैक्टर का धक्का से मोटरसाइकिल से जात दू जने के मौत हो गइल. मरे वाला में बाइक चलावत पिछुलिया गाँव के लइका आ पीछे बइठल बलहा गाँव के ओकरा बहिन के सास रहली.

गाजीपुर पुलिस करीमुद्दीनपुर इलाका से फरार चलत एगो इनामी बदमाश के जोगामुसाहिब पोखरा का नियरा गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा से एगो असलहा आ कारतूस अउर मोटरसाइकिल जब्त कइल गइल जवन आपराध करे में इस्तेमाल होत रहुवे.

पिपरा इलाका से अल्युमिनियम के चोरावल सिल्लियन का साथे दू गो चोरन के सोनभद्र जिला पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.

बलिया सदर कोतवाली इलाका के जलालपुर बस्ती में एगो आदमी के खून कुदारी से काट के कर दीहल गइल बा. हत्या ओकरे पड़ोसी कइलसि आ लाश के अपना घरे में जमीन में गाड़े का फेर में रहुवे. हत्यारोपी के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा.

मिर्जापुर के लालगंज इलाका में एगो सड़क निर्माण कम्पनी में काम करे वाला राजगढ़ जिला के बैरसिया गाँव के रहे वाला कर्मचारी फांसी लगा लिहलसि. पुलिस तफतीश करत बिया.

जौनपुर के सरपतहां इलाका के सदरुद्दीनपुर गांव का बाहर नाला से आशिक जोड़ी के लाश बरामद भइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up