टटका खबर, मंगल, वैशाख अँजोरिया चतुर्दशी, 2078 विक्रमी

by | May 25, 2021 | 0 comments

चक्रवात यास से निपटे का काम में राष्ट्रीय आपदा मोचन बल के नाहिय त एक सौ टुकड़ी तूफान से प्रभावित होखे वाला पाँच गो राज्यन आ एगो केन्द्र शासित क्षेत्र में तैनात क दीहल गइल बा. उड़ीसा, पश्चिम बंगाल, आन्ध्र प्रदेश, तमिलनाडु, झारखण्ड, आ अंडमान निकोबार द्वीप समूह एह तूफान से प्रभावित होखे के अनेसा बा. यास चक्रवात काल्ह बुध के एह इलाकन में घुसे वाला बा. सबले बेसी नुकसान उड़ीसा आ पश्चिम बंगाल में होखे के अनेसा देखत एह दुनु राज्यन में सबले अधिका टुकड़ी लगावल गइल बाड़ी सँ.
बाकिर पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के कहना बा कि केन्द्र बंगाल पर कम ध्यान दे रहल बा. उनुका राज्य खातिर महज 400 करोड़ रुपिया अगवाह देबे के कहल गइल बा जबकि उड़ीसा आ आंध्र प्रदेश के छह छह सौ करोड़ रुपिया दीहल जा रहल बा. जान जाईं कि एह तीनो राज्यन में गैर भाजपा सरकार बाडी सँ.

कांग्रेसी टुलकिट मामिला के जाँच करत दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल के टीम काल्हु सोमार का साँझे सोशल मीडिया प्लेटफार्म ट्वीटर के दिल्ली आ गुरुग्राम कार्यालयन पर चहुँपल त हल्ला मच गइल कि पुलिस ट्वीटर पर छापा मरले बिया. जबकि पुलिस टीम आपन नोटिस देबे से पहिले जानल चाहत रहली सँ कि केकरा के ई नोटिस दीहल जाव जे ट्वीटर इंडिया में एह काम ला सही रही. जान जाईं कि ट्वीटर कुछ ट्वीटन के मेनिपिलेटेड मीडिया बता के जाहिर कइले बावे कि ओकरा मालूम बा कि कांग्रेस के असली टुलकिट आ एह ट्वीटन में देखावल जात कांग्रेसी टूलकिटन में फरक बा. दिल्ली पुलिस ट्वीटर से ईहे जानल चाहल बिया कि ऊ ओह सबूतन के पेश करे जवना आधार पर ऊ दुनु टुलकिटन में अँतर देखलसि. अमेरिका के राष्ट्रपति रहल ट्रंप पर आजीवन प्रतिबंध लगावे वाला एह सोशल मीडिया प्लेटफार्मन के अपना ताकत के गुमान हो गइल बा आ ई सब अब भारत के राजनीति के प्रभआवित करे का कोशिश में भाजपा समर्थकन पर तरह तरह के रोक लगावत बाड़ी सँ.

भारत आ इजरायल का बीच काल्हु कृषि क्षेत्र में साझेदारी के समझौतन पर दस्तखत भइल. एकर जानकारी देत केन्द्रीय कृषि मंत्री नरेन्द्र सिंह तामर कहलें कि एह साझेदारी से देश के किसानन आ किसानी के फायदा होखी.

गोरखपुर जिला के पीपीगंज इलाका में गगटा का नियरा बगहीभारी गाँव के एगो मेहरारु अपना दू गो बेटियन समेत रोहिणी नदी में कूद के जान दिहलसि. दूनू बेटियनो के मौत हो गइल. पुलिस तहकीकात करत बिया.

देवरिया सदर कोतवाली इलाका में एगो शापिंग माल के प्रशासन सीज क दिहलसि. एह शापिंग माल पर कोरोना निर्देश ना माने के आरोप बा. शटर गिरल रहला का बावजूद भीतर गाहकन के रेला खरीददारी में लागल रहुवे.

सारण जिला के मशरक इलाका में बहरौली गाँव का लगे एगो वाहन से अंग्रेजी शराब के बड़हन खेप बरामद करत पुलिस.

गोपालगंज जिला के कटेया इलाका के जमुनहा बाजार में एगो बिल्डिंग मटेरियल के दुकान पर बइठल एगो शिक्षक के कुछ अपराधी गोली मार के भाग निकललें. शिक्षक के मौत हो गइल.

वाराणसी के जैतपुरा इलाका में भरौटी के रहे वाला एगो सब्जी बेचे वाला के चाकू घोंप के जान ले लीहल गइल. हत्या के आरोप ओकरा पड़ोसी पर लगावल जात बा.

जौनपुर जिला के लाइन बाजार इलाका में सीहीपुर रेल क्रासिंग का लगे एगो बाइक के एगो ट्रक धक्का मार दिहलसि जवना चलते बाइक सवार सिकरारा इलाका के अलीशाहपुर गाँव के रहे वाला एगो आदमी आ पीछे बइठल ओकरा पतोहु के मौत हो गइल. संजोग से गोदी में बइठल तीन बरीस के बच्ची बाच गइल. ट्रक हादसा करत भाग निकलल.

सोनभद्र के चोपन इलाका में कवनो वाहन से लागल धक्का से मझौली गाँव के एगो बाइक सवार नवही के मौत हो गइल. हादसा वाराणसी शक्तिनगर सड़क पर कोटा गाँव का नियरा भइल.

बस्ती जिला के सोनहा इलाका के जोगिया टोला वाहिद चक के एगो औरत के दहेज खातिर जरा के मार देबे के केस दर्ज करवले बाड़ें ओकरा नइहर के लोग.

कुशीनगर जाला के हाटा नगर पालिका के लोहिया नगर के रामपुर महारथ में एगो जर्जर मकान के दीवाल गिर गइल आ ओकरा मलवा में दबइला से एगो औरत के मौत हो गइल आ तीन जने गभीराह घवाहिल हो गइलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up