टटका खबर, मंगल, वैशाख अँजोरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

by | May 18, 2021 | 0 comments

काल्हु के दिल कोलकाता तृणमूल कांग्रेस के लंगटई देखलसि जब सीबीआई ममता सरकार के दू गो मंत्रियन – फरहाद हकीम आ सुब्रत बनर्जी – का साथही कोलकाता के मेयर रहल सोवन चटर्जी आ विधायक मदन मित्रा के नारदा मामिला में गिरफ्तार क लिहलसि. गिरफ्तारी के खबर सुनते टृणमूलिया निजाम पैलेस में सीबीआई मुख्यालय पर धावा बोल दिहलें. मुख्यमंत्री ममता बनर्जिओ खबर पावते मुख्यालय चहुँप के बवाल काटे लगली. कहली कि एह लोग के गिरफ्यार कइले बाड़ लोग त हमरो के गिरफ्तार कर लोग. कहली कि एह मामिला में एह लोग के गिरफ्तार करे के अनुमति दीहल राज्यपाल के अधिकार में ना हो के स्पीकर का अधिकार में होला आ स्पीकर से अनुमति नइखे लीहल गइल. जाने जोग बा कि चुनाव का बाद अबहीं ना त प्रोटेम स्पीकर बाड़ें ना स्पीकर के चुनाव भइल बा. एह हालात में राज्यपाल का हाथ में अनुमति देबे के अघिकार रहुवे.
बाद में अउरी उलट फेर देखे के मिलल जब सीबीआई के विशेष अदालत चारो आरोपियन के जमानत दे दिहलसि. एकरा बाद सीबीआई कोलकाता हाई कोर्ट में गोहार लगवलसि जहाँ जमानत पर स्टे लाग गइल. अब एह मामिला के सुनवाई 19 मई के होखी.
एह पूरा प्रकरण में साफे लउकल कि ममता सरकार संवैधानिक जिम्मेदारी नइखे मानत आ राज्यपाल मजबूरन एकर रिपोर्ट देर सबेर राष्ट्रपति का लगे भेजबे करीहें.

चक्रवाती तूफान ताउते काल्हु गुजरात का तट पार कर लिहलसि. एकरा प्रकोप से गुजरात, कर्नाटक, गोवा, महाराष्ट्र राज्यन में भीषण तबाही होखे के खबर बा. अगवाह जालकारी रहला का चलते डेढ़ लाख से बेसी लोग के बचा के दोसरा इलाका में चहुँपावल दीहल गइल बा. एहसे जान के अधिका नुकसान नइखे भइल बाकिर माल के नुकसान बहुते भइल बा.

आँध्र प्रदेश में हिन्दुवन के निर्बाध धर्मान्तरण का खिलाफ आवाज उठाएवाला सांसद के आर कृष्णम राजू के ओहिजा के ईसाई मुख्यमंत्री जगन रेड्डी के सरकार गिरफ्तार करवा के उनुका पर अत्याचार कर रहल बिया. सुप्रीम कोर्ट में गोहार लगवला का बाद अदालत आदेश दिहलसि कि कृष्णम राजू के मेडिकल जाँच सिकन्दराबाद के सैनिक अस्पताल के मेडिकल बोर्ड से हाई कोर्ट के एगो न्यायाधीश का मौजूदगी में करवावल जाय.

देवरिया के शहर कोतवाली इलाका से पांच गो बदमाशन के गिरफ्तार क के ओहनी का कब्जा से चोरी के ट्रक आ चार किलो चरस बरामद कइलसि पुलिस.

बलिया जिला के चितबड़ागांव इलाका के नगपुरा गाँव के अपना प्रेमिका से मिले चहुँपल प्रेमी के घरवाले पकड़ लिहलें आ ओकरा के अतना पीटलें कि ओकर मौत हो गइल.

भदोही जिला के शहर कोतवाली इलाका के नयनपुर गाँव में एगो हादसा में ट्रैक्टर से धक्का लगला से बाइक सवार मरद मेहरारु घवाहिल हो गइलें. एकरा बाद खिसियाइल लोग ट्रैक्टर में आग लगा दीहल.

जौनपुर में केराकत के थाना प्रभारी के कर्तव्य पालन में लापरवाही आ एगो जिला बदर अपराधी से साँठगांठ करे का आरोप में तत्काल प्रभाव से हवत क्राइम ब्रांच में भेज दीहल गइल बा.

जौनेपुर जिला के सरपतहां इलाका के जमदरा गाँव के एगो लइकी के गला रेत के हत्या कर दिहलें स अज्ञात अपराधी जबकि परिवार के बाकी लोग बरामदे में सूतल रहुवे.

जम्मू-कश्मीर में श्रीनगर का बाहरी इलाका में काल्हु सोमार का दिने तलाशी आ घेराबंदी अभियान का दौरान मुठभेड़ में सुरक्षा बल अल-बद्र के दू गो आतंकियन के जहन्नुम भेज दिहलें.

कच्चा तेल, आ कच्चा माल के दाम बढ़ला का चलते अप्रैल 2021 में थोक महँगाई बढ़ के 10.49 प्रतिशत हो गइल बा.

शेयर बाजारों में काल्हु सोमार का दिने जबरदस्त तेजी देखल गइल. सेंसेक्स 848 अंक आ निफ्टी 245 अंक बढ़ के बन्द भइल. अमेरिकी बाजार में काल्हु मामूली गिरावट आइल बाकिर आजु ओहिजा के बाटदा बाजार का साथही सिंगापुर एक्सचेंज में निफ्टी50 के बायदा कोरोबार में जोरदार तेजी से शुरुआत भइल बा. अमुमान बा का आजुओ देश के शेयर बाजार गैप अप खुलीहें आ जोरदार लिवाली रही.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up