टटका खबर, मंगल, वैशाख अमावस्या, 2078 विक्रमी

by | May 11, 2021 | 0 comments

पश्चिम बंगाल के नंदीग्राम विधानसभा सीट पर मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के पटखनिया देबे वाला भाजपा विधायक सुवेंदु अधिकारी के सभका एकमत राय से काल्ह सोमार का दिने भाजपा विधायक दल के नेता चुन लीहल गइल. एकरा साथही इहो तय हो गइल कि ऊ राज्य विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष रहीहें.
विधायक दल के बइठक में उनुका नाम के प्रस्ताव विधायक मुकुल रॉय रखलन जवना के 22 गो अउरी विधायक समर्थन कइलें. सभका से पूछल गइल कि का कवनो अउर नाम बा जवना पर विचार कइल जाव त केहू कवनो दोसर नाम ना उठावल. जाने जोग बा कि पिछला विधानसभा में महज तीन सीट जीते वाली भाजपा अबकी 77 गो सीट पर जीतल बिया आ कबो राज्य में सरकार चलावे वाला कांग्रेस आ बँबारा गिरोह के सूपड़ा साफ हो गइल बा.
सुवेन्दु अधिकारी एक जमाना में ममता के दहिना हाथ रहलन आ उनुका ऊ हर तिकड़म के जानकारी बा जवना के इस्तेमाल तृणमूल करेले. लोहा के लोहे से काटे वाला कहावत के साँच करत सुवेन्दु अधिकारी अब पश्चिम बंगाल में भाजपा के ताकत अउरी बढ़इहें आ तबले ममता के नाकिन के दम उखड़ले रहीहें.
यूपी में योगी आदित्य नाथ आ असम में हिमन्त बिस्वा सरमा का बाद पश्चिम बंगाल में सुवेन्दु के भाजपा नेता बनावल साफ संकेत देत बा कि भाजपा ना त अपना राह से डिगल बिया ना डिगी.

काल्हु एगो सादा समारोह में असम के नव निर्वाचित मुख्यमंत्री हिमंत बिस्वा सरमा आ उनुका मंत्रिमण्डल के 14 गो मंत्रियन के पद आ गोपनीयता के किरिया धरावल गइल.

राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ क पहल पर समाज के विभिन्न वर्गन के सामूहिक प्रयास से बनल कोविड रिस्पांस टीम ‘पॉजिटिविटी अनलिमिटेड – हम जीतेंगे’ एगो व्याख्यानमाला आयोजित करे जा रहल बिया 11 से 15 मई ले चले वाला एह व्याखानमाला में देश के कई प्रमुख लोगन के व्याखायान करावल जाई. कोशिश बा कि देश में एगो सकारात्मक वातावरण बनावल जाय.

देश के शेयर बाजारन में काल्हु जम के लिवाली भइला से काल्ह सोमार का दिने सेंसेक्स 296 अंक चढ़ल आ निफ्टी 119 अंक. बाकिर आजु अनेसा बा कि विदेशी बाजारन से मिलत संकेतन का चलते आजु बाजार गिरावट का साथ खुलीहें सँ आ ओकरा बाद देखल जाई कि निवेशकन के रुख का रहत बा. गिरला पर खरीदत बाडें कि गिरावट में शामिल होके बाजार अउरी गिरावल बाड़ें. वइसे एक बात त साफे लउकत बा कि शेयर बाजार आ असली अर्थ व्यवस्था में कवनो नाता नइखे रहि गइल. अर्ठ व्यवस्था कोरोना का चलते गिरावट के राहे जात बा बाकिर बाजार में लिक्विडिटी का बाढ़ का चलते शेयर बाजार उछिलत जात बा.

नेपाल के संसद में पेश प्रधानमंत्री के पी शर्मा ओली पर विश्वास के प्रस्ताव पारित ना हो सकल. प्रचण्ड दहल ओली से फरका हो गइल बाड़न आ एह चलते ओली का ओर महज 93 गो वोट पड़ल जबकि उनुका खिलाफ 124 गो. भारत के पड़ोसी देश नेपाल में राजनीतिक अस्थिरता के असर भारतो पर पड़बे करी. एक समय दुनिया के अकेला हिन्दू देश रहल नेपाल में भारत के कांग्रेसी सरकारन के अपरोक्ष समर्थन से बँवारा गिरोह बरियार होत चलि गइल आ ओकरा के हिन्दू राष्ट्र से हटा के सेकूलर राष्ट्र बना दीहल गइल. आजु का तारीख में दुनिया में एकहू हिन्दू देश नइखे रहि गइल. गँवे-गँवे भारतो में सेकूलर छूत बढ़ल जात बा. देश के कई राज्यन में हिन्दू अल्पमत में आ चुकल बाड़ें. कश्मीर से हिन्दूवन के लूट-मार-बलात्कार करत खदेड़ दीहल गइल. कांग्रेसी आ बँवारा गिरोह के साजिश का तहत ओकरा के हिन्दू विरोधी ना बता के कश्मीरी पंडित विरोधी बता दीहल गइल आ मानसिक रुप से जाति का टुकड़ा-टुकड़ा में बँटल हिन्दुवन के अब उहे हाल बंगाल में होखे जा रहल बा. जइसे कश्मीर से हिन्दू नर संहार के खबर पर लीपा पोती भइल रहुवे ओही तरह बंगाल में हिन्दुवन पर हो रहल अत्याचार पर मीडिया, राजनीतिक गोल, आ न्यायपालिको चुप्पी साध के बइठल बिया. अगर ई चुप्पी हिन्दुवन के अखरत नइखे त उऩुकर कवनो भविछ्य नइखे बाँचल.

अफगानिस्तान के दक्षिणी जाबुल प्रांत में इस्लामी आतंकवादी हमला में एगो बस के बम से उड़ा दीहल गइल जवना से 11 जने के ओहिजे मौत हो गइल आ दू दर्जन से अधिका लोग घवाहिल हो गइलें. अतवार देर राति ई हमला भइल रहे.

सारण जिला के डेरनी इलाका के धनौती गाँव में अपना फूआ किहां आइल दिघवारा इलाका के बसंतपुर गांव के एगो नवही के लाश धनौती गाँव में एगो इऩार से बरामद कइल गइल बा.

पश्चिम चंपारण जिला के बगहा इलाका के पिपरिया गाँव का लगे तिरहुत नहर का किनारे माटी काटत कुछ मेहारुवन पर भहरा के गिर गइल जमीन के एगो टुकड़ा आ ओकरा नीचे दबा के दू गो मेहरारुवन के मौत ओहिजे हो गइल आ तीन गो घवाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

सोनभद्र के पिपरी इलाका में रनटोला गाँव के लगे एगो बाइक आ कार के टक्कर का बाद कार में आग लाग गइल. एह आदग में बाइक चालक के मौत हो गइल आ पीछे बइठल ओकर मेहरारु के आग में जर के मौत हो गइल.

सारण जिला के दिघवारा बाजार के लगे एगो फाइनेंस कंपनी के कर्मचारी के गोली मारके करीब साढ़े नौ लाख रूपिया लूट लीहल गइल.

सोनभद्र जिला के हाथीनाला इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में बोलेरो आ ट्रक के बीच भइल टक्कर में एक आदमी के मौत हो गइल आ पाँच लोग घवाहिल हो गइल.

रोहतास में बंजारी गाँव के एगो आदमी पहिले त अतवार के राति अपना मेहरारु के गरदन दबा के मुआ दिहलसि आ बाद में अपनो फाँसी पर लटक के जान दे दिहलसि.

बलिया जिला के दुबहड़ इलाका के घोड़हरा गाँव में शादी क के आइल एगो नवही के मौत के मौत अतवार के साँझ बिजली के करंट लगला से हो गइल. 8 मई के शादी भइल रहुवे आ अतवारा का दिने बारात विदा भइल रहुवे. दुलहा ससुरारी से मिलल सामान अपना कोठरी में सजावत रहुवे जब ओकरा बिजली के करंट लाग गइल.

कौशांबी जिला के पिपरी इलाका के चलौली गाँव से एगो नाबालिग लड़की के अपहरण कर के ले जाए का आरोप में एगो सिपाही के ओकरा भोई आ संघतियन का साथे गिरफ्चार कर लीहल गइल बा.

जौनपुर जिला के खेतासराय इलाका के पोरईकला गाँव के एगो आदमी के लाश ओकरा कोठरी में फाँसी पर लटकल बरामद भइल बा. पिछला छह बरीस से ऊ अपना परिवार के अलगा हो के अकेलही रहत रहुवे. ओकर मेहरारू बच्चा मुंबई में ओकरा छोट भाई का साथे रहेलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up