टटका खबर, मंगल 30 जनवरी 2018 के साँझ तक

by | Jan 30, 2018 | 0 comments


प्रभारी जिला पंचायत राज अधिकारी निलम्बित
महाराजगंज के प्रभारी जिला पंचायत राज अधिकारी मनोज कुमार त्यागी के आपन विभागीय जिम्म्दारी ठीक से ना निबहला का चलते तत्काल प्रभाव से निलम्बित क दीहल गइल बा.

गोरखपुर के सौगात मिलल
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना गोरखपुर दौरा के दुसरका दिने आजु भटहट में 81 करोड़ रुपिया के पांच गो परियोजनन के शिलान्यास आ करीब सतरह करोड़ के दस गो 10 गो परियोजनान के लोकार्पण कइलन. जनता दगबार लगा के आम जनता के शिकायतो सुनलन.

जीनत अमान का साथे छेड़खानी
राजकपूर का जमाना के मशहूर हीरोइन जीनत अमान अपना एगो परिवारिक दोस्त प छेड़खानी के मामिला दर्ज करवले बाड़ी.

मऊ का घोसी इलाका में तीन गो नवहियन के मौत
मऊ के घोसी कोतवाली इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में ट्रक का चपेटा में पड़ के मोटरसाइकिल सवार तीन गो वनहियन के मौत हो गइल.

सिवान में एक लाख रुपिया लूटल गइल
सिवान जिला के रघुनाथपुर इलाका में स्टेट बैंक ऑफ इंडिया के एगो ग्राहक सेवा केन्द्र चलावे वाला से आजु कुछ बदमाश एक लाख रुपिया लूट लिहलें. अपराधियन का निशाना पर एह इलाका के ग्राहक सेवा केन्द्र चलावे वाला हमेशा बलन रहेलें आ एह तरह के लूट कई बेर हो चुकल बा.

अमर सिंह राजपूतन के नेता ना हउवन
फिलिम पद्मावत के सही ठहरावे वाला नेता अमर सिंह के अखिल भारतीय राजपूताना परिवार के संस्थापक अध्यक्ष डा0 जय चन्द्र भदौरिया क्षत्रिय नेता ना मानसु. भोज में बिना वोलवले खाए चहुँपे वाला अमर सिंह पहिलहूं राजपूत समाज के कलंक का तरह जानल जालें.

टीसन पर तेरह किले सोना बरामद
चंदौली के दीनदयाल नगर टीसन प चेकिंग करत में जीआरपी वाले एगो तस्कर का लगे से तारह किलो सोना बरामद कइलें.

मशरक का जजौली में मारपीट
सारण जिला के मशरख इलाका के जजौली गांव में पटीदारी का झगड़ा में भइल मारपीट से दीन लोग घवाहिल भइल बा.

बैंक से चार लाख रुपिया लूटल गइल
रोहतास जिला में बंधन बैंक के बिक्रमगंज शाखा के मैनेजर के बन्हक बना के बैंक से चार लाख रुपिया लूट ले गइले सँ बदमाश. पुलिस पूरा मामिला के जाँच करत बिया.

रमकंडा में सड़क हादसा
आजु होत भोरहीं झारखंड के गढ़वा जिला के रमकंडा इलाका में उदयपुर-चपरी सड़क पर एगो ट्रक पलट गइल आ ओकरा नीचे दबा के दू गो औरजन के मौत हो गइल.

शराब का नशा में भाई के छूरा घोंपलसि
गाजीपुर के जमानिया कोतवाली इलाका के बेटावर गांव के एगो शराबी अपने भाई के छूरा घोंप के जान ले लिहलसि.

फरक्का एक्सप्रेस के ब्रेकर में आगि
सोमार सँझिया बेरा मेहराँवा जंक्शन का लगे फरक्का एक्सप्रेस के ब्रेकर में आगि लाग गइल. ट्रेन के कुछ देर ला रोक के मरम्मत क के दिल्ली ला रवाना क दीहल गइल. आगि लागल देखि के सवारियन में भगदड़ मच गइल बाकिर संजोग से केहू के चुटहिल होखे के खबर नइखे.

एगो औरत के छूरा भोंकल गइल
पश्चिम चम्पारण के गोपालपुर इलाका में जमीन लेके भइल झगड़ा में सोमार का दिने एगो औरत के छूरा भोंक के गंभीराह धवाहिल क दिहल गइल. थाना क्षेत्र में भूमि विवाद को लेकर दो पक्षों के बीच हुयी मारपीट के दौरान चाकूबाजी में आज एक युवती गंभीर रूप से घायल हो गयी।

बूढ़ पुरनियन के बेसहारा छोड़ल महँग पड़ी.
परिवार के बूढ़ पुरनियन के देखभाल ला बनावल कानून द मेन्टीनेन्स एण्ड वेलफेयर आफ पैरेन्ट्स एण्ड सीनियर सिटिजन्स एक्ट-2007 के कड़ाई से लागू करे के कहलसि इलाहाबाद उच्च-न्यायालय. अब अपना परिवार के बूढ़ पुरनियन के बेसहारा छोड़ल महँग पड़ी.

इन्दारा दोहरीघाट छोटी लाइन बंद
पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मण्डल के इन्दारा से दोहरीघाट टीसन का बीच पहली फरवरी से छोटी लाइन के सवारी गाड़ियन के आवाजाही अगिला एलान भइला तक ले बंद क दीहल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up