टटका खबर, मंगल, 6 अप्रैल 2021

by | Apr 6, 2021 | 0 comments

एक दिन में कोविड के सरीज बढ़े के गिनिती काल्हु आपन पुरान निशान पार करत एगो नया चोजी छू लिहलसि. काल्हु 5 अपेरैल के देश में कोरोना के एक लाख तीन हजार 558 नया मरीज मिललें. एकरा साथही देश भर में कोरोना छूताह हो चुकल लोगन के गिनिती सवा करोड़ पार हो गइल. अब ले देश में 1 करोड़ 25 लाख 89 हजार 067 लोग के कोरोना छूत हो चुकल बा. संतोष एह पर कइल जाव कि 1 करोड़ 16 लाख 82 हजार 136 मरीज ठीको हो गइल बाड़ें. देश में अबहीं से 1 लाख 65 हजार 101 लोग के कोविड 19 कोरोना का चलते मौत हो चुकल बा. आज का तारीख में दुनिया में सबले अधिका 7 लाख 41 हजार 830 कोरोना मरीज भारत में बाड़ें. एहमें अकेले महाराष्ट्र राज्य के साढ़े चार लाख से अधिका सक्रिय मरीज शामिल बाड़ें. एकबेर फेरु एहपर संतोष कइल जा सकेला कि कोरोत से मरे वाला मरीजन के प्रतिशत आंकड़ा 1.33 के बा जवन शुरुआती दौर में करीब 4 प्रतिशत के रहुवे.
दोसरा से चार हाथ फरका रहीं आ मुँहजावी सही तरीका से लगाइए के बाहर निकलीं, अगर बाहर निकलल बहुते जरुरी होखे तब. कोरोना के टीका मौका पावते लगवा लीं. एह बात पर ध्यान मत दीं कि टीका लगवला का बादो कुछ लोग के कोरोना होइए जात बा. होखी बाकिर ओतना खतरनाक ना होखी जतना बिना टीका वालन ला हो सकेला.

बीतल रात में नेपाल, सिक्किम, भूटान का साथही बिहारो में भूकप के झटका लागल. एह भूकंप के तीव्रता 5.4 रिक्टर रहुवे. बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अधिकारियन से कहले बाड़न कि भूकंप से भइल नुकसान के तेजी से आकलन क के हालात पर नजर राखसु आ जरुरी सहायता प्रदान करावसु

आजु 6 अप्रैल ह आ आजु देश के पाँच गो राज्यन में होखत विधानसभा चुनाव के 475 सीटन पर वोट पड़े जा रहल बा. एहमें तमिलनाडु के 234 सीट, केरल के 140 सीट, पुड्डूचेरी के 30 सीटन का साथही पश्चिम बंगाल के 31 सीट पर, आ असम के 40 गो सीट पर के चुनाव शामिल बा. आजु का बाद खाली पश्चिम बंगाल के चुनाव पूरा होखे से रह जाई. एहिजा अबहीं चुनाव के पाँच डेग अउरी बाकी बा. पहिले गुण्डागर्दी आ आतंक का डर से लोग डेरात रहुवे वोट देबे में बाकिर अबकी बेर सुरक्षा के पूरहर व्यवस्था रहला का चलते 80 प्रतिशत से अधिका मतदान हो रहल बा पश्चिम बंगाल में आ ई अधिका वोट पड़ला से ममता हलकान बाड़ी. भाजपा के नारा 2 मई दीदी गई सही होखे के आसार निकहा लागत बा.

पालघर में निर्दोष साधुवन के पुलिस का मौजूदगी में पीट-पीट के कइल गइल हत्या के पाप गँवे-गँवे उद्धव सरकार के डूबवले जात बा. जइसे संतन पर चलावल गोली के पाप इन्दिरा गाँधी के खानदान खतम करा दिहलसि ओही तरह के हाल महाराष्ट्रो में होखे जा रहल बा. उद्योगपति मुकेश अंबानी के घर एंटीलिया का नियरा विस्फोटक से भरल कार राखे के मनसोख मामिला के धाह में आखिरकार महाराष्ट्र के गृह मंत्री पद से अनिल देशमुख के इस्तीफा देबहीं के पड़,. अब उनुका जगहा दिलीप वाल्से पाटिल के डृह मंत्री बनावल गइल बा.

दुनिया भर के शेयर बाजारन में तेजी का बावजूद अपना देश में कोरोना के तोजी निवेशकन के डरवा दिहलसि आ तीन दिन के छुट्टी का बाद सोमार के खुलल शेयर बाजार में हाहाकार मच गइल. सेंसेक्स में 870 अंक के आ निफ्ती में 230 अंक के गिरावट दर्ज भइल. बिकवाली का दबाव से कमजोर खुलल बाजार दिन में बहुते गिरल बाकिर उपरी बेरा कुछ लिवाली होखला से आंकड़ा कुछ उपर आ के एह निशान ले चहुँपल.

जौनपुर जिला के मड़ियाहूं इलाका में सोमार का दिने एगो ट्रक से करा के एगो मासूम लइका के मौत हो गइल.

सारण जिला के एकमा इलाका में सोमार का दिने गोली मार के एगो जेनरल स्टोर व्यवसायी के घवाहिल क भगले सँ बदमाश.

मऊ में अपराधियन का शिलाफ चलत चेकिंग में कैलेण्डर तिराहा पर एगो ट्रक में निर्दयी तरीका से लादल 31 गौवंश बरामद होखला का बाद ओह पर सवार चार जने के गिरफ्तार क लीहल गइल. अनेशा बा कि एहनी के गोकशी खातिर ले जाइल जात रहुवे.

बलिया जिला के दोकटी इलाका के बाबू के डेरा गाँव में लागल आग से 65 गो मँड़इ सामान का साथे राख हो गइल. दू गो बकरिओ जर गइली सँ. एह हादसा में एगो औरत आ दू गो लइका झँउस गइल बाड़ें. हस्थी के सामान, नकदी, आभूषण व जरूरी कागजात जल गए।

सारण जिला के परसा इलाका के बनकेरवा गांव के एगो नवहिन के परसा-सीतलपुर रोड पर बजरहिंया गांव का नियरा एगो मोटरसाइकिल पर सवार दू गो अपराधी गोली मार के भाग निकलले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up