टटका खबर, मंगल, 6 जून 2017

by | Jun 6, 2017 | 0 comments


शेर बहादुर देउबा आजु नेपाल का संसद में नेपाल के प्रधानमंत्री चुन लीहल गइल. उनुका ई सौभाग्य चउथा बेर मिलल बा. 70 बरीस के देउबा प्रधानमंत्री पद खातिर अकेला उम्मीदवार रहलन. तबो 170 वोट उनुका खिलाफ पड़ल. बाकिर उनुका पक्ष में 388 गो वोट पड़ल आ ऊ न्पाल के पीएम चुना गइलन. नेपाल के संसद में 593 सदस्य होलें आ जीते खातिर 297 वोट के जरुरत रहल. नेपाली कांग्रेस के नेता देउबा नेपाल के 40 वां प्रधानमंत्री बनल बाड़ें. एहसे पहिले ऊ 1995 से 1997, 2001 से 2002 आ 2004 से 2005 का बीचे नेपाल के प्रधानमंत्री रह चुकल बाड़ें. देउबा के जीत प भारत के पीएम बधाई भेजले बाड़न.

हजार करोड़ से अधिका के बेनामी संपति खरीदे का मामिला में जाँच खातिर जारी समन के ना मनला पर आयकर विभाग लालू यादव के बेटी राजद सांसद मीसा भारती पर दस हजार रुपिया के जुर्माना लगा दिहलसि आ अब उनुका के 12 जून के हाजिर होखे के कहले बिया.

चारा घोटाला के एगो मामिला में आजु राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव अउर बिहार के मुख्यमंत्री रहल डा. जगन्नाथ मिश्र समेत 27 जने आरोपित सीबीआई के विशेष अदालत में सशरीर हाजिर भइलें.

यूपी सरकार मुगलसराय टीसन के नाम जनसंघ के अध्यक्ष रहल पंडित दीनदयाल उपाध्याय का नाम प राखे के प्रस्ताव के अपना कैब्नेट बैठक में मंजूरी दे दिहलसि. अब एह प्रस्ताव के जल्दिए रेल विभाग के भेजल जाई. एही टीसन का यार्ड में संदेह उपजावत हालात में पंडित उपाध्याय के लाश मिलल रहुवे.

जौनपुर के बक्शा पुलिस फरार चलत आ पांच हज़ार रुपिया के इनामी बदमाश मो0 अशफ़ाक़ के आजु गिरफ्तार क लिहलसि. सरायख्वाजा, बदलापुर में लूट, छिनैती आ गैगस्टर एक्ट में साल 2016 से अशफ़ाक़ के पुलिस खोजत रहुवे.

गोरखपुर जिला के बेलीपार इलाका के भिवरा गांव के एगो आदमी अपना रिश्तेदारी में जवाहर चौक गांव गइल रहल आ ओहिजा पंखा ठीक करे का फेर में करंट के चपेटा में आ गइल आ ठओवें प ओकर मौत हो गइल.

वाराणसी के शिवपुर इलाका से जैतपुरा के एगो आदमी के गिरफ्तार क लीहल गइल बा. ओकरा लगे से तीन गो चोरावल मोटरसाईकिल बरामद भइल बा.

जौनपुर के गौराबादशाहपुर इलाका में रोडवेज के बस के टक्कर एगो ट्रेलर से हो गइल आ एह हादसा में बस प सवार एगो आदमी का मौत हो गइल आ कई जने घवाहिल हो गइलें. रोडवेज बस सोमार रात गोरखपुर से इलाहाबाद जात रहल जब जौनपुर रोड प गौराबादशाहपुर पुलिस चौकी का नियरा ट्रेलर से टकरा गइल.

वाराणसी के सारनाथ इलाका के संकट हरन मंदिर का पोखरा में एगो पुजारी के लाश उपराइल मिलल. पुजारी रोहतास जिला के चंदन तिवारी रहलन आ उनुका लाश प कई जगहा चोट के निशान मिलल बा. लागत बा कि उनुकर खून कइल गइल बा.

चंदौली के सकलडीहा इलाका में मुगलसराय के चंदरखा गांव के एगो नवही अपना जीजा आ उनुकर दी गो भाँजियन के ले के मोटरसाइकिल से अवाजापुर गांव जात रहुवे जब इटवा गांव का लगे कमालपुर का ओर से आवत एगो बोलेरो ओकरा के टक्कर मार दिहलसि. एह नवही के मौत ठाँवे प हो गइल आ दूनू बचिया घवाहिल हो गइली सँ.

सारण जिला के रसूलपुर बाजार में एगो मोबाइल फोन दुकानदार के काल्हु रात छूरा घोंप के मार दीहल गइल. नवादा गांव के ई दूकानदार आपन दूकान बंद क के घरे जात रहल जब रास्ता में ओकरा के लूटे के कोशिश कइल गइल. लूट के विरोध कइला प छूरा घोंप के मार दिहले सँ लूटेरा.

मिर्जापुर के अहरौरा इलाका के सोनपुर गाँव में आन्ही में गिरल गाछ का नीचे दबा के एगो छोट बचवा के मौत हो गइल आ ओकर महतारी घवाहिल हो गइल.

आरा जंक्शन प आजु कुछ लिका इंटरमीडियेट परीक्षा में भइल गड़बड़ी का खालाफ प्रदर्शन करे में महानंदा एक्सप्रेस के रोकले रहले सँ. एही बी. राजेन्द्र नगर टर्मिनल से जम्मूतबी जाए वाली अर्चना एक्सप्रेस ट्रेन ओहिजा से गुजरल त ओकरा प पत्थर फेंके लगले सँ.

गोपालगंज जिला के भोरे इलाका में काल्हु देर राति मुराडीह पेट्रोल पंप कर्मचारी के गोली मारके ओकरा लगे के पांच लाख रुपिया लूट लीहले सँ. घवाहिल कर्मचारी के इलाज खातिर गोरखपुर भेज दीहल गइल बा.

देवरिया सदर इलाका में रहत पिपरपाती गांव के एगो मरद मेहरारु के लाश बरामद भइल बा. ई मरद मेहरारु भईंस पोसे के काम करत रहलन. लाश देख के लागल कि दूनू के गरदन टीप के जान लीहल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up