टटका खबर, वैशाख अँजोरिया अष्टमी 2079 विक्रमी, सोमार

by | May 9, 2022 | 0 comments

बिहार के मशहूर होम्योपैथ डॉक्टर बी. भट्टाचार्य के काल्हु अतवार का दिने 98 बरीस का उमिर में निधन हो गइल. ऊ अपनहीं ह्रदय रोग से पीड़ित रहलन बाकिर तबहियों आखिरी समय ले मरीजन के इलाज करत रह गइलन. श्रद्धांजलि.

बिहार लोक सेवा आयोग के 67वीं संयुक्त प्रारंभिक परीक्षा के प्रश्न-पत्र लीक होखे के खबर सही निकलला का बाद अतवार का दिने हो चुकला का बावजूद परीक्षा रद्द करे के घोषणा कइले बावे आयोग.

नीतीश सेवक मानल जाए वाला आ भाजपा के राज्यसभा सांसद सुशील मोदी काल्हु एगो ट्वीट क के भूमिहारन के बझावे का कोशिश में आपन योगदान दिहले बाड़न. एने कुछ समय से कहल जाए लागल बा कि भूमिहार समाज भाजपा से बिलगे लागल बा आ भूराबाल (भूमिहार, राजपूत, ब्राह्मण, लाला) साफ करे के बात करे वाला लालू के राजद का ओर सटल शुरु कर दिहले बावे. काल्हुए भूमिहार ब्राह्मण सामाजिक फ्रंट पटना के प्रांतीय सम्मेलन में कहबो कइल गइल कि भूमिहार के कवनो थरिया में खाए से परहेज नइखे, बस परोसा सवदगर होखे के चाहीं. अब ऊ परोसा जहवाँ मिले, जेकरा थरिया में मिले, ओकरा जात घरम के परवाह कइला बिना जिमे ला तइयार बा. सम्मेलन के अध्यक्षता फ्रंट के अध्यक्ष सुरेश शर्मा कइलन.
सुशील मोदी के कहना बा कि भूमिहारन के सबले अधिका भाव भाजपे में मिलल बा. पहिला बेर कवनो बिहारी भूमिहार के केन्द्र सरकार में कैबिनेट मंत्री के पद भाजपे सरकार में मिलल रहुवे. (वइसे सुशील मोदी शायद भुला गइलन कि भूमिहार मोरारजी देसाई देश के प्रधानंत्री रह चुकल बाड़न. बस ऊ गुजरात के भूमिहार रहलन.) इहो बतवले बाड़न कि पिछला विधानसभा चुनाव में भूमिहार समाज के 15 गो टिकट दीहले रहल भाजपा जबकि राजद बस एगो उमीदवार बनवले रहल.

उद्धव ठाकरे के घर मातोश्री का सोझा हनुमान चालिसे पढ़े के बात करे वाला निर्दलीय सांसद नवनीत राणा आ उनुका पति विधायक रवि राणा के महाराष्ट्र सरकार देशद्रोह का आरोप में जेल मेंआडाल दिहले रहल. हाईकोर्ट से जमानत मिलला का बाद जेल से छूटल नवनीत राणा उद्धव के चुनौती दिहले बाड़ी कि बेंवत होखे त उनुका खिलाफ चुनाव लड़ि के देखावसु. अब एह चुनौती का बाद महाराष्ट्र सरकार फेरु अदालत से दरखास्त करे वाली बा कि एह लोग के जमानत रद्द क दीहल जाव काहे कि ई लग अदालत के शर्त तूड़ले बा.

उत्तर प्रदेश के जौनपुर जनपद का गौराबादशाहपुर इलाका में अतवार का दिने गोमती नदी में एगो औरत आ एगो मरद के लाश मिलला के खबर बा.

सारण जिला के नैना गाँव के एगो लईकी के ओकरे मामा पर जायदाद हड़पे का नीयत से छूरा मार के जान लेबे के कोशिश करे के आरोप लगावल गइल बा. घवाहिल लईकी के इलाज सदर अस्पताल में करावल जा रहल बा.

सारणे जिला के डोरीगंज इलाका के सिंगही बालू घाट पर अतवार का दिने एगो ट्रक से कचरा के 35 बरीस के एगो आदमी के मौत होखे के खबर बा.

रोहतास जिला के डेहरी इलाका में दिल्ली-कोलकाता राष्ट्रीय राजमार्ग पर दहाउर गांव का नियरा एगो कार से कचरा के तीन आदमी के मौत होखे के खबर बा.

जौनपुर के पहलवान बादल यादव हत्याकांड का सिलसिला में गौराबादशाहपुर के थानाप्रभारी अवध नाथ यादव के निलंबित कर दीहल गइल बा. एगो दोसरा मामिला में एगो छात्र के हत्या का मामिला में जलालपुर थाना के प्रभारी निरीक्षको के लाइन हाजिर क दीहल गइल बा.

जौनपुर से प्रकाशित होखे वाला एगो हिदी दैनिक के संपादक सैय्यद मेंहदी हुसैन सामिन के काल्हु ग्वालियर से आइल पुलिस टीम गिरफ्तार क लिहलसि. मेंहदी हसैन पर आरोप बा कि ऊ ग्वालियर के एगो बिजनेसमैन से धोखाधड़ी क के 1.38 करोड़ रुपिया हड़ले बाड़न.

उत्तर प्रदेश के देवरिया में राजकीय महिला डिग्री कालेज के कार्यवाहक प्राचार्य के छात्रावन से अश्लील हरकत करे का आरोप में आतवार का दिने गिरफ्यार कर लीहल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up