टटका खबर, वैशाख अँजोरिया सप्तमी 2079 विक्रमी, अतवार

by | May 8, 2022 | 0 comments

जम्मू-कश्मीर के कुलगाम जिला में आजु अतवार का फजीरहीं से आतंकवादियन का साथे सुरक्षा बलन के मुठभेड़ हो रहल बा. खुफिया जानकारी मिलला का बाद इलाका के घेराबंदी क के सुरक्षा बल तलाशी अभियान शुरु कइलन त आतंकियन का तरफ से गोलीबारी होखे लागल. एह मुठभेड़ में मुस्लिम आतंकी संगठन लश्करे तोएबा के एगो पाकिस्तानी कमाण्डर हैदर आ एगो स्थानीय आतंकी के मार गिरावल गइल बा. सुरक्षा बल के कवनो जानहानि नइखे भइल. मुठभेड़ त खतम हो गइल बाकिर तलाशी अभियान अबहियो जारी बा.

भाजपा के एगो युवा नेता तजिन्दर सिंह बग्गा के एगो दहाड़ केजरीवाल के समर्थकन के गोली लेखा लागल बा. एकरा बाद पंजाब सरकार उनुका पाछे पड़ गइल बिया. पहिले त गलत तरीका से उनुका के दिल्ली से उठा के पंजाब ले जाए के कोशिश भइल बाकिर दिल्ली पुलिस का कहना पर हरियाणा पुलिस रोक दिहलसि आ बग्गा अपना घरे आ गइलें. एकरा बाद पंजाब सरकार आ पंजाब पुलिस अपना एह बेइज्जति से अइसन बेचैन भइलें कि मोहाली के एगो निचला अदालत से बग्गा के गिरफ्तारी वारंट जारी करा लिहले. बाकिर बग्गा का तरफ से अरजी पर अधरतिया में पंजाब आ हरियाणा उच्च न्यायालय आदेश दे दिहलसि कि जबले ऊ कवनो फैसला नइखे कर लेत तबले बग्गा का खिलाफ कवनो कार्रवाई जिन कइल जाव.

उत्तर प्रदेश के जौनपुर जिला के गौराबादशाहपुर इलाका के धर्मापुर बाजार में शुक के रात में पहलवान बादल यादव के छूरी घोंप-घोंप के मार डालल गइल रहे. पुलिस एह मामिला में तीन गो नामजद अपराधियन के काल्हु गिरफ्तार कर लिहलसि.

कहे वालन के त कहना बा कि महाराष्ट्र के मनसे नेता राज ठाकरे भाजपा के कहना पर लाउडस्पीकर से अजान दिहला का खिलाफ आवाज उठवले बाड़न. बाकिर यूपी से भाजपा सांसद बृजभूषण शरण सिंह के कहना बा कि जबले राज ठाकरे उत्तर भारतीयोन से क्षमा नइखन मांग लेत तबले उनुका के अयोध्या का सीमा में आवे दीहल जाई.

उत्तर प्रदेश पुलिस के शिकायत रहेला कि बिहार के अपराधी यूपी में आ के अपराध करेले स आ फेरु बिहार भाग जाले स. अब गोरखपुर जोन के अपर पुलिस महानिदेशक अखिल कुमार बिहार सरकार का लगे अइसनका साढ़े तीन सौ अपराधियन के सूची सँउपले बाड़न. ऊ चाहत बाड़न कि बिहार पुलिस एह अपराधियन के गिरफ्तार क के यूपी पुलिस के सँउप देव.

सारण जिले के तरैया इलाका के नंदनपुर गांव का किनारे मेन रोड पर एगो वाहन से कचरा के सात बरीस के एगो बच्ची के मौत हो गइल. हादसा का बाद वाहन भाग पराइल.

उत्तर प्रदेश के वाराणसी में अदालती आदेश का बावजूद मनबढ़ मुसलमान काल्हुओ जाँच दल के मस्जिद का भीतर ना घुसे दिहलन. ओहनी के मालूम बा कि एक बेर भीतर के वीडियोग्राफी हो गइल त सभके मालूम हो जाई कि कवना तरह से एगो मंदिर के तूड़ के ओकरे जगहा मस्जिद बना लीहल गइल बा आ हिन्दुवन के रिगावे खातिर शिवलिंग भीतरे रहे दीहल गइल बा. पिछला दीवालो मंदिरे वाला छोड़ल गइल बा जवना पर माता सिंगार गौरी आ अउऱी देवी देवतन के प्रतिमा रहे दीहल गइल बा. काल्हुओ बाहरे के वीडियोग्राफी हो सकल बाकिर ओकरो से अतना सुबूत मिल जाई कि ज्ञानवापी मस्जिद ना मंदिरे हवे.

कौशांबी जिला के सैनी इलाका में शनीचर का दिने एगो चरपहिया वाहन का चपेटा में अइला का चलते एगो बाइक सवार नवही के मौत हो गइल आ दुसरका नवही घवाहिल हो गइल. ओकरो हाल चिन्ताजनक बनल बा.

आईपीएल मैच में काल्हु शनीचर का दिने लखनऊ सूपरजाइंट्स 75 रन से कोलकाता नाइट राइडर्स के हरा दिहले. पहिले बल्लेबाज़ी करत लखनऊ टीम 20 ओवर में सात विकेट का नुकसान पर 176 रन बनवले रहुवे. जबाब में खेले उतरल कोलकाता के सगरी टीम चउदहे ओवर में 101 रन बनावत समेटा गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up