टटका खबर, शनिचर, 27 मार्च 2021

by | Mar 27, 2021 | 0 comments

बांग्लादेश के यात्रा पर गइल प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी कहनी कि भारत आ बांग्‍लादेश दुनु का सोझा व्‍यापार-वाणिज्‍य के एके जइसन अवसर बा. दुनु देश आतंकवादो के खतरा झेलत बा. बांग्‍लादेश के आजादी के स्‍वर्ण जयंती पर ओहिजा के छात्रन ला छात्रवृत्ति के घोषणा कइनी प्रधानमंत्री आ ओहिजा के 50 गो उद्यमियन के भारत में स्‍टार्ट-अप पहल में शामिल होखे ला नेवतनी. भारत का तरफ से बंगबंधु शेख मुजीबुर्रहमान के दीहल गइल गांधी शांति पुरस्‍कार शेख मुजीबुर्रहमान के पुत्री शेख रेहाना लिहली.

असम अउर पश्चिम बंगाल के विधानसभा चुनाव के पहिला चरण के मतदान आजु होखे जा रहल बा.

यूपी के पंचायत चुनाव के घोषणा हो गइल बा. एकर जानकारी राज्य निर्वाचन आयुक्त मनोज कुमार लखनऊ में दिहलन. चुनाव चार रण में होखी आ 15, 19, 26, आ 29 अप्रैल के करावल जाई.

कोविड छूत के बढ़ती का बावजूद केन्द्रीय स्‍वास्‍थ्‍य मंत्री डॉ. हर्षवर्धन भरोसा जतवलन कि कोविड के दुनु टीका पूरा सुरक्षित आ बचावक बा. जान लीं कि अबले देश में पांच करोड पचपन लाख से अधिका कोविड टीका लगावल जा चुकल बा.

महागठबन्हन के गोहार पर बिहार बन्द के असर कई जगहा देखे के मिलल. कुछेक जगहा लोग ट्रेनो का आवाजाही रोके के कोशिश कइल.

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति इंटरमीडिएट परीक्षा फल काल्हु जारी हो गइल. महज एकइसे दिन में परिणाम देके देश में एगो नया रिकार्डो बन गइल. विज्ञान, कला, आ वाणिज्य तीनों में लइकिए बाजी मरले बाड़ी सँ. कुल 78.04 प्रतिशत परीक्षार्थी पास भइल बाड़ें.

दरभंगा हवाई अड्डा के नाम मैथिल कवि विद्यापति का नाम पर राखे के प्रस्ताव केन्द्र सरकार के भेजल गइल बा.

नई दिल्‍ली में चलत निशानेबाजी विश्‍व कप प्रतियोगिता में भारतीय टीम पुरूष वर्ग के 50 मीटर राइफल स्‍पर्धा के स्‍वर्ण पदक जीतलसि.

बैंडमिंटन में भारतीय महिला आ पुरूष खिलाडी पेरिस में होखत ऑर्लियंस मास्‍टर्स के सेमीफाइनल में पहुंचले.

पुणे में होखत दुसरका एकदिना क्रिकेट अंतर्राष्‍ट्रीय मैच में भारत से मिलल 337 रन बनावे के लक्ष्‍य छह विकेट गँवा के पूरा करत इंग्‍लैंड भारत के हरा दिहलसि.

शेयर बाजार में शुक का दिने तेजी देखे के मिलल. सोना के दाम में मामूली गिरावट भइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up