टटका खबर, शनीचर, चईत अँजोरिया पंचमी, 2078 विक्रमी

by | Apr 17, 2021 | 0 comments

कोरोना महामारी का चलते परीक्षा टारल जाए के क्रम में अब सीआईएससीई बोर्डो आपन दसवीं आ बारहवीं के परीक्षा टारे के एलान क दिहलसि. बाकिर सीबीएसई का तरह ऊ आपन परीक्षा रद्द नइखे कइले आ कहले बा कि जून के पहिला हफ्ता में एह बारे में फैसला लीहल जाई.

रउआ सभ के ई जान के खुशी होखे के चाहीं कि भोजपुरी में शुरु होखेवाला सबसे पहिला वेबसाइट http://anjoria.com दुनिया के माथ पाँच लाख में आ भारत के माथ चालीस हजार वेबसाइटन में शामिल बा. साधन आ संसाधन का कमी का चलते एकरा के एकर सही स्थान नइखे दिआवल जा पावत. रउरा सभ से निहोरा बा कि अँजोरिया परिवार के आपन भरपूर सहजोग दीं. अपना अपना इलाका में एकर प्रतिनिधित्व क के अपना इलाका के खबर, लिखनिहारन के लिखल, आ व्यापार अउर संस्थानन से विज्ञापन बटोर के रउरा ई काम कर सकीलें. अगर अधिका जानकारी लेबे के मन होखे त editorएटanjoria.com के ईमेल क सकीलें.

आजु पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के पाँचवा डेग में 45 गो सीट पर वोट डालल जा रहल बा. मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के गोहार कि बचल सगरी डेग समेट के एके डेग में कर दीहल जाव पर आयोग सहमत ना भइल. चुनाव आयोग कोरोना महामारी बेकाबू होखत देखि साँझ सात बजे का बाद से अगिला दिन सबेरे दस बजे ले चुनावी रैलीस जन सभा, आ नुक्कड़ नाटकन पर काल्हु शुक से रोक लगा दिहले बावे.

पंजाब सरकार अपना पुलिस प्रशासन से कहले बा कि दोसरा राज्यन से खरीद के पंजाब में बेचे खातिर आवत गेंहू के एको दाना पंजाब के मंडियन में चँहुपे मत दीहल जाव. जान जाईं कि बिहार से औने पऔने दाम पर खरीद के पंजाब के आढ़ती ओकरा के पंजाब में बेच के अन्धाधुंध कमाई करत आइल बाड़ें. आ एही अंधाधुंध कमाई पर रोक लगला के अनेसा से किसान आन्दोलन के बखेड़ा खड़ा कइले बाड़े आढ़तिया आ दलाल. अब जब केन्द्र सरकार साफ कर दिहलसि कि अनाज के दाम सीधे किसानन का खाता में भेजल जाई त आढ़तिया किसानन सें सादा चेक पर दस्तखत करा के राखल शुरु कग दिहले बाड़ें.

सारण जिला के अवतार नगर इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में एगो ट्रैक्टर चालक के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें. एगो बेकाबू ट्रक से बचला का फेर में ट्रैक्टरे गड़हा में पलटि गइल आ चालक के ठाँवे पर मौत हो गइल.

सारण जिला के लाल बाजार गाँव का नियरा छपरा हाजीपुर रोड पर काल्हु शुक का दिने एगो आदमी के मौत ट्रक से कचरा के हो गइल.

रोहतास जिला के अगरेर इलाका के मोकर पुल का लगे भइल सड़क हादसा में शुक का दिने एगो आदमी के मौत हो गइल आ उनुकर पत्नी घवाहिल हो गइली. एक लोग के बाइक एगो ट्रक से टकरा गइल आ हादसा क के ट्रक चालक भाग निकलल.

कौशांबी के कोखराज इलाका के ककोड़ा गांव का नियरा रोडवेज बस से उतरत घरी एगो नवही गोड़ बिछला के गिरला का चलते बस के पहिया तर आ गइल आ ओहिजे ओकर मौत हो गइल.

बलिया के ऊभांव इलाका के हरदिया गाँव का लगे एगो ट्रैक्टर ट्रॉली पलट गइल आ एह हादसा में चालक समेत दू आदमी के जान चलि गइल.

बलिया जिला के बैरिया इलाका के मधुबनी गांव के एगो किराना दुकानदार के मौत साँप के कटला से हो गइल. गोदाम से सामान निकालत घरी साँप उनुका के काट लिहलसि.

बक्सर जिला के ब्रह्मपुर इलाका के जवही जगदीशपुर में एगो ट्यूशन पढ़ावे वाला पहिले त छात्रा के महतारी के अपना हवस के जाल में फँसवलसि. बाद में ऊ ओकरा बेटिओ पर खराब नजर डालल शुरु क दिहलसि. बतावल जात बा कि एहसे नाराज ओके ऊ औरत कुछ लोग के सहायता से ट्यूटर के छूरा घोंप घोंप के मार डललसि. हालांकि ट्यूटर के परिवार वालन के कहना बा कि पिछला कई महीना के बाकी फीस मँगला का चलते उनुकर जान ले लिहल गइल आ अब झूठ अछरंग लगावल जा रहल बा.

भारत के भगोड़ा हीरा व्यवसायी नीरव मोदी के प्रत्यार्पण पर ब्रिटेन के गृह मंत्रालय आपन सहमति दे दिहलसि आ अब नीरव मोदी के जल्दिए ले आवल जाई.

तेज गेंदबाज दीपक चाहर के शानदार गेंदबाजी – 13 रन देके चार गो विकेट टपकावल – का बदौलत चेन्नई सुपरकिंग्स आईपीएल 14 के मैच में पंजाब किंग्स के छह विकेट से हरा दिहलसि.

दुनिया भर के शेयर बाजारन से चाल मिलावत भारतो के शेयर बाजार शुक का दिने लगातार तिसरको दिने बढ़त बनवले रहल. देश के विदेशी मुद्रा भंडारो में 9अप्रैल के पूरा भइल हफ्ता में 4.34 अरब डॉलर के बढ़ोतरी भइल. देश के विदेशी मुद्रा भंडार अब 581.23 अरब डॉलर को हो गइल बा. एकरा पिछला हफ्ता भंडार घटि के 576.87 अरब डॉलर के हो गइल रहल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up