टटका खबर, शनीचर, जेठ अन्हरिया तृतिया, 2079 विक्रमी

by | May 29, 2021 | 0 comments

चक्रवात यास से भइल नुकसान के हवाई निरीक्षण कइला का बाद प्रधानमंत्री ओडिशा आ पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्रियन से समीक्षा बइठक कइल चहलें. ओडिशा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक एह मुलाकात में कहलें कि कोरोना काल में देश के हालात देखत ऊ केन्द्र से कवनो सहायता नइखन माँगत आ कोशिश करीहें कि राज्य अपना बल पर एह तरह के समस्यन के स्थायी उपाय कर सको. ओकरा बाद पश्चिम बंगाल चहुँपल पीएम के स्वागत करे खातिर ना त कवनो मंत्री चहुँपल ना अघिकारी. बइठक में घुसते ममता बनर्जी उनुका हाथ में कुछ कागजात सँउप के चल दिहली. बाद में ममता के बयान आइल कि ऊ पीएम से पूछ के अपना अगिला कार्यक्रम ला गइली. कहली कि रिपोर्ट आ योजना के कागजात पीएम के दे दिहले बाड़ी. राज्य के दू हजार करोड़ रुपिया चाहीं बाकिर जानत बाड़ी कि केन्द्र कुछ दिही ना. हालांकि प्रधानमंत्री एलान कर चुकल बाड़ें कि प्रभावित राज्यन के कुल एक हजार करोड़ के सहायता राशि दीहल जाई. एहमें से पाँच सौ करोड़ सवसे बेसी प्रभावित राज्य ओडिशा के दीहल जाई. ममता के अमर्यादित आचरण के लिब्रान्डुअन के छोड़ सभे निंदा करत बा. कहे वाला त इहो कहत बाड़ें कि जइसे साँढ़ लाल कपड़ा देखि के भड़क जाला वइसहीं ममता भड़क गइली कि बइठक में उनुका के विधायकी चुनाव में हरावे वाला विधायक आ विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष के काहे बोलावल गइल बा.

दीदी के दरबारी बनल पश्चिम बंगाल के मुख्य सचिव अलापन बंद्योपाध्याय आपन जिम्मेदारी भुला के पीएम के बइठक में ना शामिल भइलें आ ममता के परछाईं का तरह उनुका साथही चल दिहलें. एह गैर जिम्मेदार हरकत का चलते केन्द्र उनुका के दू दिन का भीतर दिल्ली चहुँप के नया जिम्मेदारी सम्हारे के आदेश दे दिहले बा. एह बीच हो सकेला कि ममता सरकार केन्द्र के एह फैसला का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटावे. बाकिर प्रशासनिक अधिकारियन के स्थानांतरण कइल केन्द्र का अधिकार में होखेला.

14 अप्रैल के मिलल 1 लाख 84 हजार 372 नया कोरोना मरीजन का बाद काल्हु एह दौरान के सवले कम 1 लाख 86 हजार 364 नया कोरोना मरीज काल्हु मिललें. देश में सक्रिय कोरोना छूताह मरीजन के गिनितिओ घट के काल्हु 23 लाख 43 हजार 152 रह गइल बा. देश में अबहीं ले 3 लाख 18 हजार 895 मरीजन के मौत कोरोना का चलते हो चुकल बा.

अखिल भारतीय अखाड़ा परिषद के अध्यक्ष महंत नरेंद्र गिरि काल्हु ओह विघ्नसंतोषियन के आलोचना कइलें जे लोग गंगा घाट का किनारे भू-समाधि कइल शवन पर सवाल खड़ा करत सरकार के आलोचना करत बाड़े. कहलन कि हिन्दुवन के अंतिम संस्कार पर सवाल उठावल गलत बाति बा. हिंदुओं में पार्थिव शरीर के जरवला का साथही भू-समाधि देबे भा जल में प्रवाहित करे के परंपरा हमेशा से चलत आइल बा. कहलन कि केंद्र में नरेंद्र मोदी आ राज्य में योगी आदित्यनाथ के हिंदुत्ववादी सरकार का होखला का चलते सनातन धर्म विरोधी ताकत बौखला गइल बाड़ी सँ आ एन-केन-प्रकारेण एह सरकारन पर सवाल उठावत बाड़ी स.

उच्चतम न्यायालय सीबीएसई आ आईसीएसई कै 12वीं कै बोर्ड परीक्षा रद्द करावे वाली याचिका के सुनवाई सोमार ले टार दिहलसि. एने उत्तर प्रदेश कंबाइंड एट्रेंस टेस्ट खातिर आवेदन करे के तारीख बढ़ा दीहल गइल बा. अब 20 जून के साँझ पाँच बजे ले ऑनलाइन आवेदन कइल जा सकेला.

बिहार के सरगी 23 जिला केंद्रीय सहकारी बैंकन के बिहार स्टेट कोऑपरेटिव बैंक में विलय करे का योजना पर काम शुरु हो गइल बा. सरकार एह बारे में भारतीय रिजर्व बैंक के दिशा निर्देशन के अध्ययन करत बिया. अगर विलय के काम हो गइल त बिहार में बैंकिंग सेवा में बड़हन बदलाव आ सकी आ राष्ट्रीय बैंकन के मनमानी पर अंकुशा लगावल जा सकी. अबहीं ई बैंक सब बिहार के लोगन के जमा रुपिया के इस्तामाल बिहार में करजा देबे में ना लगा के दोसरा राज्यन में लगावेले. अबहीं महज 11 गो शाखा से काम करे वाला बिहार स्‍टेट कोऑपरेटिव बैंक के विस्‍तार विलय का बाद पूरा राज्य में हो जाई.

देश के शेयर बाजार काल्हु रिलायंस का हवा में उड़त नया ऊँचाई पर चहुँप गइल. रिलायंस के शेयर में छह फीसदी के बढ़ोतरी भइला का चलते निफ्टी शुक का दिने अपना एतिहासिक ऊँचाई पर 15,400 अंक के पार बंद भइल. सेंसेक्सो 308 अंक उछिल के 51,400 अंक के पार हा गइल. बाजार में लिवालन के ई लगातार तिसरका दिन रहल.

काल्हु आइल आन्ही आ बरखा का चलते सारण जिला के सोनपुर इलाका के शिवपुर गाँव में एगो माटी के मकान भस गइल आ ओकरा मलवा का नीचे दबा के घर मालिक बूढ़ के मौत हो गइल. दोसर खबर बा कि दिघवारा इलाका के सीतलपुर बाजार के एगो दिव्यांग दुकानदार का साथे कोरोना लॉकडाउन नियम ना माने के दोष लगावत दुर्व्यवहार करे वाला थानाप्रभारी के निलंबित कर दीहल गइल बा. उऩुका बेहूदा आचरण के वीडियो वायरल भइला का बाद प्रशासन ई फैसला कइलसि. वीडियो में थाना प्रभारी दुकानदार के लात से मारत लउकल बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up