टटका खबर, शनीचर, वैशाख अँजोरिया एकादशी. 2078 विक्रमी

by | May 22, 2021 | 0 comments

पद्म विभूषण से सम्मानित प्रख्यात पर्यावरणविद सुंदर लाल बहुगुणा के 94 बरीस का उमिर में काल्हु शुक का दिने कोरोना से मौत हो गइल. बाद में उऩुकर अंतिम संस्कार राजकीय समामान का साथे कइल गइल.

जहाँ जहाँ देश के विरोधी गोलन के सरकार बा ओहिजो कोरोना वैक्सिन के जान-बूझ के खराब कइल जा रहल बा. कुछेक राज्य सरकारन के 400 रुपिया में देश में बनल वैक्सिन खरीदल मंजूर नइखे बाकिर विदेशी वैक्सिनन के हजार रुपिया से बेसिओ दे के खरीदे में एतराज नइखे. देखीं आ जानीं कि देश विरोधी गोल कतना नीचतई पर उतर सकेलें. जसहीं कांग्रेसी टूलकिट चरचा में आइल ओकरा बाद से मरीजन के बढ़ल, आक्यीजन के कमी, अस्पतालन में बेड के कमी, दवाईयन के कमी, वैक्सिन के कमी बगैरह खबर आइल कम हो गइल बा. बाकिर सोशल मीडिया प्लेटफार्मन के रवैया चिन्ताजनक रुप से भारत हित का खिलाफ सामने आइल बा. केन्द्र सरकार के समय रहते एह प्लेटफार्मन के नकेल कसल जरुरी हो गइल बा.

पटना हाई कोर्ट काल्हु शुक का दिने सुनावल अपना फैसला में सबूतन का कमी से सेनारी नरसंहार के सगरी 13 दोषियन के बरी कर दिहलसि. न्यायालय के एह फैसला से लोग के नाराजगी देखल जा रहल बा. जान जाईं कि 18 मार्च 1999 का रात में नक्सलियन के गिरोह सेनारी पर धावा बोल के 34 गो भूमिहारन के खून क दिहले रहले सँ. जहानाबाद के जिला अदालत एह नरसंहार के 10 गो दोषियन के फांसी आ तीन गो के उमिर कैद के सजा सुनवले रहुवे. बाकिर बँवारा गिरोह के पकड़ देश के व्यवस्था पर अबहियों अइसन भारी बा कि ऊ जिला अदालत के फैसला का बाद हाई कोर्ट में अपील करा के सगरी दोषियन के रिहाई हासिल करा लिहलसि. अब एह नरसंहार प्रभावित लोग माँग करत बा कि राज्य सरकार एह फैसला का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट से गोहार करे. जाच करे जोग बा कि सेनारी नरसंहार का समय मुख्यमंत्री रहली लालू के मेहरारु राबड़ी देवी आ ऊ आपना भूमिहार विरोधी राजनीति का चलते घटना का बाद सेनारी ना गइल रहली.

विधायकी हरला का बादो पश्चिम बंगाल के सीएम बनल ममता बनर्जी अब अपना पुरनका सीट भवानीपुर से चुनाव जीत के विधायक बने के तइयारी में बाड़ी. भवानीपुर से विधायक शोभनदेब चट्टोपाध्याय इस्तीफा दे दिहले बाड़न जवना के सकारिओ लीहल गइल बा. ममता के विश्वस्तन में शामिल शोभनदेव के अब खरदाह से मौका दीहल जाई, जहाँ पिछला दौर में एगो उमीदवार के मौत से चुनाव ना हो सकल रहुवे.

कलकत्ता हाई कोर्ट नारदा स्टिंग मामिला में गिरफ्तार तृणमूल कांग्रेस के दू गो मंत्रियन समेत चारो नेतवन के अब होम अरेस्ट में राखे के आदेश दिहले बावे. सीबीआई एह लोग के अपना कस्टडी में ले के पूछताछ कइल चाहत रहुवे बाकिर सीबीआई अदालत से एह लोग के जमानत मिल गइल रहुवे. तब सीबीआई हाई कोर्य में गोहार लगवलसि आ हाई कोर्ट सीबीआई अदालत के फैसला पर रोक लगा दिहलसि. बाकिर ओह स्टे के हटावे का बारे में पीठ के दुनु जज एकमत ना हो सकलें. अब एह मामिला के दोसरा बड़हन पीठ का सोझा भेजल जाई. अब जबले बड़हन पीठ एह मामिला के सुनवाई क के आपन फैसला नइखे दे देत तबले ई चारो महानुभाव अपना अपना घर में नजरबंद रहीहें.

महाराष्ट्र के गढ़चिरौली में पुलिस आ नक्सलियन के बीच भइल मुठभेड़ में काल्हु शुक का दिने नाहियो त एक दर्जन से बेसी नक्सलियन के मार गिरावल गइल. मुठभेड़ एटापल्ली के कोटमी के जंगल में भइल जहाँ ई नक्सली अपना बइठक ला बिटोराइल रहलन स.

हाल ही में आइल ताउते चक्रवाती तूफान में मरल लोगन के परिवार के प्रधानमंत्री राहत कोष से दू दू लाख रुपिया के सहायता दीहल जाई. तूफान प्रभावित सगरी राज्य सरकारन से कहल गइल बा कि तूफान से भइल जानमाल के नुकसान के रपट केन्द्र सरकार के भेजल जाव.

शुक का दिनो शेयर बाजार में जबरदस्त तेजी देखल गइल. सेंसेक्स 976 अंक आ निफ्टी 269 अंक बढ़ के बंद भइल.

इजरायल आ फिलिस्तीन के बीच युद्धबंदी का बाद अब शान्ति लउकत बा बाकिर इजरायल साफ कहले बा कि अगर हमास का तरफ से कवनो उल्लंघन भइल त कड़ेर जबाब दीहल जाई.

राजद नेता तेजस्वी यादव माँग कइले बाड़न कि कोरोना का चलते टार दीहल गइल पंचायत चुनाव के देखत पहिले से चुनाइल पंचायत प्रतिनिधियन के कार्यकाल चुनाव होखे तक बढ़ा दीहल जाव.

जौनपुर जिला के सरपतहां इलाका में पिछला 16 मई के भइल एगो लइकी के हत्या के मामिला के खुलासा करत पुलिस ओह लइकी के आशिक के गिरफ्तार कर लिहले बिया. आशिक ओकर फूफेरा भाई रहुवे आ एही चलते दुनु परिवार एह आशिकी का खिलाफ रहुवे.

सारण जिला में भइल दू गो सड़क हादसन में एगो औरत के मौत हो गइल आ छह जने घवाहिल हो गइलें. एगो हादसा गड़खा इलाका में भइल जवना में बाइक से अपना भाई का साथे नइहर से लवटत नयागांव इलाका के डुमरीअड्डा गांव में बिआहल औरत के मौत हो गइल आ भाई घवाहिल हो गइल.दोसर हादसा तरैया इलाका में रामबाग नहर पुल पर भइल जवना में बोलेरो आ पिकअप वैन के टक्कर से बोलेरो सवार पांच जने घवाहिल हो गइलें,

रोहतास जिला में अवैध बालू लदले 67 गो वाहनन के जब्त करत पुलिस एह धंधा में लागल 13 गो धंधेबाजन के गिरफ्तार क लिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up