टटका खबर, शनीचर, वैशाख अँजोरिया चतुर्थी, 2078 विक्रमी

by | May 15, 2021 | 0 comments

काल्हु चित्रकूट जिला जेल में तीन गो कुख्यात अपराधियन के मराए के बढ़िया खबर मिलल. मुख्तार का गैंग मे रहल भा जुड़ल मुकीम काला आ मेराजुद्दीन के एगो तीसर अपराधी सीतापुर के शार्प शूटर अंशुल दीक्षित गोली मार दिहलसि. दुनु के मौत हो गइल. बाद में अंशुलो के जेल प्रशासन मार गिरवलसि. एकही घटना में तीन गो गैंगस्टरन से मुक्ति मिलला का बावजूद यूपी सरकार जेल अधीक्षक आ जेलर के निलंबित कर दिहलसि. जाने जोग बा कि अंशुल दीक्षित एह जेल में पहिलहीं से रहुवे आ कुछ दिन पहिले मुकीम काला के सहारनपुर जेल से आ मेराजुद्दीन के बनारस जेल से एह जेल में ले आइल गइल रहुवे. मुकीम काला के अत्याचार से कैराना के हिन्दू अतना दहशत में रहत रहलें कि कई परिवार कैराना छोड़ दिहले रहुवे. ओकरा मौत से अब कैराना के हिन्दू चैन के साँस लेत होखिहें.

ईद का दिने पंजाब के मुस्लिम बहुल हो चिकल इलाका से एगो जिला बनावत मलेरकोटला के पंजाब के 23 वाँ जिला बना दीहल गइल. एह जिला में अब मुसलमान आबादी अधिका हो गइल बा. मजहब आधारित राजनीति करे के आदी कांग्रेस के मुख्यमंत्री कैप्टन अमरिंदर सिंह कहलन कि हाल के तमिलनाडु आ पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनावन में मुसलमानन के भागीदारी से भाजपा के हरावे में सफलता मिलल. जाने जोग इहो बा कि मुसलमानन का साथ गठबन्हन बनवला का बावजूद कांग्रेस के खातो ना खुलल बंगाल में. आ आसामो में उ भाजपा के हरा ना पवलसि.

इज़राइल आ फिलिस्तीन का बीचे हो रहल जंग अब एगो नया दौर में आ गइल बा. अब इजरायली सेना फिलिस्तीनी इलाका में जमीनी जंग शुरु कर दिहले बिया. जंग के शुरुआत फिलिस्तीनी हमला का बाद भइल. आ अब इजरायल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू के कहना बा कि जबले जरुरी होखी तबले ई जंग जारी रही. इजरायली रक्षा बल उत्तरी गाजा पट्टी में खोदल सुरंगन के एगो जाल पर रात भर हमला कइलें आ एहमें नाहियो त बीसन हमास अधिकारियन का साथे सैकड़ों आतंकियन के मार गिरावल गइल.

देश के शेयर बाजार काल्हु भर दिन उतार चढ़ाव के खेल खेलला का बाद आखिर में मिलल-जुलल रुप में बंद भइल. तीस शेयर वाला सेंसेक्स 42 अंक बढ़ के बाकिर पचास शेयर वाला निफ्टी 19 अंक गिर के बंद भइल.

भारतीय मौसम विभाग के अनुमान बा कि दक्षिण पश्चिम मॉनसून 31 मई तक केरल चहुंप जाई. ई चार दिन पहिलहूं हो सकेला आ चार दिन का देरिओ से. एह साल मानसून सामान्य रहे के आशा बा. जाने जोग बा कि विभाग के अनुमान पिछला सोलह बरीस में पन्द्रह बेर सही साबित भइल बा.

डॉ रेड्डीज लेबोरेटरीज लिमिटेड काल्हु शुक का दिने हैदराबाद में रूस से बन के आइल वैक्सिन स्पूतनिक वी लगावे के काम शुरु कर दिहलसि. एह वैक्सिन के सेंट्रल ड्रग्स लेबोरेटरी से मंजूरी मिल चुकल बा.

फर्जी सर्टिफिकेट लगा के सोनभद्र जिला में नौकरी करत बलिया के चितबड़ा इलाका के कोड़ारा गाँव के निवासी एगो शिक्षक के ओकरा बलिया डेरा से गिरफ्तार कर के जेल भेज दिहलसि बलिया पुलिस.

मिर्जापुर जिला के अहरौरा इलाका में हैंड पम्प ठीक करत घरी हाई टेंशन बिजली तार छुआ गइला का चलते मुजडीह गाँव के एगो आदमी झँउस गइल. दू गो अउरी लोग झँउसल हालात में अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़ें.

जौनपुर जिला के महराजगंज इलाका के लमहन में एगो पेट्रोल पंप से दू लाख से अधिका रुपिया लूट भगलें तीन गो मोटरसाइकिल से आइल आधा दर्जन लूटेरा.

मिर्जापुर जिला के जिगना इलाका के एगो ईंट भठ्ठा का लगे से जरैला गाँव के एगो शराबी नवही के लाश मिलल. घर वालन के कहना बा कि ओकर कुछ संघतिया ओकरा के अपना साथे ले गइल रहलें आ हो सकेला कि उहे ओकर हत्या कर दिहले होखिहें.

जौनपुर जिला के खेतासराय इलाका के मेहरावां गाँव के एगो आदमी बाइक से ब्यूटीपार्लर चलाए वाली मेहरारु का साथे जात रहुवे जब जौनपुर-शाहगंज मार्ग पर एगो बेकाबू ट्रक ओकरा बाइक के मारत भाग निकलल. मेहरारु के मौत ओहिजे हो गइल आ घवाहिल मरद के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

कौशांबी जिला के पश्चिम शरीरा इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में दू गो नवहियन के मौत हो गइल. ई लोग बाजार से सामान खरीदे निकलल रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up