टटका खबर, शनीचर, वैशाख अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी

by | May 8, 2021 | 0 comments

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के परिणाम अइला का बाद से जारी हिंसा में नाहियो त 16 लोग के मारल जाए के खबर बा बाकिर राज्य सरकार एह बारे में हर जाँच आ कार्रवाई रोके पर आमादा बिया. अब एगो अधिवक्ता अनिंद्य सुन्दर दास का गोहार पर सुनवाई करत कोलकाता हाई कोर्ट के पाँच गो न्यायमूर्तियन के पीठ पश्चिम बंगाल सरकार के अधिकारियन के दू दिन का भीतर चुनावी हिंसा पर समहर रिपोर्ट पेश करे के आदेश दिहले बिया. ओह रिपोर्ट के मिलला का बाद अदालत एह बारे में अगिला सुनवाई 10 तारीख सोमार का दिने करी. पहिले ई मामिला खण्ड पीठ का सोझा आइल रहुवे बाकिर ओह पीठ के लागल कि मामला बहुते महत्व वाला बा एहसे एकरा के बड़हन पीठ में सुनल जाव. अदालत पश्चिम बंगाल के एडवोकेट जनरल किशोर दत्ता से कहले बिया कि अपना शपथ पत्र में ऊ बतावस कि कवना कवना इलाका में ई चुनावी हिंसा के वारदात भइल आ ओह पर काबू पावे के का का कोशिश कइल गइल.
जान जाईं कि राज्यपाल के निर्देश का बावजूद अधिकारियन के सरकारी निर्देश रहुवे कि राज्यपाल का सोझा कवनो रिपोर्ट ना जाए के चाहीं. केन्द्र सरकार के भेजल टीम पर हमला भइल. राष्ट्रीय महिला आयोग के अध्यक्षा के अनुमति ना दीहल गइल राज्य के दौरा करे के. उनुका के कहल गइल कि अधिकारी अबहीं कोविड पर काबू करे का कोशिश में लागल बाड़ें.

देश के कई राज्यन के पुलिस के बेंवत ना रहुवे कि ऊ अपना इलाकन में रमजान के आखिरी शुक का दिने होखे वाला सामूहिक नमाज के रोक लेव. बाकिर संतोष के बाति बा कि कश्मीर घाटी के कवनो प्रमुख मस्जिद भा मजार पर सामूहिक नमाज ना भइल.

गोरखपुर के गगहा इलाका में मार्च महीना में तीन लोगन के हत्या का मामिला में फरार चलत एक-एक लाख रुपिया के दू गो इनामी बदमाशन के काल्हु गिरफ्तार करे में सफल हो गइल पुलिस. एह दुनु बदमाशन के ओपी मेमोरियल स्कूल का नियरा एगो बगइचा से गिरफ्तार कइल गइल.

पश्चिम चंपारण जिला के बगहा इलाका के कई जगहन से चोरी भइल तीन गो मोटरसाइकिलन के बरामद करत पुलिस चार गो बाइक चोरन के शुक का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि.

सारण जिला के बनियापुर इलाका के सोहई साहपुर बाजार में बैंक ऑफ बरौदा के ग्राहक सेवा केन्द्र चलावे वाला से करीब दू लाख रुपिया लूट लीहल गइल. बाइक से आइल लूटेरा ओकरा बाद फरार हो गइलें स.

उत्तर प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष अजय कुमार लल्लू हालही में भइल राज्य के पंचायत चुनाव में धांधली के आरोप लगवले बाड़न. उऩुकर आरोप बा कि हारल उमीदवारन के धांधली क के जीत के प्रमाणपत्र दे दीहल गइल. कई जगहा ओकरा बाद भइल जन विरोध का बाद परिणाम बदलला के खबर बा.

सोनभद्र जिला के पिपरी इलाका के वाराणसी-शक्तिनगर मार्ग पर रिहंद बांध का लगे वनदेवी मंदिर का नियरा भइल दू गो ट्रकन के टक्कर का बाद एगो ट्रक खाई में गिर गइल आ ओब पर सवार तीन जने के मौत हो गइल. चार जने घवाहिलो भइल बाड़ें. हो गये। घायलों को हिंडाल्को अस्पताल में भर्ती करा दिया गया है।

सोनेभद्र जिला के कोन इलाका के बरवाखाड़ के चुनाइल प्रधान रकमुद्दीन अपना जीत के पार्टी देबे ला गाय कटवा दिहलसि. गाँव वालन से खबर मिलला का बाद पुलिस गोकशी करवावे वाला रकमुद्दीन के आदमी अकरम अली, जान, नजमुल, अउर रहीश के गोकशी के चापड़ आ मांस का साथही प्रधानो के गिरफ्तार कर लिहलसि.

बिहार के नीतीश कुमार सरकार राज्य में कोरोना के कहर का चलते 15 मई ले लॉकडाउन के एलान कइले बिया. एही बीच गोपालपुर विधानसभा से चुनाइल जदयू विधायक गोपाल मंडल एगो बैरीकेड देखते अतना जोर से हगास लागल कि ऊ ओह बैरिकेड के तूड़त आपन कार पार करा लिहलन.

कौशांबी जिला के कोखराज इलाका में रेल लाइन पार करत घरी ट्रेन के चपेटा में आ गइल गिरधरपुर गांव के एगो आदमी के ठाँवे पर मौत हो गइल.

9 मई से रद्द भइल ट्रेनन में 02001/02002, 02005/02006, 02011/02012, 02013/02014, 02017/02018, 02029/02030, 02039/02040, 02045/02046, 02055/02056, 02057/02058, 02263/02264, 02265/02266, 02401/02042, 02445, 02455, 22439/22440, 02462, 04041, 04047/04048, 04505/04506, 04515, 04554, 04610, 04606, 04639/04640, शामिल बाड़ी स.
10 मई से 02446, 02456, 02461, 04042, 04516, 04553, 04605, आ 04609 ना चलीहें स.
11 मई से 02442 आ 04021 ना चली.
12 मई से 02434 आ 04022 ना चली.
13 मई से 02441 आ 14 मई से 02433 ना चलीहें स.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up