टटका खबर, शुक, जेठ अन्हरिया नवमी बाकी, 2078 विक्रमी

by | Jun 4, 2021 | 0 comments

कोरोना के कहर में लगातार घटत होखे का चलते काल्हु देश में कोरोना छुताहिल मरीजन के संख्या 13 अप्रैल का बाद के सबसे कम 17 लाख 13 हजार 413 के रहल. हालांकि पिछला तीन दिन से नयका कोरोना छुताहिल मरीजन के संख्या बढ़ रहल बा आ काल्हु 1 लाख 34 हजार 154 के रहल. छुताहिल मरीजन के संख्या में कमी ठीक हो रहल मरीजन के बढ़त संख्यो का चलते बा. 14 मई का बाद से रोज मिलल नया मरीजन का मुकाबिले ठीक होखत मरीजन के संख्या अधिका रहल आवत बा. दुख के बात बा कि अबले 3 लाख 37 हजार 989 मरीजन कोरोना का चलते आपन जान गँवा चुकल बाड़ें.

कोरोना के मरीजन में आवत कमी से उछाह में आइल निवेशक आँख कान मूदले लिवाली में लागल बाड़ें. घरेलू बा विदेशी फंडन के भागीदारी बेमतलब जइसन हो गइल बा भारत के नवका निवेशकन का चलते. एह लोग के निवेश शैली अबहीं ले साफ समुझ में नइखे आवत बड़का निवेशकन के. काल्हु 383 अँक चढ़ के सेंसेक्स आ 52232 पर आ 114 अँक चढ़ के निफ्टी 15690.अंक का ऐतिहासिक निशान पर बंद भइल. विदेशी बाजारन में आजु गिरावट के रुख देखत अगर देशो के बाजार में मुनाफा वसूली आ जाव तो अचरज ना होखी. आजु रिजर्व बैंक के रिपोर्टो आवे वाला बा जवना में महँगाई पर ओकर रुख जाने के इँतजार रही निवेशकन के.

देश के आर्य़िक माहौल में आवत के एगो संकेत अउर बा देश में स्टार्टअपन के बढ़त संख्या जवन 50 हजार का पार हो गइल बा. देश के हर राज्य में आ 623 जिलन में कम से कम एगो स्टार्ट अप जरुर हो गइल बा. सरकार के कहना बा कि एह स्टार्टअपन से नाहियो त पौने दू लाख नौकरी पैदा भइल बा.

सीबीएसई बोर्ड का देखादेखी काल्हु उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद आपन इंटरमीडिएट परीक्षो निरस्त क दिहलसि.

जौनपुर के चन्दवक इलाका के कछवन गाँव से पुलिस पाँच गो डकैतन के योजना बनावते घरी गिरफ्तार कर लिहलसि. पुलिस देखते एगो भाग निकले में सफल हो गइल.

कोरोना के कहर में कमी देखत यूपी सरकार आजु शुक से राज्य के सगरी सरकारी अस्पतालन में ओपीडी सेवा शुरू करा दिहल गइल बा.

कुछ शर्त राखत पटना हाई कोर्ट सवा लाख शिक्षकन के बहाल करे के अनुमति बिहार सरकार के दे दिहले बावे.

देवरिया सदर कोतवाली इलाका में कोरोना निर्देशन के लंघन का आरोप में एगो शापिंग मॉल के सीज कर दिहलसि प्रशासन, ओह समय मॉल में नाहियो त चालीस गो कर्मचारी आ डेढ़ सौ गाहक मौजूद रहलें.

सारण जिला के पानापुर बाजार में बंधन बैंक के शाखा पर धावा बोल के आठ गो डकैत कर्मचारियन के धमका के रसरी से बान्ह दिहलें आ कैश बॉक्स से करीब पौने दू लाख रुपिया लूट ले गइले. एगो दोसर डकैती तरैया इलाका के पचभिंडा गांव के नियरा आइडीएफसी बैंक के ग्राहक सेवा केन्द्र से तीन गो लूटेरा करीब दू लाख रुपिया लूट ले गइलें.

गोण्डा जिला के खोड़ारे इलाका के रसूलपुर खान गांव में पोखरा से माटी निकालत घरी तीन गो लइकियन आ दू गो लइकन के डूबला से मौत हो गइल. सगरी एके परिवार के रहलें. पहिले एगो लइका के गोड़ बिछलल आ पोखरा में डूबे लागल त ओकरा के बचावत में पारा पारी सातो डूबे लगलें. संजोग से अगल बगल के लोग एहमें से दू गो बचा पवले. आ पाँच गो के मौत हो गइल.

कौशांबी के करारी इलाका के भैला मकदूमपुर गांव का नियरा एगो सूखल नहर से एगो औरत के लाश बरामद भइल जवना के पहचान नइखे हो सकल.

सारण के भगवान बाजार इलाका के शिशु पार्क से एगो नवही के लाश बरामद भइल. लाश देख के लागत बा कि ओकर गरदन कवनो धारदार हथियार से काटल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up