टटका खबर, शुक, वैशाख अँजोरिया तृतीया, 2078 विक्रमी

by | May 14, 2021 | 0 comments

आजु अक्षय तृतीया, भगवान श्री परशुराम जी के जन्मोत्सव, आ ईद का मौका पर सगरी पाठकन ला हार्दिक शुभ कामना. सभका से निहोरा बा कि कोरोना कहर देखत आपन त्योहार घरहीं रहि के मनावल जाय.

आजु शुक का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी किसान सम्मान निधि योजना में किसानन के दीहल जाए वाला वित्तीय लाभ के आठवाँ किस्त जारी करिहें. एह किश्त में हर बार का तरह दू दू हजार देश के साढ़े नौ करोड़ लाभार्थी किसानन का खाता में जमा करावल जाई. मौजूदा सरकार में ई राशि बिना कवनो बिचवलियन के हाथ से गुजरल सीधे किसान का खाता में जाला. अब ले एह योजना में किसानन के 115 लाख करोड़ रुपिया दीहल जा चुकल बा.

पश्चिम बंगाल के राज्यपाल धनकड़ ममता सरकार के मनाही का बावजूद कूचबिहार के दौरा पर गइलें आ ओहिजा पीड़ितन से भेंट कइला का बाद अपना ट्वीट में कहलन कि ओह लोग पर भइल अत्याचार के ब्योरा सुन के उनुका आँखिन में लोर ना बाचल. कबो ना सोचले रहलन कि चुनावी हिंसा अइसनो निर्मम हो सकेला. अपना मताधिकार के प्रयोग कइला पर अतना अत्याचार ! जनता में पुलिस पर भरोसा नइखे आ सत्ताधारी गोल के कार्यकर्तन से दहशत में बिया जनता. इहो कहलें कि पुलिस का मौजूदगी में उनका काफिला के रोके के कोशिश कइल गइल.
ओने तृणमूल के कहना बा कि सरकारी मनाही का बावजूद कूचबिहार के दौरा कर के राज्यपाल असंवैधानिक काम कइलें आ एकर शिकायत राष्ट्रपति से कइल जाई.

सुप्रीम कोर्ट योजना बना रहल बा कि ओकरा किहाँ होखे वाला सुनवाईयन के सीधा प्रसारण कइल जाव. मुख्य न्यायाधीश एन वी रमन काल्हु बियफे का दिने कहलन कि एह बारे में आखिरी फैसला करे से पहिले ऊ सगरी न्यायाधीशन के आम सहमति चहिहें.

संघ लोक सेवा आयोग 27 जून के होखे जा रहल सिविल सेवा प्रारंभिक परीक्षा-2021 के कोरोना कहर का चलते टार दिहले बावे. अब ई परीक्षा 10 अक्टूबर के होखी. परो साल ई परीक्षा कोरोना का चलते टराइल रहुवे आ 4 अकेटूबर के करावल गइल रहे.

टाइम्स ग्रुप के चेयरपरसन इन्दु जैन के काल्हु बियफे रात साढ़े नौ बजो कोविड छूताह का बाद होखे वाला विसंगतियन का चलते निधन हो गइल. उनुका निधन पर राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री समेत अनेके लोग शोक संवाद दिहले बाड़ें.

बिहार में कोरोना कहर के लहर के पसार रोके खातिर लगावल गइल लॉकडाउन अब 25 मई तक ले बढ़ा दीहल गइल बा.

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड भारतीय ऑफ स्पिनर रहल रमेश पोवार के एक बेर फेरु भारतीय सीनियर महिला क्रिकेट टीम के मुख्य कोच बना दिहले बावे. एहसे पहिले ऊ नवंबर 2018 ले भारतीय महिला टीम के कोच रहलन. अबहीं डब्लू वी रमन कोच बाड़ें जिनका कोच रहते भारत पिछला साल ऑस्ट्रेलिया में भइल बीसबिसा विश्व कप के फ़ाइनल ले पहुँचल रहुवे.

सारण जिला में छपरा बलिया रेलखण्ड का बीय गौतम स्थान टीसन का नियरा ब्रह्मपुर क्रासिंग पर काल्हु बियफे का दिने ट्रेन से कटा के एगो अधबूढ़ आदमी के मौत हो गइल.

सारण जिला के मशरक इलाका के धवरी गोपाल गाँव के धानुक टोला के चँवर से गाँवे के एगो आदमी के लाश बरामद भइल बा.

बिहार के सुपौल जिला के बीरपुर उपकारा में बंद जन अधिकार पार्टी के प्रधान आ सांसद रह चुकल पप्पू यादव के इलाज खातिर दरभंगा चिकित्सा महाविद्यालय अस्पताल भेज दीहल गइल.

उत्तर प्रदेश के बांदा जेल में बंद बहुजन समाज पार्टी विधायक बाहुबली मुख्तार अंसारी के कोरोना छूत से मुक्ति मिल गइल बा.

जौनपुर जिला के सरायख्वाजा इलाका में एगो मरद मेहरारु के मौत मिलावटी शराब पीयला से भइला के पुलिस मकार दिहलसि बाकिर नाजायज शराब बेचे का आरोप में चार जने के गिरफ्तारो कर लिहलसि.

सात बरीस से कम के सजा पवले बलिया जिला जेल में बद 42 गो कैदियन के दू महीना खातिर अंतरिम जमानत पर रिहा कर दीहल गइल बा.

वाराणसी के लंका इलाका में काल्हु बियफे का दिने गंगा नदी से एगो लइका के लाश बरामद भइल बाकिर ओकरा बाप आ बड़ भाई के तलाश अबहियो जाहरी बा. ओहू लोग के नदी में डूबे के अनेसा बा.

रमजान का महीना होखला का बावजूद फिलिस्तीन पहिले इजरायल के नागरिक इलाकन पर मिसाइल आ आतंकी हमला करे के गलती कइलसि. ओकरा बाद से इजरायल के कहर टूट गइल बा फिलिस्तीन पर. एह जबाबी कार्रवाई का बाद फिलिस्तीन का तरफ से युद्ध बंदी के प्रस्ताव इजरायल ना मनलसि. अबहीं ले नाहियो त पाँच दर्जन फिलिस्तिनियन के मौत हो चुकल बा इजरायल के जबाबी हमला से. ओह लोग ला भागहूं के कवनो ठौर नइखे बाचल. इजरायल के विपक्षो एह कार्रवाई में सरकार के साथ दे रहल बा. अपना देश के विपक्ष त आए दिन अनेरियने का साथे खड़ा लउकेला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up