टटका खबर, शुक, वैशाख अंजोरिया नवमी-दशमी, 2078 विक्रमी

by | May 21, 2021 | 0 comments

काल्हु मुस्लिम पर्सनल लॉ बोर्ड के सचिव जफरयाब जिलानी के दिमाग के नस फाट गइल आ ब्रेन हैमरेज हो गइल. बेहोश जिलानी के मेदान्ता अस्पताल में भरती करावल गइल बा. रामजन्मभूमि विवाद में वरिष्ठ अधिवक्ता जफरयाब जिलानी मुस्लिम पक्ष का ओर से पैरवी करत रहलें.

देश के कोरोना प्रभावित जिलन के जिलाधिकारियन से ऑनलाइन बइठक में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी सलाह दिहनी कि कोरोना महामारी से निपटे में ग्रामीण आ शहरी इलाकन के अलग रणनीति बनावल जाय काहेंकि दुनु के हालात अलग होला.

केन्द्र सरकार बरीस 2020-21 के व्यक्तिगत आयकर रिटर्न जमा करे के समयसीमा दू महीना बढ़ाके 30 सितंबर 2021 कर दिहलसि. कंपनियनो के एक महाना के सहूलियत दीहल गइल बा.

दुनिया के गरीब देशन के दुख बढ़ गइल बा जबसे भारत कोरोना वैक्सिन के निर्यात रोक दिहले बावे. भारत में तेजी से बढ़ल कोरोना कहर आ विरोधी गोलन के हायतोबा मचवला से मजबूरी में सरकार के ई फैसला लेबे के पड़ल बा.

काल्हु अंदाज का मुताबिके शेयर बाजारन में बिकवालन के जोर बनल रह गइल. सेंसेक्स में 338 अंक आ निफ्टी में 124 अंक के गिरावट दर्ज भइल. अमेरिकी बाजारन से मिलत संकेत बतावत बा कि आज बाजार में तेजी देखे के मिल सकेला. काल्हु वायदा बाजार के साप्ताहिक निपटानो के दिन रहुवे.

राहुल गाँधी के करामाती राजनीतिक नेतृत्व का बल पर केरल के परंपरा तूड़त बँवारा गोल दुबारा सत्ता में काबिज हो गइलें. काल्हु पिनारायी विजयन लगातार दुसरा बेर बँवारा गोलन के नेतृत्व करत केरल के मुख्यमंत्री पद के किरिया धइलन. अबकी बँवारा गोलो में विजयन के रुतबा बढ़ गइल बा आ अपना दामाद के मंत्री बना के इशारा दे दिहलन कि उनकर राजनीतिक वारिस उहे रहीहें.

बस्ती जिला के कोतवाली इलाका में सियरापार घाट पर कुआनो नदी से आशिक जोड़ा के लाश निकालल गइल. दुनु रघुनाथपुर गाँव के रहलें.

कुशीनगर जिला के हाटा आ तुर्कपट्टी थाना के पुलिस मिल के सरदार ढाबा का लगे से ट्रैक्टर चोरी करे वाला गिरोह के चार गो चोरन के गिरफ्तार क लिहले. एहना के कब्जा से चारो चोरावल ट्रैक्टरो बरामद कइल गइल बा.

आजमगढ़ पुलिस दीदारगंज इलाका से फरार चलत इनामी शराब तस्कर के काल्हु पल्थी बाजार तिराहा से गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकर स्कार्पियो वाहनो जब्त क लीहल गइल बा.

सोनभद्र जिला के बभनी इलाका के चैनपुर गाँव में काल्हु दुपहरिया ठनका गिरला से दू जने के मौत हो गइल आ पाँच जने झँउस गइले.

सारण जिला के एकमा इलाका के नवतन गाँव का नियरा एगो झाड़ी से काल्हु एगो औरत के लाश बरामद कइल गइल. बाकिर ओकर पहचान साबित नइखे भइल कि ऊ के हिय आ कहाँ के हिय.

मिर्जापुर जिला के लालगंज थाना के एगो गांव में नया नया बिआहल आइल कनिया अपना आशिक का साथे फरार हो गइल. बीमारी के बहाना बनवलसि त दुल्हा ओकरा के अस्पताल ले गइल जहाँ से ऊ अपना नइहर चल गइल आ ओहिजा से फरार हो गइल बिया.

मिर्जापुर जिला में हलिया इलाका के बड़कुड़िया गाँव के एगो बूढ़ काल्हु ठनका गिरला से मर गइल. ऊ अपना खेत के रखवारी करे मचान पर सूतल रहुवे जब मचान पर ठनका गिर गइल.

पूर्वी चंपारण जिला के पिपरा इलाका के चिन्तामनपुर गाँव के खास टोला से पुलिस काल्हु दू गो अपराधियन के गिरफ्तार कइलसिय दुनु दोसरा इलाका के हउवें. एगो छौडा़दानो इलाका के आ दुसरका जितना इलाका के हउवे.

रोहतास जिला के अगरेर इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में काल्हु भोर में दउड़े के अभ्यास करत एगो नवहि के मौत हो गइल. ऊ नोखा इलाका के बरांव गांव के रहुवे आ आरा-सासाराम रोड पर कवनो वाहन ओकरा के धक्का मारत भाग गइल रहे.

देवरिया में कोरोना का चलते शहर के कुछ इलाकन के बाँस बल्ली लगा के सील कर दीहल गइल बा. एह मुहल्लन में कोरोना तेजी से बढ़ला के शिकायत मिलल रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up