टटका खबर, शुक, 5 जनवरी 2018

by | Jan 6, 2018 | 0 comments

मध्यप्रदेश का इंदौर शहर के कनाड़िया इलाका के बिचौली मर्दाना बाईपास पर शुक का दिने एगो नामी प्राईवेट स्कूल के बस के जोरदार टक्कर सामने से आवत एगो च्रक से हो गइल. एह हादसा में पाँच गो विद्यार्थियन आ ड्राइवर के मौत हो गइल आ दर्जनो घवाहिल हो गइलें.

प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी शुक का दिने देश के पिछड़ल जात जिलन के विकास के जरुरी बतावत कहलें कि इलाकाई क्षेत्रीय असंतुलन के बहुते दिन ले बढ़े ना देबे के चाहीं. नई दिल्‍ली में डॉक्‍टर आम्‍बेडकर अंतर्राष्‍ट्रीय केन्‍द्र में देश के जिलाधिकारियन आ प्रभारी अधिकारियन से बतियावत पीएम कहनी कि सबसे पहिले त निराश सोच के आशावादि सोच में बदले के बा. एह दिसाईं सफलता के कहानियन के रेघरियावत रहे के पड़ी जवना से लोग में उछाह भरे. कहनी कि लोग के आकांक्षा के चिन्हे के पड़ी आ ओकरा के चैनलाइज करत बढ़न्ती का तरफ बढ़ावे के होखी.
पीएम मोदी उदाहरण देत समुझवनी कि साठ का दशक में बैंकन के राष्‍ट्रीयकरण हो चुकला का बावजूद बैंक गरीबन ले ना पहुंच सकल रहुवे. सरकार जनधन योजना ले आके बदलाव करा दिहलसि. कहनि कि एही तरह बदलाव के नया नयि जरिया खोज का काम करीं सभे.

संसद के पिछलका सत्र खतम हो गइल. दुनु सदन के कार्चवाही बेमियादी समय ला रोक गदीहल गइल. लोकसभा एह सत्र में 11 गे विधेयक पारित क दिहलसि बाकिर राज्यसभा में कांग्रेस का अगुआई में विपक्ष लगातार बाधी डालत गइल आ कई गो जरुरी काम के निपटान ना हो सकल. अब बजट सत्र 29 जनवरी से शुरू होखी. एह सत्र का पहिला दिने राष्‍ट्रपति दुनु सदन के समहर बइठका के संबोधित करब. एही सत्र में अगिला साल के बजट एक फरवरी के पेश कइल जाई. बजट सत्र के पहिला दौर 9 फरवरी ले चली.

सरकार मान लिहलसि कि पिछला लेखा खाता बरीस 2017-18 में सकल घरेलू उत्‍पादन में बढ़ातरी साढे छह फिसदी रहल. एकरा पिछला बरीस में ई बढ़ातरी 7.1 फीसदी रहल रहुवे.

रांची की विशेष सी बी आई अदालत शुको का दिने पुरनका बिहार में भइल चारा घोटाला में दोषी लालू प्रसाद के सजा ना सुना पावल. अब सनिचर के दुपहरिया में उनुका के वीडियो कान्फरेसिंग से सजा सुनावत जाई. एह बीत लालू के उमिर आ बीमारी के रोना रोवत उनुकर वकील अदालत से मनुहार कइले बाड़न कि सजा कमे दिन के सुनावल जाव. एकरा पीछे के मनसा बा कि कम दिन के सजा मिलला प जमानत मिलल आसान रही ना त सुप्रीम कोर्ट ले दउड़ लगावे के पड़ सकेला.

साल 1993 में भइल चेन्‍नई के संघ मुख्‍यालय पर बम फोड़े वाला आरोपी मुस्‍ताक अहमद के शुक का दिने सीबीआई चेन्‍नई के बाहरी इलाका से गिरफ्तार क लिहलसि. एह धमाका में 11 लोग के मौत हो गइल रहुवे.

आतंकवादियों का खिलाफ पाकिस्‍तान के रवैया से नाराज अमरीका ओकरा के देबे वाला एक अरब पन्द्रह करोड़ डॉलर के सुरक्षा सहायता आ सैन्‍य हथियारन के आपूर्ति प रोक लगा दिहलसि. पाकिस्तान के आतंकियन के एगो लिस्ट थमा के ओकरा से कहल गइल बा कि 1 जनवरी से पहिले एह सभ प कार्रवाई क देखावे.

दू बरीस के गुमा सधला का बाद अब उत्‍तर कोरिया दक्खिन कोरिया से बतियावे ला तइयार हो गइल बावे. सिओल में शुक का दिने एह बाति के पकियावत दक्खिन कोरिया के एकीकरण मंत्री कहलन कि उत्‍तर कोरिया के एगो शिष्‍टमंडल मंगल का दिने भेजी. बातचीत पानमूनजोम गांव में होखी.

कड़ाका के गलन वाली जाड़ बिहार यूपी समेत सगरी उत्तरी भारत में बनल बा. एह से हर तरह के आवाजाही में बाधा आइल बा आ लोग के जीवन अस्त व्यस्त हो के रहि गइल बा. जम्‍मू-कश्‍मीर के कुपवाड़ा में तंगधर इलाका के साधना चोटी पर पहाड़ खिसकला से भइल हादसा में एगो वाहन से जात नौ लोग लापता हो गइल बा. कुछ लोग बर्फ का टीला का नीचे दबाइल लागत बा. राहत का काम में सेना आ पुलिस के जवान लागल बाड़ें.

केपटाउन में चलत बीसीसीआई आ दक्षिण अफ्रीका का बीचे पहिलका क्रिकेट टेस्‍ट मैच के पहिलका पारी में दक्षिण अफ्रीका के टीम 286 रन पर ऑल आउट हो गइल. एकरा बाद खेलत बीसीसीआई के टीम के शुरुआते खराब भइल. आ महज 87 रन का स्कोर पर ओकर जार गो विकेट गिर गइल.

लगातार दूसरे दिने शुक के देश के शेयर बाजार बढ़ोतरी लेत बंद भइलें. सेंसेक्स 34,153.85 अंक के रिकार्ड ऊँचाई छुवलसि त निफ्टी 10,558.85 अंक के. वइसे अब जालकार चातावे लागल बाड़ें कि एह उछालन से उछाह में अइला के जरिरत नइखे आ बहुते सोच समुझ के नया पूंजी फँसावे लोग. काहें कि कंपनियन के मुनाफा ओह तरह से नइखे बढ़ल जवना तरह से शेयरन के दाम बढ़ल बा. लोग जो बा कि एक रुपिया के कमाई प 29 रुपिया ले लगवले जात बा. बाजार जब टूटल शुरु करी त कवनो ठाँव ना मिल पाई ओह गिरावट के.

यूपी के कई जिलन में शिक्षकन के कमी देखत सरकारी कॉलेजन में ‘मेरा अधिकारी-मेरा मार्गदर्शक’ योजना का तहत सरकारी अधिकारी इण्टर मीडिएट तक के विद्यारिथियन के पढ़ावे के काम करे लागल बाड़ें.

गोरखपुर के पिपराइच इलाका के खजवाँ गाँव का नियरा बनल मुर्गी फार्म में काम करे वाला मजदूर फार्म चौकीदार के लोहा का रॉड से पीटत मुआ दिहलसि.

पश्चिम चंपारण जिला के सहोदरा इलाका के नरकटियागंज-भिखनाठोरी मेन रोड पर शुक का दिने एगो आदमी के लाश फेंकल मिलल बा.

जौनपुर जिला के रामपुर इलाका में शुक का दिने भइल सड़क हादसा में एगो मोटरसाइकिल प जात दू गो बचवन के मौत हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइलें.

मिर्जापुर के अहरौरा इलाका के जरगो जलाशय से 27 बरीस के एगो औरत के लाश मिलल बा. पुलिस के अनेसा बा कि ओकरा साथे बलात्कार कइला का बाद ओकर खून क के जलाशय में फेंकल गइल बा.

जौनपुर के बदलापुर इलाका में दुगौली गाँव के एगो नवही के खून क दीहल गइल बा.

आजमगढ़ के रौनापार इलाका के बरडीहा गाँव का एगो मड़ई में कउड़ा का आग से भइल अगलगी में एके परिवार के चार लोग के मौत हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up