टटका खबर, सोमार, चतुर्दशी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

by | Apr 26, 2021 | 0 comments

काल्हु अपना मन का बात कार्यक्रम में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि कोरोना के पहिलका लहर के हरवला का बाद हौसला से भरल देश दुसरको लहर के तूफान से पार पा ली. कहलन कि कोरोना के दुसरका लहर हमनी के धीरज आजमावत बा. कहलन कि लोग अफवाहन पर ध्यान ना दे के एकरा से निपटे पर ध्यान देव. सभके टीका लगवावे के चाहीं.
एही बीच खबर आवत बा कि अमेरिका आपन फैसला पलटत अब वैक्सिन खातिर जरुरी सामान के निर्यात के अनुमति दे दिहले बावे. दुनिया भर से हिन्दुस्तान के एह आपदा में तरह तरह के जरुरी उपकरण, आक्सीजन, आ सामान भेजल जा रहल बा. वैक्सिन के निर्यात कइला के फायदा आजु देश देख रहल बा. अपना खराब दिन में भारत अकेले नइखे, पूरा दुनिया ओकरा साथे खड़ा बा.

दिल्ली उच्च न्यायालय में जनहित याचिका डाल के गोहार कइल गइल बा कि न्यायिक अधिकारियनो के फ्रंटलाइन वर्कर मानल जाव आ ओहू लोग के परिजन ला कोविड अस्पताल तय कइल जाव.

मुख्य चुनाव आयुक्त सुशील चंद्रा आ चुनाव आयुक्त राजीव कुमार के नेतृत्व में चुनाव आयोग शनीचर का दिने पश्चिम बंगाल के अघिकारियन का साथे बइठक करि के कोविड महामारी का बीच हो रहल विधानसभा चुनाव का दौरान कोविड-19 दिशानिर्देशन के पालन करे पर बातचीत कइलसि.
आजु बंगाल चुनाव के सतवां डेग में 34 सीट के चुनाव करावल जा रहल बा. सबेरे सात बजे से शुरु मतदान साँझ साढ़े छह बजे ले होखी.
पश्चिम बंगाल में होखत विधानसभा चुनाव में हिंसा के घटना लगातार जारी बा. काल्हुओ नदिया जिला में भइल बम विस्फोट के घटना में एगो नवही के मौत हो गइल आ एगो अउन नवही घवाहिल हो गइल.

यूपी पंचायत चुनाव के तिसरका दौर के मतदान आजु हो रहल बा. आजु बलिया, देवरिया, चन्दौली, मिर्जापुर समेत बीस जिलन में मतदान चालू बा.

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आदेश दिहले बानी कि अगर सरकारी अस्पताल में बेड नइखे खाली आ कोरोना मरीज के भरती कइल जरुरी बा त ओकरा के निजी अस्पताल में भरती करावल जाय आ ओकर खरचा सरकार दी.

कौशांबी जिला में जिला पंचायत चुनाव में भाजपा के अधिकृत प्रत्याशियों का खिलाफ बगावत क के जिला पंचायत सदस्य के चुनाव लड़े वाला 15 गो भाजपा पदाधिकारियन के छह बरीस ला गोल से बाहर कर दीहल गइल बा.

पश्चिम चंपारण जिले के नौरंगिया इलाका में एगो राशन दुकानदार से पाँच लाख के रंगदारी माँगे वाला माओवादी के पुलिस काल्हु अतवार के गिरफ्तार क लिहलसि.

जौनपुर में दूरदर्शन अपना प्रदेश के ब्यूरो चीफ आ दैनिक हिन्दुस्तान के पत्रकार संजय मिश्र के कोरोना छूताह भइला का बाद काल्हु अतवार के निधन हो गइल.

इलाहाबाद विश्वविद्यालय में भौतिकी विभाग विभागाध्यक्ष रहल आ वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय प्लेसमेंट सेल के निदेशक रहल प्रोफ़ेसर रंजना प्रकाश के काल्हु अतवार का दिने इलाहाबाद के अस्पताल में निधन हो गइल.

बलिया जिला के बेरुआरबारी विकास खण्ड में तैनात ग्राम विकास अधिकारी के पंटायत चुनाव में ग्राम पंचायत प्रधान पद के उम्मीदवार अपना भाई खातिर वोट माँगे का आरोप में निलम्बित क दीहल गइल बा.

आईपीएल के मैच में काल्हु चेन्नई सुपरकिंग्स 69 रन से रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up