टटका खबर, सोमार, वैशाख अँजोरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी

by | May 24, 2021 | 0 comments

देश के पुरवारा किनारे आवत समुद्री चक्रवाती तूफान यास से निपटे खातिर राष्ट्रीय आपदा मोचन बल का साथही सेना के तीनो अंग के तइयार राखल गइल बा राहत के काम खातिर. प्रभावित होखे वाला इलाका से लोगन के सुरक्षित इलाका में भेजे के काम लगातार जारी बा. मछुआरन के काल्हुए से मना कर दीहल गइल बा समुद्र में आवे से. अनेसा बतावल जात बा कि तूफान यास बुध के साँझ ले पश्चिम बंगाल के दीघा आ पाराद्वीप का किनार से टकराई. ओह समय एकर रफ्तार 180 किलोमीटर प्रति घंटा के रहे के अनेसा बा. एह तूफान से जान माल के बड़हन नुकसान हो सकेला काहे कि ई बड़हन इलाका में पसरल रहे वाला बा. आजु सोमार से एकरा असर से बरखा के शुरुआत हो जाई. प्रधआन मंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु प्रभावित राज्यन के अधिकारियन आ बचाव का काम में लागे वाला विभागन के अधिकारि.न का साथे ञनलाइन बइठक क के हालात के समीक्षा कइनी.
देश में कोरोना के सक्रिय मरीजन के गिनिती 10 मई का बाद से लगातार घटत जा रहल बा. 10 मई का दिने देश में 37 लाख 45 बजार 237 मरीज रहलें जवन लगातार घटत 23 मई का दिने 28 लाख 5 हजार 399 रह गइल बा. कोरोना कहर के दुसरका दौर अपना अति का बिन्दु से नीचे आ गइल बा. काल्हु कोरोना के 2 लाख 40 हजार 842 नया मरीज मिललें त पुरान मरीजन में से 3 लाख 55 हजार 102 मरीज ठिको हो गइलें. दुख के बात इहे रहल कि रोजाना होखत मौतन में मामूली कमी आइल बा आ काल्हु 3 हजार 741 कोरोना मरीजन के मौत का साथही देश में कोरोना से मरे वालन के गिनिती करीब 3 लाख हो गइल बा.

देश में आग लगवावे के सलाह देबे वाला कांग्रेसी नेता आ मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री रहल कमलनाथ का खिलाफ भाजपा के नेतन से मिलल शिकायत पर भोपाल पुलिस मामिला दर्ज क लिहले बिया. ओने छतीसगढ़ में कांग्रेसी नेतन का शिकायत पर संबित पात्रा का खिलाफ केस दर्ज भइल बा. पात्रा पर आरोप बा कि ऊ देश बरबाद करे वाला कांग्रेसी टुलकिट होखे के गलत दावा कइले बाड़न.

गाजीपुर के जंगीपुर इलाका में शेखपुर गांव का नियरा अतवार का दिने एगो तेज रफ्तार सफारी सड़क किनारे खड़ा ट्रक से जा टकराइल. एह हादसा में सफारी सवार एक आदमी के मौत हो गइल. चालको धविहल हो गइल बा.

कौशांबी के शीतला धाम कोतवाली इलाका के नसीरपुर फरीदगंज गांव में एगो लइकी से दुष्कर्म करे के आरोपी के गिरफ्तार क के पुलिस मामिला के जाँच करत बिया, मामिला आशनाई के लागत बा जवना में लड़की के परिवार वाले दुष्कर्म के आरोप लगवले बाड़न.

भदोही के शहर कोतवाली इलाके के जमुंद मुहल्ला में एगो आदमी पारिवारिक विवाद में अपना भाई आ भउजाई के छूरा घोंप घोंप के मार दिहलसि आ फरार हो गइल बा.

देवरिया के महुआडीह इलाका के नेरुई अमवां गाँव के नया चुनाइल प्रधान साथे मारपीट करत गोली मारे का आरोप में पुलिस चार जने के गिरफ्तार कइले बिया.

बलिया जिला के बांसडीहरोड इलाका में बलिया टाउन पालिटेक्निक का छात्रावास परिसर का लगे से एगो 40 बरीस के औरत के लाश बरामद भइल बा.

संतकबीरनगर के कोतवाली खलीलाबाद इलाका में अतवार का भोरे भइल एगो सड़क हादसा में एकही परिवार के पाँट सवांग के मौत हो गइल. देवरिया के मांगो कोड़र गाँव के एगो आदमी अपना परिवार साथे लुधियाना से आवत रहले जब पिकअप चालक के झपकी लाग गइल आ पिकअप सड़क किनारे खड़ा ट्रक से जा टकराइल.

सोनभद्र के पिपरी इलाका के मलिन बस्ती से पुलिस चार गो तस्करन से करीब 25 लाख रुपिया दाम के हेरोईन बरामद करत गिरफ्तार कर लिहलसि.

कौशांबी के कोखराज इलाका के मूरतगंज कस्बा तिराहा का लगे शनीचर देर रात भइल हादसा में एगो ट्रक का चपेटा में आके घवाहिल भइल नवही के मौत काल्हु अस्पताल में हो गइल.

गाजीपुर के खानपुर इलाका के पटना गांव में काल्हु भोर में अपना झोपड़ी में सूतल एगो आदमी के टांगी से काट के हत्या क दीहल गइल बा. अपराधियन का बारे में कवनो पता नइखे चलल बाकिर गाँव वाले एकरा के चुनावी रंजिश में भइल हत्या बतावत बाड़ें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up