टटका खबर, सोमार, वैशाख अँजोरिया पंचमी, 2078 विक्रमी

by | May 17, 2021 | 0 comments

घोटालाबाजी का मुकदमा में जेकर पूरा परिवार आ ऊ खुद जमानत पर चलत बा ऊ राहुल गाँधी काल्हु मोदी सरकार से माँग कइलन कि मोदी का खिलाफ पोस्टर सटवावे का आरोप में उनुको के गिरफ्तार कर लीहल जाव. अलग बाति बा कि आआपा दावा कइले बा कि पोस्टर ऊ सटववलसि आ चुनौती दिहलसि कि पइसा लेके पोस्टर साटे वाला गरीब मजदूरन का बदले आआपा के नेतवन के गिरफ्तार कर देखावे सरकार.

अपना बेवजह सदाशयता से पीड़ित भारत सरकार के प्रतिनिधि टी एस तिरुमूर्ति काल्हु संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद का बइठक में इजरायल फिलीस्तीन संघर्ष के तुरत रोके के गोहार लगवलसि. अपना मुस्लिम प्रेम से पीड़ित भारत सरकार एह बइठक मे फेरु कहलसि कि फिलिस्तीन के माँग जायज बा. विवाद हल करे खातिर बातचीत के दौर शुरु होखे के चाहीं. हालांकि भारत गाजा पट्टी से इजरायली इलाकन पर रॉकेट हमलन के भर्त्सना कइलस बाकिर इजरायलो से गोहार लगवलसि कि ऊ जबाबी हमला रोक देव. याद करे जोग बा कि फिलिस्तीन हमेशा भारत का खिलाफ रहल बा कश्मीर मुद्दा पर आ इजरायल संकट का हर घड़ी में भारत के साथ दिहले बा. देश के आम जनमानस एह सचाई के मानत इजरायल के आपन मित्र देश मानेला. जाने जोग इहो बा कि इजरायल एह संघर्ष में ओकर खुल के साथ देबे वाला देशन का सूची में भारत के नइखे रखले.

अरब सागर में उठल चक्रवाती तूफ़ान ताऊते अब बहुते बरबादी करे वाला तूफ़ान बन गइल बा. एकर असर भारत के समुद्री किनारन पर पड़ल शुरुहो गइल बा. तटवर्ती इलाक़न में तेज़ आँदी का साथे बरखा हो रहल बा. काल्हु देश के गृहमंत्री अमित शाह गुजरात आ महाराष्ट्र के मुख्यमंत्रियन अउर दमन दीव आ दादर नगर हवेली के प्रशासक से वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग क के हालात पर चरचा कइलन आ एह तुफान से निपटे के तइयारियन के समीक्षा कइलन. कहलन कि एह तूफान से निपटे का साथही एहू पर पूरा धेयान दिहल जाव कि कोरोना से निपटे में कवनो कमी ना आवे. अस्पतालन के निर्बाध बिजली मिले, आक्सीजन के कमी ना होखे, आ टीकाकरण के दौर चालू रहे के चाहीं. एनडीआरएफ के पचास गो टीम पहिलहीं से एह इलाकन में तैनात क दीहल गइल बा.

भारतीय महिला क्रिकेट टीम एह साल सितम्बर में ऑस्ट्रेलिया में मैच खेले जाई. एह दौरान तीन गो एकदिना मैच खेलीहें दुनु देश. साथही तीन गो बीसबीसा मैचो हो सकेला. अगिला महीना भारत के महिला टीम इंग्लैंड के दौरो पर जाए वाली बा. ई दौरा 16 जून से शुरू होखा आ एहमें एगो टेस्ट मैच, तीन गो एकदिना मैच आ तीन गो बीसबीसा मैच खेले के योजना बा.

दुनिया भर में कोरोना के कहर थथमल नइखे बाकिर भारत में एकरा कहर में कुछ कमी आवत लउकत बा. नया मरीजन के कम होखला का साथही पुरनका मरीजन के ठीक होखल बढ़े लागल बा आ सक्रिय मरीजन के गिनिती घटल शुरु हो गइल बा.

देश के स्वर्ण भंडार में एक अरब डॉलर से अधिका के बढ़ोतरी का साथही देश के विदेशी मुद्रा भंडारो 1.44 अरब डॉलर बढ़िके 589.47 अरब डॉलर हो गइल बा. जवन कि 29 जनवरी का बाद के सबले अधिका बा. दू दुन के साप्ताहिक छुट्टी का बाद आजु शेयर बाजार खुले वाला बा आ उमेद बा कि आजु तेजी के रुख रह सकेला.

बस्ती जिला पुलिस गौर इलाका के क्षेत्र के बेलहिया गाँव में भइल एगो हत्या के चारो आरोपियन के काल्हु गिरफ्तार कर लिहलसि.

सारण जिला के मांझी इलाका में ताजपुर गाँव से दू गो अपराधियन के असलहा का साथे गिरफ्तार कइल गइल.

जौनपुर जिला के सुजानगंज इलाका में एगो सड़क हादसा में काल्हु बाइक से जात सिंगरामऊ इलाका के कुथुआ गाँव के दू गो भाईयन के मौत हो गइल.

बस्ती जिला के सोनहा इलाका के परसा खुर्द बुजुर्ग दरियापुर के एगो अढ़ाई बरीस के मासूम के हत्या का आरोप में पुलिस एगो आशिक जोड़ी के गिरफ्तार कइलसि.

जौनपुर जिला के मुंगराबादशाहपुर इलाका के बरजीकला गाँव के एगो बाइक सवार नवही के मौत हो गइल आ साथे बइठल एगो आदमी घवाहिल हो गइल. एह लोग के बाइक के बाइक के टक्कर सामने से आवत दोसर बाइक से हो गइल रहे. ओहू बाइक पर सवार दुनु जने घवाहिल हो गइल बाड़ें.

सारण जिला के मांझी इलाका में बलिया मोड़ पर वाहन जांच का दौरान दू गो मोटरसाइकिलन से नाजायज शराब बरामद भइला पर एहनी पर सवार पाँच जने के गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस.

कौशांबी जिला के सैनी इलाका रे भडेहरी गाँव के एगो किसान के सब्जी के खेत के रखवारी करत घरी गरदन रेत के हत्या कर दिहले कुछ बदमाश. ओहनी का बारे में कुछ पता नइखे चलल अबहीं.

सोनभद्र जिला के बीजपुर इलाका के धरतीडा़ड़ जंगल के पहाड़ी पर स्थित मंदिर पर अपना मंगेतर साथे दर्शन करे आइल नवहिन आ ओकरा मंगेतर के तीन गो अनेरिया बंधक बना लिहले आ नवहिन साथे सामूहिक बलात्कार कइले सँ.

सारण जिला के दाउदपुर इलाका के लमहारी गाँव के एगो घर पर डकैता डाले का दौरान विरोध कइला पर घर के एगो औरत के गोली मार के मुआ दिहले सँ.

पर्याप्त सवारी ना मिलला का चलते रेल प्रशासन ट्रेन संख्या 05325 टनकपुर-दिल्ली विशेष ट्रेन के 17 मई से आ ट्रेन संख्या 05326 दिल्ली-टनकपुर विशेष ट्रेन के 18 मई से निरस्त कर दिहले बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up