टटका खबर, सोमार, वैशाख अन्हरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी

by | May 3, 2021 | 0 comments

देश अब संतोष कर सकेला कि चुनावन का बाद टूलकिट गिरोह कुछ दिन ले आराम करी. जइसन सफलता ऊ चहले रहुवे ओकरा के हासिल कर लिहलसि. अब देश में आक्सीजन के कमी, अस्पतालन में बेड के कमी, कोरोना के कहर, दवा खातिर गिड़गिड़ात लोगन के सोशल मीडिया पर लागल गोहार, शमशानन आ कब्रिस्तानन में मुर्दन के लागल कतार वगैरह के खबर आइल कम हो जाई. हर चुनाव का बेरा देश के विरोधी गोल अपना पूरा ताकत से देश के माहौल बिगाड़े में लाग जाला आ एह काम में मीडिया के भरपूर सहजोग मिल जाला ओकरा. मीडिया अपना कांग्रेसी युग में चाभल मलाई के सवाद भुलाइल नइखे. साथही मौसम का साथे बदलल कुछ राइटविंगरो एही उमेद में रहेलें कि भाजपो ओही तरह अपना समर्थकन का बीच मलाई बाँटी जइसे कांग्रेस बाँटत रहुवे बाकिर जब कुछ भेंटाव ना त भाजपे पर आपन खीझ उतारे लागेलें.

यूपी के तीन तल्ला पंचायत चुनाव के मत गणना काल्हु रात ले पूरा ना हो सकल आ लागत बा कि आजु उपरि बेरा ले सगरी परिणाम आ पाई. एह बीच भाजपा के दावा बा कि जिला पंचायत सदस्यन के 3052 सीटन ला भइल चुनाव के 70 फीसदी सीत पर भाजपा के उमीदवारन के जीत होखे जा रहल बा. भाजपा के प्रदेश उपाध्यक्ष आ पंचायत चुनाव के प्रभारी विजय बहादुर पाठक काल्हु देर रात बतवलन कि रुझान भाजपा के पक्ष में जात लउकत बा. आ भाजपा करीब 70 फीसदी जिला पंचायत सीट जीत जाई. अगर ई दावा सही निकलल त करीब करीब सगरी जिला पंचायतन के अध्यक्ष पद भाजपा के हासिल हो सकेला.

पांच गो विधानसभन के चुनाव का साथही भइल अनेके उपचुनावन के नतीजा आ गइला का बाद कहल जा सकेला कि भाजपा कतहीं कुछ गँववले नइखे आ हर जगहा आगहीं बढ़ल बिया. अलग बाति बा कि पश्चिम बंगाल में जीत के बड़हन हवा बनवला का बाद मिलल पिछला बेर से तीस गुना जीतो कम लागत बा. जाने जोग बा कि पश्चिम बंगाल में पाँच बरीस पहिले केहू सोच ना सकत रहुवे कि भाजपा प्रदेश में मुख्य विपक्षी दल बन जाई आ कांग्रेस आ बँवारा गोल के सूपड़ा साफ हो जाई. एह दुनु गोल के समर्थक मुसलमान वोट ममता के गोहार पर एक जुट हो गइल आ सगरी मुस्लिम बहुल इलाका के सीट पर तृणमूल के जीत हो गइल. ध्रुवीकरण के आरोप का बावजूद भाजपा हिन्दू वोटन के ध्रुवीकरण ना करा सकल आ हिन्दुवन के बँटल रह गइला का चलते ओकरा वइसन सफलता ना मिल सकल जइसन ऊ चहले रहुवे अपना ला. असम में मुसलमानन से गठबन्हन कइला का बावजूद कांग्रेस भाजपा के हरा ना पवलसि. पुड्डुचेरी में भाजपा गठबन्हन के सरकार बनल तय हो गइल बा. तमिलनाडु अउर केरलो में भाजपा के वोट बढ़ले बा. सबले खास ई बा कि तमिलनाडु में मशहूर अभिनेता कमाल हसन के हरा के भाजपा के विधायिका आ प्रदेश भाजपा महिला मोर्चा के अध्यक्षा वानती श्रीनिवासन सदन में बइठिहें.

पश्चिम बंगाल में मिलल शानदार जीत का बादो नंदीग्राम में मिलल हार पचा नइखी पावत मुख्यमंत्री आ तृणमूल कांग्रेस प्रमुख ममता बनर्जी. चुनाव आयोग नंदीग्राम में फेरु से वोट गिने के उनुकर माँग ना मनलसि आ भाजपा के शुवेन्दु अधिकारी के जीत के प्रमाणपत्र दे दिहलसि. अब ममता के कहना बा कि ऊ चुनाव आयोग का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट जइहें.

विधानसभा चुनावन का साथही कई राज्यन में कुल मिला के 13 गो सीटन पर भइल उपचुनावन में भारतीय जनता पार्टी के छह सीटन पर जीत भइल बा. कांग्रेस चार गो सीट पर बाकी छिटपुट गोल तीन गो सीट जीतले बाड़न. लोकसभा के चार गो सीट पर भइल उपचुनाव में भाजपा एगो सीट पर जीतल बिया. एह चुनावन का साथही इहो तय हो गइल बा कि जल्दिए अब राज्यो सभा में भाजपा के बहुमत मिल जाई.

जौनपुर में वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विवि के बंटवारा के आदेश जारी हो गइल. अब 15 जून से आजमगढ़ विश्वविद्यालय अस्तित्व में आ जाई आ आजमगढ़ आ मऊ के महाविद्यालय एह विश्वविद्यालय में आ जइहें, जौनपुर के वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय में अब जौनपुर, गाजीपुर, आ प्रयागराज के महाविद्यालय रह जइहें.

रोहतास जिला के चुटिया इलाका के तियरा खुर्द गांव के एगो आदमी के हत्या का मामिला में पुलिस ओकरा मेहरारु के गिरफ्तार कर लिहले बिया.

काल्हु भइल आईपीएल मैच में दिल्ली कैपिटल्स सात विकेट से पंजाब किंग्स के हरा दिहलसि. अब अंक तालिका के माथ पर दिल्ली कैपिटल्स के आसन लाग गइल बा.

चुनाव परिणाम अइला का बाद निवेशकन के मिलल निराशा शेयर बाजार में गिरावट का रुप में देखे के मिल सकेला. शुको का दिने एक्यिट पोल देख के बाजार में तेज गिरावट आइल रहुवे आ अब त परिणामें सामने आ गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up